खबर भोजपुरी में (शुक, 6 फरवरी 2015)

by | Feb 6, 2015 | 0 comments

(बियफे, 5 फरवरी के खबर)

  • JeetaRamManjhi-at-Singhmaबिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के हटा के फेरू नीतीश कुमार के मुख्यमंत्री बनवावे का मकसद से जदयू अध्यक्ष शरद यादव 7 तारीख के जदयू विधायक दल के बइठक बोलवले बाड़न बाकिर मुख्यमंत्री जीतन राम के कहना बा कि विधायक दल के बइठक बोलावे के अधिकार मुख्यमंत्री के होला आ दोसरा के बोलावल बइठक पार्टी के संविधान का खिलाफ होखी. माँझी के एह बयान से बिहार के राजनीति में बवाल मच गइल बा आ साफ लागत बा कि जदयू के टूटल तय बा आ बहुते दबाव पड़ल त माँझी विधानसभा भंगो करे के सलाह दे सकेलें राज्यपाल के आ राज्यपाल एह सलाह के मानियो सकेलें.
  • पटना जंक्शन पर गाड़ियन के दबाव कम करे खातिर नौ गो रेलगाड़ियन के जंक्शन का बदले दानापुर भा राजेन्द्र नगर टर्मिनल से खोलल जाई आ ई रेलगाड़ी पटना जंक्शन पर अइबे ना करीहे सँ. एह रेलगाड़ियन में पटना पूणे, पटना सिकन्दराबाद, संघमित्रा एक्सप्रेस, जनसाधारण एक्सप्रेस दानापुर से आ कैपिटल एक्सप्रेस, कामाख्या एक्सप्रेस, दानापुर राजगीर इंटरसिटी, साउथ बिहार एक्सप्रेस आ दानापुर हावड़ा एक्सप्रेस राजेन्द्र नगर से खुलल करीहें सँ. एह फैसला से आम आदमी के बहुते फजीहत होखे जा रहल बा काहें कि दानापुर से पटना आवे में बहुते परेशानी होखी.
  • छपरा जेपी विश्वविद्यालय में भइल करोड़ों के घोटाला के जाँच करे खातिर विजिलेंस के टीम बियफे का दिने जेपी विवि आ एकरा कुछ काॅलेजन पर धावा बोल दिहले. टीम बहुते फाइल जब्त क के ले गइल बिया.
  • दिल्ली विधानसभा चुनाव से ऐन पहिले आइल सर्वेक्षणन में भाजपा के बहुमत देखावल गइल बा आ एगो सर्वे त भाजपा के दू तिहाई बहुमत मिले के अनुमान लगवले बा.
  • बियफे का दिने तृणमूल कांग्रेस के बड़का झटका लागल जब सर्वोच्च न्यायालय ओकर गोहार ना मनलसि कि सीबीआई से करावल जात सारठा घोटाला के जाँच अदालत का निगरानी में होखे. न्यायालय एकर कवनो जरूरत ना देखलसि आ गोहार खारिज क दिहलसि. ओने सारधा घोटाल में धराइल तृणमूल के एगो सांसद शृंजय बोस जमानत मिलला का बाद जेल से बाहर अइलन आ पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन.
  • सारधा घोटाला में धराइल कांग्रेसी नेता मतंग सिंह के बचावे के कोशिश करे वाला गऱह सचिव अनिल गोस्वामी के इस्तीफा दिहला का बाद अब आईएएस के वरिष्ठ अधिकारी एल.सी. गोयल के केंद्रीय गृह सचिव बना दिहल गइल बा आ अजु ऊ आपन काम शुरुओ क दिहलन.
  • एगो बांग्ला अभिनेत्री लाॅकेट चटर्जी तृणमूल के साख गिरल देख के ओकरा के छोड़ के भाजपा में चल अइली.
  • कैमरुन के उत्तरी क्षेत्र में कैमरुन तथा चाड के सेना मिल के नाइजीरिया के आतंकवादी संगठन बोको हराम के नाहियो त 300 आतंकवादियन के मार गिरवले.
  • भाजपा में भाव ना मिलला से परेशान शत्रुघन सिन्हा आजु केजरीवाल के बड़ाई के के पोसुआ मीडिया आ भाजपा के विरोधी गोलन के संजीवनी बूटी थमा दिहलन. कहलन कि केजरीवाल के पार्टी पिछला बेर से बढ़िया करी. बिहारी बाबू के नाम से मशहूर शत्रुघन सिन्हा जब जब एही तरह के बयान देत रहेलें आ उनकर तकलीफ अउर बढ़ जाला जब पार्टी उनुका बयान के कवनो अहमियत ना देव.
  • उत्तर प्रदेश में शहरी फीडर से बिजली लेबे वाला गाँवन के छोटका किसानन के अब बढ़ल दाम ना चुकावे के पड़ी. एकरा ला सगरी बिजली कंपनियन के नोटिस भेज दिहल गइल बा.
  • बिहार लोक सेवा आयोग के प्रीलिम परीक्षा पंद्रह मार्च के करावल जाई. शामिल होखेवालन के एडमिट कार्ड नइखे भेजल जात आ ओह लोग के आपन एडमिट कार्ट खुद आयोग के वेबसाइट

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up