आरा 15 दिसम्बर (वार्ता) भोजपुर के आरा नगर थाना के धरहरा मे गोलीबारी में एगो नवही के हत्या का खिलाफ लोग अतवार का सबेरही से नेशनल हाईवे तीस जाम क के राख दीहल.
पुलिस बतावत बिया कि पिछला महीना पन्द्रह नवंबर के धरहरा मोड़ का नियरा ठेकेदार विपिन चौधरी परमानंद यादव के गोली मार के हत्या क दिहले रहुवे आ उनुका बेटा तीस साल के रवि यादव के घवाहिल क दिहले रहुवे. गम्हीराह घवाहिल रवि यादव के इलाज पटना में होखत रहुवे जहाँ से उनुका के दिल्ली रेफर क दीहल रहे.
दिल्ली के इंदिरा गांधी आयुर्विज्ञान संस्थान में चलत इलाज का बीच रवि के मौत हो गइल आ काल्हु रात ओकर लाश गांवे चँहुपल.
0 Comments