खबर भोजपुरी में (मंगल, 2 दिसंबर 2014)

by | Dec 2, 2014 | 0 comments

कोहिमा, नगालैंड में हार्नबिल महोत्सव को संबोधित करत. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

कोहिमा, नगालैंड में हार्नबिल महोत्सव को संबोधित करत. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

  • छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में सोमार का दिने नक्सली घात लगा के सीआरपीएफ के गश्ती दल पर हमला क दिहले आ एगारह गो जवान आ दू गो अधिकारी मिला के तेरह लोग के जान ले लिहले. पाँच गो जवान घवाहिल बाड़े. एह दौरान तीन गो अउरिओ पार्टी जंगल में घेराइल बा जवना में सीआरपीएफ, कोबरा बटालियन आ डीएफ के नाहियो त साठ गो जवान घेराइल बाड़े.
  • जदयू के दू गो छात्र नेता लोग के आरा पुलिस के पिटाई का मामिला में भोजपुर जिला के तीन गो थाना के प्रभारियन के निलंबित क दिहल गइल आ जाँच करे ला दू आदमी के टीम बनावल गइल बा. एह मामिला में सोमार का दिने छात्र आरा में प्रदर्शन कइले.
  • गाजीपुर के सिधौना क्षेत्र के ईशोपुर में रामकरन यादव पीजी कालेज में समाजवादी नेता स्वर्गीय रामकरन यादव दादा के प्रतिमा के अनावरण करत उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव बतवलन कि गाजीपुर में जल्दिए 500 बिस्तर वाला अस्पताल खोलल जाई.
  • नोएडा अथारिटी के चीफ इंजीनियर यादव सिंह का लगे मिलल अकूत धन संपति के मामिला में सीबीआई जांच करावे के माँग कइले बिया भाजपा. जाने जोग बा कि बसपा सरकारो के दुलरुआ रहल यादव सिंह सपा सरकारो में आपन रुतबा बरकरार रखे में सफल रहुवे.
  • उत्तर प्रदेश के लखनऊ महोत्सव आ सैफई महोत्सव के हिसाब किताब माँगत दायर कइली आरटीआई के जवाब में सरकार साल भर बादो कुछ नइखे बतावत. लागत बा ओकरा लगे एह बारे में कवनो ब्योरा नइखे.
  • शरद यादव से मिलल आलोचना का बाद बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी कहलन कि प्रधानमंत्री बने के सपना नइखीं देखले बाकिर जोग बानी ओह पद ला.
  • जूनियर टेनिस के मौजूदा चैम्पियन सिद्धांत बांठिया आ महक जूनियर टेनिस चैम्पियनशिप में सोमार का दिने अपना अपना वर्ग में जीत का साथे आपन शुरुआत कइले.
  • बिना पहिले से समय मँगले जल संसाधन मत्री उमा भारती के कार्यालय में घुसे के कोशिश करत मेधा पाटकर आ उनुका गिरोह के कुछ सदस्यन के हिरासत में ले लिहल गइल.
  • हांगकांग का लोकतंत्र में चीनी दखलंदाजी के विरोध का दौरान पुलिस ओह लोग पर मरीचा के पावडर फेंक के भगवलसि आ चालीस जने के बवाल करे का आरोप में गिरफ्तार क लिहलसि.
  • फुटबाल के सुपर लीग में लगातार तिसरका जीत दर्ज करत गोवा फुटबाल क्लब नॉर्थईस्ट युनाइटेड के तीन गोल से हरा दिहलसि. नॉर्थईस्ट युनाइटेड कवनो गोल ना कर पवलसि.
  • केन्द्र में भाजपा सरकार के छह महीना पूरा भइला का मौका पर कांग्रेस ओकरा के पलटीमारे वाली सरकार बतावत एगो किताब जारी कइलसि. आ यूपी कांग्रेस केन्द्र के भाजपा सरकार से पूछलसि कि तिहत्तर गो सांसद जीतावे वाला उप्र खातिर का कइलसि.
  • सोमार का दिने आईपीएल के गड़बड़झाला के सुनवाई का दौरान सुप्रीम कोर्ट पूछलसि कि चेन्नई सुपर किंग्स के मालिक आ बीसीसीआई के अध्यकक्ष रहला का चलते उपजल हित के टकराव के काहे नजरअंदाज कइल गइल.
  • मंगल 2 दिसंबर का दिने जम्मू कश्मीर आ झारखण्ड में विधानसभा चुनाव के दुसरका दौर के मतदान करावल जाई,दुनू जगह सरकार बनावे का कोशिश में भाजपा आपन पूरा ताकत लगा दिहले बिया.
  • सोमार का दिने मुंबइ शेयर बाजारों में गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 134 अंक नीचे गिर के 28,559.62 पर निफ्टी 32.35 अंक गिर के 8,555.90 पर बंद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up