पश्चिम चंपारण जिला में बेतिया के एम जे के अस्पताल के कैदी वार्ड मे इलाज करावत एगो कैदी, नाजिर मियाँ, के पिस्तौल पहुंचावे गइल एगो नवही के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
पुलिस बतावत बिया कि जब ई नवही नाजिर मियाँ से भैंट करे आइल त ओकरा हाथ में अखबार में लपेटल कुछ सामान देख पुलिस के शक भइल. तलाशी लीहल गइल त ओहमें गोली भरल पिस्तौल लुकावल रहुवे. पुलिस एह नवही, चनपटिया थाना के पुरैना गाँव के गुड्डू अंसारी, के गिरफ्तार कर लिहलसि.
(वार्ता)
0 Comments