गाजीपुर जिला के बंजारीपुर गांव का लगे के बुध का दिने एगो बस बेकाबू हो के पलट गइल जवना चलते एगो लड़िका के मौत हो गइल आ पचास गो सवारी घवाहिल हो गइले. बस कासिमाबाद से गाजीपुर जात रहुवे जब सड़क किनारे एगो आदमी के बचावे का फेर में बस ड्राइवर का बेकाबू हो गइल आ बगल के एगो गाछ से टकरा के पलट गइल. अगल बगल के लोग दउड़ के बस में से सवारियन के निकालल. घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
0 Comments