खबर एक नजर में (14 जुलाई 2011)

by | Jul 14, 2011 | 0 comments

मुंबई में आतंकी हमला

काल्हु मुंबई का दादर, औपेरा हाउस आ झावेरी बाजार में तीन गो सीरियल बम ब्लास्ट एगो सोचल समुझल साजिश का तहत करावल गइल जवना में १८ आदमी के जान चल गइल बा १३१ आदमी घवाहिल भइल बाड़न. एह घवाहिलन में २३ आदमी के हालत बहुते खराब बा. ई जानकारी अबही थोड़ देर पहिले देश के गृहमंत्री पी चिदम्बरम के बयान में दिहल गइल. चिदम्बरम महाराष्ट्र पुलिस के बड़ाई करत कहलन कि ३१ महीना पहिले मुंबई पर भइल आतंकी हमला का बाद मुंबई पुलिस आपन ताकत आ निगरानी बढ़वले बिया जवना चलते आतंकी हमला में कमी आइल बा. चिदम्बरम का मुताबिक काल्हु के हमला टाइमर डिवाइस से करावल गइल ना कि ट्रिगर डिवाइस से. पुलिस हमला के जाँच में लागल बिया बाकिर संकेत बतावत बा कि एह हमला का पीछे इण्डियन मुजाहिदीन नाम के आतंकी संगठन के हाथ बा जे लश्कर का सहयोग से घटना के अंजाम दिहले होखी.


लखनऊ के डिप्टी सीएमओ सचान के हत्या के सीबीआई जाँच

काल्हु कोर्ट में सीबीआई जाँच के विरोध कइला का तुरते बाद यूपी सरकार आनन फानन में एह मामिला के सीबीआई जाँच करवावे के मान गइल आ एकर अधिसूचना जारी कर दिहल गइल. लखनऊ में अबले दू गो सीएमओ आ एगो डिप्टी सीएमओ के हत्या करावल जा चुकल बा. पहिले कहल गइल रहे कि दुनु सीएमओ के हत्या करवावे में डा॰ सचान के हाथ रहुवे. बाकिर जब जेल का भीतर सचान के मौत भइल त पुलिस पूरा कोशिश कइलसि कि एकरा के आत्महत्या के केस बना दिहल जाव बाकिर अदालती जाँच एकरा के हत्या बतवले बा. अब एगो दोसर सीएमओ डा॰ शुक्ला के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा आ जइसे पुलिस पहिले सगरी दोष सचान का मूड़ी पर लादत रहे अब डा॰ शुक्ला का मूड़ी पर लादल जा रहल बा. असली अपराधी राजनीति का परदा का पाछे सुरक्षित बाँचल रहीहे आ छोटका अपराधियन के बलि के बकरा बनावल जात रही. सीबीआई जाँच खातिर तईयार होखला का बावजूद मायावती कहले बाड़ी कि ऊ जाँच जरुर करो बाकिर मामिला के राजनीतिक रंग मत देव. कहे के मतलब कि असली राजनीतिक अपराधियन के मत पकड़ल जाव.


तीन साल का भीतर खुलल बीएड आ डी एड कॉलेजन के जाँच होखी

केन्द्रीय मानव संसाधन विभाग एह मामिला के जाँच करे जा रहल बा कि पिछला तीन साल में देश में अतना बड़ पैमाना पर नया बीएड आ डीएड कॉलेज कइसे खुलली सँ. जवना कॉलजेन का लगे जरुरी संसाधन ना मिली तवनन के मंजूरी देबे वाला अधिकारियन का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. एह जाँच के जिम्मा जस्टिस जे॰एस॰वर्मा का अध्यक्षता में गठित जाँच समिति के दिहल गइल बा. अकेले महाराष्ट्र राज्य में २९१ गो कॉलेजन के मान्यता दिहल गइल बा. आजु काल्हु देश भर में ११ हजार टीचर्स ट्रेनिंग कॉलेज बाड़ी सँ.


छिरियाइल मंत्रियन के चेतावनी

के्न्द्रीय मंत्रीमण्डल में भइल हाल का फेर बदल का बाद कुछ लोग नाराज बा, कुछ लोग रुसल बा, कुछ लोग छिरिया गइल रहे. अइसने एगो छिरियाइल मंत्री गुरदास कामत के त्यागपत्र मंजूर कर लिहल गइल बा आ बाकी लोग के इशारा कर दिहल गइल बा कि लाइन पर आ जा लोग ना त… कांग्रेस प्रवक्ता के कहना बा कि सगरी फैसला सोनिया गाँधी के राय से कइल गइल बा एहसे एकर कवनो विरोध ना होखे के चाहीं. वइसे एह फेर बदल में चिदम्बरम आ कपिल सिब्बल पर आरोप लागल रहला का बावजूद बरकरार राखल गइल बा आ कानून मंत्री मोइली के हटा के उनुका जगहा शिक्षा के व्यापार करे वाला सलमान खुर्शीद के कानून मंत्री बनावल गइल बा. कांग्रेस के आलाकमान के लागल रहे कि कानूनमंत्री मोइली आपन जिम्मेदारी ठीक से ना निबहलन जवना चलते सरकार के कई बेर कोर्ट में फजीहत झेले के पड़ल. मोइली के कहना बा कि दोसरा के गलती के सजा उनुका ना मिले के चाहत रहे. फेर बदल का बाद सगरी मंत्रीमण्डल के सूची अँजोरिया के नया अध्याय नौकरी चाकरी में देखल जा सकेला.


बिहार में शिक्षक बहाली के रास्ता साफ

काल्हु सप्रीम कोर्ट बिहार सरकार के ओह सूची के मंजूरी दे दिहलसि जवना का बाद प्रदेश के प्राथमिक विद्यालयन में नियमित वेतन पर चौंतीस हजार पाँच सौ चालीस शिक्षकन के बहाली के राह साफ गइल. अदालत एह काम खातिर बिहार सरकार के तीन महीना के समय दिहले बिया.


बिहार विधानसभा के मानसून सत्र

बिहार विधानसभा के मानसून सत्र काल्हु से शुरु होखे जा रहल बा जवना में कुल पाँचे गो बइठक होखे वाला बा. पहिला दिने अध्यादेशन के प्रति सदन पटल पर राखल जाई आ अठारह आ उनइस जुलाई के सरकारी विधेयक पेश कइल जाई. बीस जुलाई के विनियोग विधेयक पेश होई आ अंतिम दिने २१ जुलाई के गैर सरकारी काम निपटावल जाई. एह बीचे विधान सभा परिसर आ ओकरा चतुर्दिक कवनो तरह के धरना प्रदर्शन पर रोक लगा दिहल गइल बा.


दोषी डाक्टरन का खिलाफ मुकदमा

लखीमपुर खीरी के मुख्य न्यायायिक मजिस्ट्रेट का आदेश पर ओह तीन गो डाक्टन का खिलाफ केस दर्ज कर लिहल गइल बा जे निघासन थाना परिसर में मरल लड़िकी के पोस्टमार्टम जाँच कइले रहले आ ओकरा के आत्महत्या बतवले रहले.


Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up