मुलायम सिहं यादव आजु खुदे उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश के चेतवलन कि बबुआ सम्हरि जो. आडवाणी जी गलत ना बोलसु आ ऊ कहतारे कि यूपी में भठियरपन बहुते बढ़ गइल बा. कहलन कि उनुको लगे रिपोर्ट बा कि राज्य के मंत्री अपने सेवा में लागल बाड़ें आ मुख्यमंत्री चापलूसन से घेराइल बाड़न. कहलन कि यूपी के कानून व्यवस्था में सुधार ले आवल प्राथमिकता होखे के चाहीं.
0 Comments