चारा घोटाला मे लालू के साझेदार रहले नीतीश, कहलन सुशील मोदी

by | Oct 5, 2013 | 0 comments

बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ भाजपा के वरिष्ठ नेता सुशील कुमार मोदी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उनुका पार्टी जदयू के सांसद शिवानंद तिवारी पर अरबो रूपिया के चारा घोटाले मे सनाइल होखे के आरोप लगावत दुनु जने का खिलाफ मुकदमा चलावे के माँग कइले.
चारा घोटाला के सीबीआई जांच करावे खातिर पटना उच्च न्यायालय मे याचिका दायर करे वालन में शामिल रहल सुशील मोदी आजु एगो संवाददाता सम्मेलन मे कहलन कि नीतीश कुमार साल 95 के विधानसभा चुनाव का समय चारा घोटाला के मुख्य अभियुक्त श्याम बिहारी सिन्हा से एक करोड़ रूपिया लिहले रहले. अइसही शिवानन्द तिवारीओ चारा घोटाला के आरोपियन से कई बेर लाखो रूपिया लिहले रहन.
ई बात घोटाला के मुख्य अभियुक्त श्याम बिहारी सिंहा अपना इकबालिया बयान ममें पुलिस का सोझा सकरले बाड़े. उनकर कहना बा कि नीतीश खातिर एक करोड़ रूपिया विजय कुमार मलिक के दिहल गइल रहे जवन उमेश सिंह के मार्फत नीतीश कुमार के दीहल गइल रही. नीतीश कुमार फोन करके बतवलहू रहले कि रुपिया मिल गइल बा आ उमेद जतवले रहुवन कि आगहू अइसही मदद मिलत रही.
भाजपा नेता सुशील मोदी कहलन कि जदयू सांसद शिवानंद तिवारीओ के चारा घाटाला के अभियुक्तन का तरफ से तीस पैंतीस लाख रुपिया दीहल गइल रहे. तिवारी पचास लाख मँगले रहले कि मिल गइला पर ऊ उच्च न्यायालय मे याचिका दायर ना करीहे.
मोदी कहलन कि श्याम बिहारी सिन्हा आ चारा घोटाला के अउरियो आरोपी सकरले बाड़े कि नीतीश कुमार आ शिवानंद तिवारी के कई मौका पर लाखो रुपिया दीहले रहे लोग. एहसे एह मामिला में एहू दुनु जने पर मुकदमा चलावे के चाहीं.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up