खबर भोजपुरी में (मंगल, 3 फरवरी 2015)

by | Feb 2, 2015 | 0 comments

(सोमार, 2 फरवरी के खबर)

  • AK-KB
    दोसरा पर कीचड़ फेंके वाली पार्टी आआपा अब खुद अपना पर लागत कीचड़ साफ करे का मजबूरी में पड़ गइल बिया. दिल्ली विधानसभा चुनाव से महज पाँच दिन पहिले आआपा गोल पर गलत तरीका से चंदा बिटोरे के आरोप लागल बा आ एह आरोप के सबूत खुद आआपा गोल के आपने वेबसाइट से उजागर भइल बा. एह गोल के पचास पचास लाख के चार गो चेक एकही दिने चार गो कंपनियन से मिलल, जवना के पता झुग्गी झोपड़ियन वाला बा, जवन चंदा देबे घरी ले कवनो तरह के बिजनेस ना करत रही सँ आ जवनन का बैलेंसे शीट में अतना रुपिया रहबे ना कइल. एन चुनाव का बेरा सामने आइल एह खुलासा के कुछ अनेसा केजरीवालो के रहल तबहिए कुछ दिन पहिले ऊ कहले रहले कि चुनाव से पहिले कुछ स्टिंग आ सकेला उनुका पार्टी का खिलाफ.
  • दिल्ली विधानसभा चुनाव में एन वक्त पर भाजपा के चेहरा बने आइल किरन बेदी से उनुके प्रचार सहायक नरेन्द्र टंडन नाराज हो गइले आ भाजपा से इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि बरीसन से भाजपा के सदस्य रहलन बाकिर हालही में भाजपा में आइल किरन बेदी आ उनकर करीबी लोग के बेवहार बर्दाश्त करे लायक नइखे. बाद में समुझवला बुझवला पर ऊ आपन इस्तीफा वापिस ले लिहलन बाकिर एह बीच जवन फजीहत होखे के रहल भाजपा के तवन त होइए गइल.
  • पटना के सरकारी यात्रा पर आइल केन्द्रीय मंत्री उमा भारती सोमार का दिने मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी से बात क के निकलली त दुनू लोग दुनू के तारीफ करे में होड़ लगा लिहले. उमा भारती माँझी के दलितन के मसीहा बतवली त माँझी कहलन कि उमा भारती समर्पण का भाव से काम करत बाड़ी आ उनुका से उमेद बा कि बिहार के सरोकार समझिहें. एह बयानमाला का बाद बिहार के राजनीति में फेरू चरचा गरमाए लागल बा. एगो दोसरा बयान में माँझी कहलन कि कर्तव्य त कहत बा कि बिहार के अगिला मुख्यमंत्री नीतीशे बनसु बाकिर मन कहत बा कि दलित समाज के कल्याण करे खातिर कवनो दलिते के मुख्यमंत्री बनावल जाए. साथही इहो साफ कर दिहलन कि उनुका के हटावल आसान ना होखी. कहलन कि हटावे वाला लोग विधायक दल के बइठक बोलवा के एकर फैसला कर लेव.
  • हिन्दू औरतन से चार गो बच्चा जनमावे के गोहार लगावे वाली विहिप नेता साध्वी प्राची सोमार का दिने अउरी भड़काऊ बात कह दिहली. कहली कि चालीस पैंतालिस गो पिल्ला जनमावे वालन के त केहू कुछ नइखे कहत बाकिर चार गो बच्चा जनमावे के कह दिहली त उनकर आलोचना करत बावे कुछ लोग. कहली कि हिन्दुस्तान के सभे लोग कबो हिन्दुए परिवार के रहल बाकिर बाद में धर्म बदल के दोसरा धर्म में चल गइल. अब समय आ गइल बा कि ऊ लोग वापिस अपना घर में लवटि आवे.
  • चीन यात्रा पर गइल विदेश मंत्री सुषमा स्वराज के चीन में जइसन गरमजोशी से स्वागत भइल बा तइसन कबो दोसरा भारतीय मंत्री के ना भइल रहुवे. चीन के राष्ट्रपति शी चिनपिंग सोमार का दिने परंपरा आ प्रोटोकाल तूड़ के सुषमा से मिललन आ भरोसा जतवलन कि चीन-भारत संबंध एह साल अउरी पोढ़ होखी. ओने अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा कहले बाड़न कि भारत अमेरिका के दोस्ती से चीन के कवनो चिन्ता कइला के जरुरत नइखे. बाकिर कहलन कि चीनो के चाहीं कि विएतनाम आ फिलीपिंस जइसन छोटका देशन के मत हड़कावे.
  • दिल्ली में कुछ वकील सोमार का दिने किरण बेदी के कार्यालय पर हमला बोल दिहलन आ ओहिजा तूड़ फोड़ कइलन. एह हमला में दू आदमी घवाहिलो हो गइल. वकीलन के शिकायत बा कि पुलिस अधिकारी रहत घरी ऊ वकीलन के पुलिस से पिटववले रही.
  • बिहार के सीनियर फोटो पत्रकार कृष्ण मुरारी किशन के साठ साल का उमिर में निधन हो गइल. एने हफ्ता भर से उनुकर तबियत खराब चलत रहुवे.
  • बांग्लादेश के विरोदी दल नेशनलिस्ट पार्टी के मुखिया आ बांगला देश के पीएम रहल खालिदा जिया पर पिछला महीना से चलत सरकार विरोधी आन्दोलन का दौरान मरल 42 लोग के हत्या के मुकदमा दर्ज कइल गइल बा.दिल्ली के वोटरन के घूस ले के वोट करे ला उकसावे के शिकायत ले के एक आदमी अदालत में मुकदमा क देले बा. अब अदालत एह पर मंगल का दिने सुनवाई करी. एगो दोसर शिकायत किरण वालिया कइले बाड़ी अरविन्द केजरीवाल का खिलाफ. उनकर कहना बा कि केजरीवाल के दिल्ली के वोटरे बनावल गलत बा काहें कि ऊ गाजियाबाद में रहेलें.
  • सारण जिला के अमनौर इलाका में आजु एगो ट्रक आ बोलेरो के टकरइला का चलते चार जने के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • विदेश मंत्री सुषमा स्वराज आजु सोमार का दिने चीन के राष्ट्रपति सी जिनपिंग से भेंट कइली आ दुनू देशन के सरोकार वाला एजेण्डा पर बतियवली. मई में पीएम मोदी चीन जइहें आ ओह यात्रा खातिर जमीन तइयार करे गइल बाड़ी सुषमा. एहसे पहिले सुषमा स्वराज रूस के विदेश मंत्री सेर्गेई लावरोव से बीजिंग में भेंट कइली.
  • शेयर बाजार में आजु के दिन गिरावट वाला रहल आ सेंसेक्स 60 अंक गिर के आ निफ्टी 11 अंक गिर के बंद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up