उत्तर प्रदेश के खबर

by | Dec 31, 2011 | 0 comments

(शुक, 30 दिसंबर)

  • विधानसभा चुनाव से पहिले मायावती शुक का दिने अपना चार गो अउरी मंत्रियन के बर्खास्त कर दिहली. अबही ले करीब डेढ़ दर्जन मंत्रियन के या त बरखास्त कर दिहल गइल बा भा ऊ लोग त्याग पत्र दे दिहले बा. आजु एगो अउरी मंत्री ददन मिश्रा इस्तीफा दे दिहलन. मुलायम के कहना बा कि जवन मंत्री कम हिस्सा देत बा ओकरा के हटावत बाड़ी मायावती.
  • मायावती अपना पार्टी से नरेश अग्रवाल आ उनुका बेटा के शुक का दिने निकाल दिहली. बाद में राज्यसभा सांसद नरेश अग्रवाल दू गो बसपा विधायकन के ले के समाजवादी पार्टी में शामिल हो गइलें जहाँ से निकल के ऊ कबो बसपा में गइल रहले. नरेश अग्रवाल कांग्रेस आ लोकतांत्रिको कांग्रेस में रह चुकल बाड़न.
  • अबकी वोटर स्लिप चहुँपावे के काम बूथ लेवल अधिकारी के रही. ओह लोग से कहल गइल बा कि हर वोटर के घरे जा के वोटर स्लिप चहुँपा देव जवना पर बूथ के जगहा आ नंबर आ ओह वोटर के नंबर लिखल रही.
  • इलाहाबाद के माघ मेला नौ जनवरी के पूस के पुर्णिमा का दिने शुरू हो जाई आ एक महीना से बेसी ले चली. मेला के एक हजार चार सौ साठ बिगहा जमीन पर बसावल जाई. माघ मेला के खास तिथियन में नौ जनवरी के पूस पुर्णिमा, चौदह आ पंद्रह जनवरी के खिचड़ी भा मकर संक्रांति, अठाइस जनवरी के वसंत पंचमी, सात फरवरी के माघी पूर्णिमा आ बीस फरवरी के महाशिवरात्रि पड़ी.
  • बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के प्राध्यापक डॉक्टर के.एन. सिंह के रानी दुर्गावती विश्वविद्यालय के कुलपति बनावल गइल बा.
  • विधानसभा चुनाव के टिकट बंटवारा में धांधली के आरोप लगावल लखनऊ के एगो कांग्रेसी नेता आ टिकट के दावेदार पार्टी मुख्यालय पर बियफे का दिने धरना दिहलसि.
  • भाजपा के आरोप बा कि कुछ अधिकारी भय के माहौल बनाके बसपा का पक्ष में चुनाव करावल चाहत बाड़े. कहलसि कि ओह लोग के हटावल जाव.
  • उप्र में राष्ट्रीय लोकमंच अपना 9 उम्मीदवारन के घोषणा कइलसि.
  • जौनपुर जिला में कुछ डकैत बुध का दिने पटना जात श्रमजीवी एक्सप्रेस में एगो साधारण डिब्बा के सवारियन के लूट लिहलन आ जे विरोध कइले ओकरा के मरबो पिटबो कइले.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up