टटका खबर, अतवार, १९ फरवरी २०१२

by | Feb 20, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(वैश्विक बिहार सम्मेलन में बोलत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार)


जानकारी काल्हु अँजोरिया के वेबसर्वर डाउन रहला का चलते अँजोरिया परिवार के कई गो वेबसाइट बारह घंटा ले ना खुल सकल. एह खातिर अपना पाठक परिवार से माफी माँगत बानी.

बिहार

  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि पटना मे भइल वैश्विक बिहार सम्मेलन से बिहार के बढ़न्ती के राह खुली. खास कर के एह सम्मेलन में नेपाल के प्रधानमंत्री के अइला से बिहार के बहुते फायदा होखी. काहे कि बिहार के बहुते समस्या अइसन बाड़ी सँ जवना के समाधान नेपाल के सहयोग बिना ना हो सके.
  • दोसरा तरफ कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष महबूब अली कैसर के कहना बा कि ई सम्मेलन सरकार आपन छवि चमकावे खातिर आयोजित कइलसि आ एकरा से बिहार के कवनो फायदा नइखे होखे वाला.
  • सारण जिला के एकमा थाना के राजापुर गाँव में एगो शौचालय बनावत घरी माटी धँसला से एगो मजदूर के मौत हो गइल. दू गो मजदूर घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • छपरा शहर में आजु से महिला थाना काम कइल शुरू कर दिहलसि. थाना के उद्घाटन करत आरक्षी महानिरीक्षक गुप्तेश्वर पांडेय कहलन कि एहसे महिला विरोधी अपराध आ महिला उत्पीड़न में कमी आई.
  • पनरहियन दिन पहिले अपहृत झउआराम गाँव के अजय साह के लाश गाँवे का नियरा के एगो पोखरा से बरामद भइल बा.

उत्तर प्रदेश

  • राज्य के चउथको दौर के मतदान में पहिले का बनिस्बत बेसी वोट पड़ला के खबर बा. पिछला बेर एह इलाकन में चउवालिस फीसदी मतदान भइल रहे जबकि अबकि बेर सत्तावन फीसदी मतदान के खबर बा. हरदोई जिला के शाहाबाद में सबले बेसी वोट पड़ल. ओहिजा चउँसठ फीसदी लोग वोट दिहल. राज्य के मुख्य चुनाव अधिकारी उमेश सिन्हा के कहना बा कि कतहीं से कवनो अप्रिय घटना के खबर नइखे आइल.
  • चउथा दौर के मतदान खतम होखला का बाद अब सगरी पार्टी बाकी का इलाका में प्रचार करे में आपन पूरा ताकत झोंक दिहले बाड़ी सँ. पाँचवा दौर के मतदान तेईस फरवरी के पड़े वाला बा.

देश

  • ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश दावा कइलन कि केन्द्र सरकार राज्यन के वित्तीय सहायता देबे में कवनो तरह के राजनीति ना करे आ हर राज्य के पर्याप्त धन दिहल जाला.
  • केरल पुलिस पिछला बुध का दिने केरल तट का लगे दू गो भारतीय मछुआरन के हत्या का मामिला में इटली के तेलवाहक जहाज एनरिका लेक्सी के दू गो नाविकन के हिरासत में ले लिहलसि. अब एह लोग से पूछताछ के कार्रवाई शुरू होखी.
  • गृहमंत्री पी चिदम्बरम आजु मेघालय में सुरक्षा हालात के जायजा लिहलन. उनुका साथे मुख्यमंत्री मुकुल संगमो रहले. चिदम्बरम बाद में पत्रकारन से कहलन कि गारो नेशनल लिबरेशन आर्मी एगो उग्रवादी संगठन ह आ ओकरा पर काबू पावे खातिर सगरी उपाय कइल जाई.
  • असम सरकार केंद्र से माँग कइले बा कि नक्सल प्रभावित राज्यन के दिहल जाये वाला विशेष धनराशि ओकरो के दिहल जाव काहे कि उहो उग्रवाद प्रभावित बा.
  • रेल मंत्री दिनेश त्रिवेदी कहले बाड़न कि भारत तेज रफ्तार वाली रेलगाड़ी के प्रस्ताव आगे बढ़ावे खातिर जापान का साथे मिल के एगो कार्यदल बनावे जात बा. जापान के तेजरफ्तार रेल तीन सौ किलोमीटर प्रतिघंटा का रफ्तार से चलेले आ ओकरा साथे कवनो दुर्घटनो ना होखे.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आजु कोलकाता में हावड़ा स्टेशन पर छह गो नया रेलगाड़ियन के झंडी देखाके रवाना करवली. कली कि एह रेलगाड़ियन के शूरू करा के ऊ आपन वादा निभा दिहली.
  • पोलियो उन्मूलन खातिर आजु फेर देशभर में टीकाकरण अभियान चलावल गइल जवना में पांच साल तक के १७ करोड़ बुतड़ुवन के पोलियो ड्रॉप पिआवल गइल.
  • सोमार का दिने देश भर में महाशिवरात्रि के पर्व श्रद्धा आ उल्लास का साथे मनावल जाई. काश्मीर में आजुवे से ई समारोह शुरू हो गइल बा. काश्मीर में एह मौका के हेरात का रूप में मनावल जाला.

दुनिया

  • नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई कहलन कि माओवादी लड़ाकन के नेपाली सेना में भरती करे खातिर जल्दिये ठोस कदम उठावल जाई.

शिक्षा

  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के मैट्रिक परीक्षा बाईस फरवरी से शुरू होखे वाला बा. एह परीक्षा में साढ़े बारह लाख से अधिका परीक्षार्थी आपन इम्तिहान दीहें.
  • अगिला साल से इंजीनियरिंग के प्रवेश परीक्षा में कुछ बदलाव कइल गइल बा. अब बारहवीं का परीक्षा में मिलल अंकन के चालीस फीसदी आ प्रवेश परीक्षा में मिलल अंक के साठ फीसदी वजन दिहल जाई. एह बदलाव से अब विद्यार्थियन के बारहवींओ का परीक्षा पर पूरा ध्यान देबे के पड़ी.

बिजनेस

  • दूरसंचार मंत्री कपिल सिब्बल कहले बाड़न कि टूजी स्पेक्ट्रम के लाइसेंस रद्द होखला का बादो विदेशी निवेशकन के भरोसा देश से खतम नइखे भइल आ ऊ सब अगिला नीलामी में बोली लगइहे.

खेल

  • तिकोनिया एकदिना क्रिकेट शृंखला के आजु के मैच में भारत फेर आस्ट्रेलिया से हार गइल. ब्रिस्बेन में भइल मैछ मे २८९ रन बनावे के निशान छूवे का फेर में भारत के पूरा टीम ४४वें ओवर में १७८ रन पर समेटा गइल.
  • लंदन ओलिम्पिक खातिर होखत हॉकी के क्वालीफाइंग मैच में महिला वर्ग में भारत कनाडा के चार-एक से हरा दिहलसि. दोसरा मैचन में इटली पोलैंड के चार-एक से आ दक्षिण अफ्रीका यूक्रेन के दू-शून्य से हरा दिहलसि.
  • पुरुष वर्ग का मैच में भारत इटली के हरा दिहलसि, त पोलैंड कनाडा के आ फ्रांस सिंगापुर के हरवलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up