आजु राँची में सीबीआई के विशेष अदालत चारा घोटाला मामिला में बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के पांच साल के जेल आ पचीस लाख के जुरमाना सुना दिहलसि.
सीबीआई के विशेष न्यायाधीश पी. के. सिंह वीडियो कांफ्रेसिंग क के एह फैसला के सुनवले, सुरक्षा कारण से लालू आ दोसर मुजरिमन के अदालत ना ले आ के जेले में वीडियो कांफ्रेंस करा के फैसला सुनावल गइल.
लालू का अलावे मुख्यमंत्री रहल एगो अउर नेता जगन्नाथ मिश्र के, जदयू के सांसद जगदीश शर्मा, आ राजद के सांसद रहल आर के राणा समेत सगरी आरोपियन के सजा सुनावल गइल.
जगन्नाथ मिश्र के चार साल के जेल आ दू लाख रुपिया जुरमाना सुनावल गइल त जद यू सांसद जगदीश शर्मा के चार साल के जेल आ पांच लाख रुपिया जुरमाना आ सांसद रहल आर के राणा के पांच साल के जेल आ तीस लाख जुरमाना के सजा सुनावल गइल.
एह लोग समेत कुल सैंतीस गो अपराधियन के सजा दीहल गइल.
(वार्ता)
0 Comments