टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 3 अगस्त 2011

by | Aug 3, 2011 | 0 comments

  • मंत्रिपरिषद विस्तार के तीन हफ्ता बादो संसद में रेल मंत्री के कमरा नइखे मिलल जवना चलते खिझियाइल रेलमंत्री आजु गलियारे में बइठक कइलन.
  • बियफे के मुख्यमंत्री पद के शपथ लीहें डी. वी. सदानंद गौड़ा.
  • साल 2010 आ 2011 में सरकार के 31 गो वरिष्ठ अधिकारियन पर भठियरपन के आरोप लागल बा.
  • पाकिस्तान अपना 5,000 मेगावाट ऊर्जा के कमी चीन का सहायता से पूरा करावल चाहत बा.
  • जर्मनी की वाहन निर्माता कम्पनी बीएमडब्ल्यू मुम्बई सहित दुनिया भर के शहरन में बढ़त आबादी से होखे वाली परेशानी दूर करे ला नया पहल करे का योजना में.
  • हिमाचल सरकार सेब पर आयात शुल्क बढ़ावे के मांग कइलसि जवना से सेब उत्पादकन के बढ़िया दाम मिल पावो.
  • कबो दिल्ली का गलियन में घूमे वाला लड़िका विकी रॉय अब कला फोटोग्राफर बन गइल बा आ प्रतिष्ठित ‘द आर्ट ऑफ फोटोग्राफी शो’ में भारत के अकेला प्रतिनिधि बन के हिस्सा लीही.
  • पिछला साल ऑस्ट्रेलिया में भइल हमलन में करीब 103 भारतीय मारल गइले भा घवाहिल भइले.
  • केद्रीय आवास आ शहरी गरीबी उन्मूलन मंत्री कुमारी शैलजा के कहना बा कि देश के एक-चौथाई शहरी आबादी गरीबी रेखा का नीचे रहेले.
  • तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जे. जयललिता देश भर में पसरल महंगाई खातिर केंद्र के यूपीए सरकार के जिम्मेदार ठहरवली.
  • 1970 से अबले वायुसेना के 999 विमान दुर्घटनाग्रस्त हो चुकल बाड़ी सँ जवना में 34 फीसदी दुर्घटना पायलट का गलती से भइल बा.
  • तृणमूल कांग्रेस-कांग्रेस गठबंधन वाली राज्य सरकार आ वाम मोर्चा के नेतृत्व वाला विपक्ष पश्चिम बंगाल के नाम बदले पर एक राय हो गइल बा.
  • केंद्रीय शहरी विकास राज्य मंत्री सौगत रॉय राज्यसभा में बतवले कि जवाहरलाल नेहरू राष्ट्रीय शहरी नवीकरण मिशन के तहत अबले 67 गो परियोजना के मंजूरी दिहल गइल बा.
  • भारती एयरटेल के तिमाही शुद्ध लाभ में 25.8 फीसदी गिरावट.
  • गोरखा जन मुक्ति मोर्चा दार्जिलिंग के ‘असमान विकास’ का चलते दू हिस्सा में बाँतल जरूरी बा.
  • एह साल का शुरू का छह महीना में 117 गो सरकारी वेबसाइट हैक भइली सँ.
  • भारत अमेरिका के आगाह कइले बा कि पाकिस्तान के दिहल जा रहल वित्तीय मदद के गलत इस्तेमाल होला आ ई धन आतंकवादियन का लगे जा रहल बा.
  • आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय वाईएसआर कांग्रेस पार्टी के अध्यक्ष वाई.एस. जगनमोहन रेड्डी पर अवैध धन संग्रह के आरोप वाली याचिका पर सुनवाई बियफे ले रोकलसि.
  • हिंदी सिनेमा के महानायक अमिताभ बच्चन “आरक्षण” फिल्म में सुपर-30 के संस्थापक कुमार आनंद से मिलत-जुलत किरदार कर के खुश बाड़े,
  • अमिताभ के कहना बा कि फिल्म “आरक्षण” के विरोध ना होखे के चाहीं.
  • केंद्रीय खेल मंत्रालय एही मानसून सत्र में राष्ट्रीय खेल विकास विधेयक संसद के पटल पर राखे जा रहल बा.
  • उत्तर प्रदेश में अमौसी हवाई अड्डा पर बुध का दिने राज्य सरकार के एगो मंत्री के बेटा का बैग से जिंदा कारतूस मिलला पर ओकरा के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • स्पिनर हरभजन सिंह आ मध्यक्रम के बल्लेबाज युवराज सिंह चोट का चलते अब एह टेस्ट श्रृंखला से बाहर हो गइल बाड़े.
  • मल्टी-ब्रांड रिटेल में प्रत्यक्ष विदेशी निवेश पर जल्दिये फैसला होखी : केंद्र सरकार.
  • चीन के शहर जियांगमेन में कुत्ता पोसे पर रोक लगावल गइल.
  • सर्वोच्च न्यायालय बुध का दिने कहलसि कि केंद्रीय शैक्षिक संस्थानम में ओबीसी खातिर आरक्षित सीट सामान्य वर्ग खातिर ना बदलल जा सके.
  • कांग्रेससफाई दिहलसि कि राजीव गांधी चैरिटेबल न्यास खातिर जमीन ग्राम पंचायत स्वेच्छा से पट्टा पर दिहले बा.
  • इंडियाफर्स्ट लाइफ इंश्योरेंस कम्पनी बुध से कैशलेस पोलिसी शुरू कर के स्वास्थ्य बीमा क्षेत्र में प्रवेश कइलसि. एकरा योजना में देश के 4,956 गो अस्पताल में इलाज करावल जा सकेला.
  • अमेरिकी के सरकारी स्वास्थ्य सेवा में धोखाधड़ी करे में 19 भारतीयन सहित 26 लोग आरोपी बनावल गइले.
  • पाकिस्तान का जेलन में बंद 250 से बेसी भारतीय मछुआरन के मुद्दा पिछला हफ्ता विदेश मंत्रियन का बातचीत में उठावल गइल रहे. कहले एस एम कृष्णा.
  • दूरसंचार कम्पनी महानगर टेलीफोन निगम लिमिटेड (एमटीएनएल) आपन मोबाइल कॉल दर ना बढ़ाई.
  • ढाका के शाहजलाल हवाई अड्डा पर एगो आदमी के एक किलो सोना के गहना आ करीब दू करोड़ टका से बेसी के विदेशी मुद्रा का साथे हिरासत में लिहल गइल.
  • उत्तर भारत में कहीं मध्यम तो कहीं छिटपुट बरखा. पिछला 24 घंटा के दौरान बिहार, उत्तर प्रदेश, झारखण्ड आ उत्तराखण्ड सहित उत्तर भारत में मध्यम-तेज बरखा भइल.
  • आईसीसी के गेंदबाज वरीयता क्रम में पिछला 18 महीनों से शीर्ष पर काबिज दक्षिण अफ्रीका के डेल स्टेन कहले बाड़न कि इंग्लैंड के जेम्स एंडरसन उनकर जगहा लेबे आ रहल लउकत बाड़े.
  • मुम्बई उच्च न्यायालय साल 2008 के मालेगांव विस्फोट मामिला के दू गो प्रमुख आरोपियों के जमानत दे दिहलसि. राष्ट्रीय जांच एजेंसी के लागल झटका.
  • केंद्रीय संस्कृति मंत्रालय के विशेष योजना से करीब 3000 लोक अउर पारम्परिक कलाकारन के वित्तीय मदद मिलल बा.
  • कलमाडी पर माकन के बयान गुमराह करे वाला : भाजपा
  • तीसरका टेस्ट में ना खेलीहे युवराज आ हरभजन.
  • लेग मैसन टेनिस : आसान जीत का साथ सोमदेव दूसरका दौर में.
  • मिस्र की राजधानी काहिरा में पूर्व राष्ट्रपति हुस्नी मुबारक सगरी आरोपन से इंकार कइले.
  • नोएडा के नयका अध्यक्ष किसानन का घरे-घरे जाके शांति बहाल करवलन.
  • गोवा में एगो अमेरिकी के नशीला पदार्थन का साथे गिरफ्तार कइल गइल.
  • इंग्लिश प्रीमियर लीग के प्रमुख क्लब मैनचेस्टर युनाइटेड में शामिल बुल्गारियाई स्टार दिमितार बेबोतोव अगिला सत्र में पेरिस सेंट जर्मेन खातिर खेल सकेले.
  • एम्स प्रवेश परीक्षा परिणाम में छेड़छाड़ का आरोप में गिरोह के सरगना समेत छह लोग गिरफ्तार.
  • बांग्लादेश अपना हिरासत लिहल उल्फा नेता अनूप चेतिया के भारत के सँउपे का तईयारी में बा.
  • जर्मन कार निर्माता कम्पनी ऑडी बुध का दिने आॡन एक्जीक्यूटिव क्लास सेडान के नयका संस्करण ए6 बाजार में उतार दिहलसि. दाम 37.7 लाख से 47 लाख रुपिया का बीच.
  • डी.वी. सदानंद गौड़ा तटीय कर्नाटक से दूसरका मुख्यमंत्री होखीहें.
  • पाकिस्तान से मुम्बई हमले से सम्बंधित लोग पर कार्रवाई करे के आ हाफिज सईद जइसन इस्लामी आतंकवादियन का खिलाफ विश्वसनीय कार्रवाई करे के बाति कहले रहली : कृष्णा.
  • केरल राज्य का तिरुवनन्तपुरम में मोनोरेल प्रणाली बनावे खातिर एनएटीपीएसी से रिपोर्ट तइयार करे के कहल गइळ.यार करने को कहा है।
  • सरकार आ विपक्ष का बीचे कवनो समझौता नइखे भइल : भाजपा.
  • शेयर बाजार में गिरावट, सेंसेक्स 169 अंक नीचे आइल.
  • मध्यप्रदेश का मुरैना में जमीन अधिग्रहण के खिलाफ किसान सड़क पर उतरले.
  • एशियाई रोड रेसिंग चैम्पियनशिप में 40 चालकन का बीच मुकाबिला.
  • जनसंघ के जमाना के संघतिया हउवे लोग येदियुरप्पा आ सदानन्द गौड़ा.
  • राष्ट्रमंडल खेल घोटाला : सीबीआई के विशेष अदालत भगोड़ा अधिकारियन के सम्पत्ति जब्त करे के आदेश दिहलसि.
  • मॉडल से टीवी प्रस्तोता बनल आदित्य बल ‘चख ले इंडिया’ शो से वापसी कर रहल बाड़े. एह शो में देश के विभिन्न हिस्सन के भुला दिहल गइल पाक विधि सिखावल जाई.
  • भारत आ म्यांमार का बीच स्वास्थ्य क्षेत्र में आपसी सहयोग बढ़ावे पर सहमति बनल.
  • तीसरे टेस्ट में ना खेलनी त निराशा होखी : टिम ब्रेस्नन.
  • राष्ट्रीय टीम में वापसी चाहत बाड़े वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम के मध्यक्रम के बल्लेबाज रामनरेश सरवन.
  • मुम्बई आ नार्वे के बम विस्फोटन में मराइल लोग के नेपाल में श्रद्धांजलि दिहल जाई.
  • पासपोर्ट मुद्दा पर बालकृष्ण से पूछताछ कइलसि सीबीआई. फर्जी दस्तावेजन का सहारे पासपोर्ट बनवावे के आरोप.
  • राजीव गांधी चैरिटेबल ट्रस्ट के आवंटित हरियाणा सरकार के जमीन मुद्दा उठवला पर राज्यसभा के कार्यवाही दू बार स्थगित भइल.
  • भारत की वोविनैम मार्शल आर्ट्स टीम वियतनाम के शहर ची मिन्ह में 26 से 31 जुलाई तक आयोजित वोविनैम विश्व चैम्पियनशिप में कुल छह गो कांस्य पदक जीतलसि.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री युसूफ रजा गिलानी अपना देश के सुरक्षा हालात पर सेना प्रमुख समिति के प्रमुख खालिद शमीम वायन से चरचा कइले.
  • मेघालय विधायकन के तनखाह पन्द्रह हजार बढ़ल, यात्रा भत्ता दस हजार घटल.
  • 2 जी मामले में फँसल स्वान टेलीकॉम के निदेशक विनोद गोयनका अपना के बेकसूर बतवले कहले कि दूर संचार मामिला शाहिद उस्मान बलवा देखत रहले.
  • प्रधानमंत्री वादा कइलन कि एयर इंडिया के कर्मचारियन के बकाया तनखाह भुगतान के कवनो रास्ता निकालल जाई.
  • सीबीआई की छापेमारी में पंजाब के एगो महिला सिपाही का आलीशान घर से लाखों रुपिया नकद, दू गो लग्जरी कार, विदेशी ब्रांड के शराब, दू गो विदेशी बंदूक आ 1200 जिंदा कारतूस मिलल.
  • उत्तर प्रदेश का सोनभद्र जिला में पुलिस एक दर्जन से बेसी मामिला में खोजात बिहार के एगो नक्सली के गिरफ्तार कइले बिया.
  • एजबेस्टन टेस्ट के टिकट खातिर जबरदस्त मांरामारी.
  • भ्रष्टाचार का चलते महँगाई : भाजपा
  • कर्नाटक के राज्यपाल हंसराज भारद्वाज भ्रष्टाचार के मामिला में येदियुरप्पा का खिलाफ कार्रवाई करे के मंजूरी दिहले.
  • ब्राजील में ओहिजा के वायुसेना के विमान गिरल. आठो सवार मरले.
  • सदानंद गौड़ा होखीहे येदियुरप्पा के उत्तराधिकारी.
  • बेल का जगहा तेंदुलकर रहतन त अंतर्राष्ट्रीय खबर बन गइल रहीत : फ्लावर.
  • पाकिस्तान में अमेरिकी राजनयिकन के इस्लामाबाद से बहरी गइला पर लागल रोक के विवाद सझुरा लिहल गइल.
  • निर्देशक नागेश कुकनूर के फिल्म ‘मोड़’ से वापसी करत अभिनेत्री आयशा टाकिया के कहना बा कि शादी का बाद कुछ दिन के छूट्टी व्यावहारिक कदम रहुवे.
  • मध्य प्रदेश के होशंगाबाद जिला के सीएमओ अशोक यादव आ स्टोर प्रभारी महेंद्र के निलम्बित कर दिहल गइल.
  • 18 हजार का नीचे गिरल सेंसेक्स.
  • इंगलैण्ड के टीम रैंकिग का माथ पर पहुँचे खातिर बेताब : ब्रॉड.
  • प्रसिद्ध टीवी कलाकार हर्षद चोपड़ा के कहना बा कि धारावाहिक ‘धरमपत्नी’ में उनुकर चरित्र मोहन गल्ला, गांधी जी तनी प्रभावित जरूर बा, ओकरा पर आधारित नइखे.
  • मूल्य वृद्धि खातिर संसद में सरकार पर जोरदार हमला कइलसि विपक्ष.
  • फ्लावर इंग्लिश खिलाड़ियन के आपन ध्यान केंद्रित राखे के सलाह दिहले.
  • पाकिस्तानी पहलवानन के वीजा देबे से आस्ट्रेलिया के इंकार.
  • फेसबुक पर एगो अइसन नया गेम ‘कर्मा किंगडम’ के शुरुआत भइल बा जवना में भगवान गणेश आ हनुमानो जी के पात्र बनावल गइल बा.
  • एसपीओ मामिला में पुनिर्विचार याचिका दायर कर सकेला केंद्र.
  • तिसरका टेस्ट में हरभजन के खेलल पक्का नइखे.
  • भारत आ पाकिस्तान का बीच इंग्लैंड में खेले जाये वाला फुटबाल मैच अब तीन गो का बदले एके गो रही.
  • गोवा में प्रदूषण विभाग से अनुमति लिहले बिना चलावल जा रहल बाड़ी सँ खदान.
  • आंध्र प्रदेश में ओडिशा का सीमा से लागल श्रीकाकुलम जिला में विद्युत संयंत्र बनावे का खिलाफ ग्रामीण जान देबे के तइयार.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के मध्यक्रम के बल्लेबाज युवराज सिंह अपना चोट लागल हाथ के लंदन में विशेषज्ञ के देखइहें.
  • केरल में सर्प नौका दौड़ के तइयारी जोर पर.प्रतियोगिता 13 अगस्त के.
  • सीएजी रपट पर ओकरा के बिना पढ़ले कवनो टिप्पणी करे से शीला दीक्षित इंकार कइली.
  • अलगाववादियों के बंद से काश्मीर घाटी में जनजीवन प्रभावित.
  • अभिनेत्री जरीन खान एकही समारोह में दू गो अलग ज्यूलरी कम्पनियन खातिर मॉडलिंग कइली.
  • मिस्र का राजधानी काहिरा में पूर्व राष्ट्रपति हुस्नी मुबारक के खिलाफ मुकदमा के सुनवाई शुरू होखे वाला बा. उनुका के सजा-ए-मौत मिल सकेला.
  • पेशेवर महिला खिलाड़ियन के मिले वाला कमाई के मामिला में अबहिया अव्वल बाड़ी रूस के शारापोवा.
  • निर्देशक नागेश कुकनूर कहत रहले कि प्रेमकहानी पर फिलिम बा बनइहे बाकिर ‘मोड़’ उनुका निर्देशन में बनल पहिला प्रेम कहानी फिल्म हवे.
  • अमेरिका दिवालिया होखे से बाचल, एएए रेटिंग बरकरार, बाकिर एह चेतावनी का साथ कि अमेरिका अबही खतरा से बाहर नइखे.
  • मध्य प्रदेश पुलिस के प्रशिक्षण में सीरियल किलर सरमन शिवहरे के आपराधिक रिकॉर्ड पढ़ावल जाई. ऊ अबही ले 20 गो हत्या कर चुकल बा आ दुसरका हाली गिरफ्त में आइल बा.
  • डॉमिनिकन गणराज्य में एगो खोजी पत्रकार के अपहरण का बाद हत्या.
  • रामविलास पासवान के बेटा आ अभिनेता चिराग पासवान बाद में राजनीतिए में जइहे.
  • कोलकाता के एमराल्ड ग्रुप ऑफ कम्पनीज मध्य प्रदेश में दू गो परियोजना में 1085 करोड़ रुपये के निवेश करी.
  • बिहार के जदयू विधायक जितेंद्र कुमार के जान से मारे के धमकी दे के 10 लाख रुपिया रंगदारी मांगल गइल बा.
  • फेसबुक आईपैड आ एप्पल खातिर ई बुक प्रकाशित करे वाली तकनीक बनावे वाली एगो डिजिटल प्रकाशन कम्पनी, पुश पॉप प्रेस के खरीद लिहलसि.
  • जिम्बाब्वे एकादश से अभ्यास मैच में हरला का बाद बांग्लादेशी क्रिकेट टीम के कप्तान शाकिब अल हसन कहले बाड़न कि बियफे से शुरु होखे वाला एकमात्र टेस्ट मैच में ऊ मेजबान टीम के हलुका ना समुझीहे.
  • उत्तर प्रदेश के फैजाबाद जिले में बुध का दिने दू गो सर्राफा कारोबारियन के गोली मारके हत्या भइला से खिसियाइल लोग रोडवेज का बसन में तोड़फोड़ कइल आ एगो के आग लगा दिहल.
  • 9/11 का बरखी आ दोसरा कार्यक्रमन में शामिल होंखीहे ओबामा, मिशेल.
  • संयुक्त राष्ट्र महासचिव बान की-मून छह अगस्त के जापान का भूकम्प प्रभावित इलाकन के दौरा करीहे.
  • पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड जिम्बाब्वे दौरा से पहिले इंतिखाब आलम के टीम मैनेजर पद से हटा दिहलसि.
  • गायिका-अभिनेत्री जेनिफर लोपेज आपन बियाह तिसरको हाली टूटला का बादो प्यार के लेके आशावादी बाड़ी.
  • बिहार के १८ जिलन में सूखा पड़े के अनेसा. सरकार सूखा से निपटे का तइयारी में.
  • सर्वोच्च न्यायालय आ उच्च न्यायालयन में 57179 मामिला लटकल बा. सलमान खुर्शीद.
  • काला बिल्ला लगाके काम करीहे डीडी न्यूज के कर्मचारी. पिछला तीन साल से वेतन में बढ़ोतरी ना भइला से नाराज बाड़े.
  • ओडिशा में ठनका गिरला से मरे वालन के संख्या 24 भइल.
  • ममता बनर्जी कोलकाता के लंदन जइसन बनावे के वादा पूरा करे खातिर गंगा तट सौंदर्यीकरण परियोजना के शुरुआत कइली.
  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन के जांच करत संयुक्त संसदीय समिति के अध्यक्ष पी.सी. चाको विवादास्पद हस्तांतरण नीति खातिर तब के प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जिम्मेदार ठहरवलन.
  • कर्नाटक में ‘गुप्त मतदान’ से मुख्यमंत्री के चुनाव हो सकेला.
  • एमबीबीएस में 4500 सीटे बढ़ल, स्नातकोत्तर में 6,400 सीट के इजाफा : गुलाम नबी आजाद.
  • प्रधानमंत्री पत्रकार आ सांसद इंदरजीत के निधन पर संवेदना जतवले.
  • ओबीसी छात्रने के मिलत अतिरिक्त 10 फीसदी वरीयता से भ्रम होला काहे कि कट ऑफ कॉलेज कॉलेज आ कोर्स कोर्स खातिर अलग होला. एहसे दाखिला के मापदण्ड पहिले से तय करे के निर्देश दिहलस सुप्रीम कोर्ट.
  • डा॰ सुरजीत मित्रा अल्पसंख्यक कार्य मंत्रालय में सचिव बनले.
  • दक्षिण आस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री माइक रान का नेतृत्व में एगो शिष्टमंडल केंद्रीय खान राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) दिनशा पटेल से भेंट कर के भूगर्भ आ खनिज संसाधन के क्षेत्र में आपसी सहयोग बढ़ावे पर विचार कइलस.
  • चीन के पहिला विमानवाही पोत बन के तइयार होखे वाला बा.
  • दिल्ली पुलिस अन्ना हजारे के जंतर मंतर पर अनशन के अनुमति ना दिहलसि.
  • भारत में टीकाकरण के दायरा आ गुणवत्ता बढ़ावे में कईगो नपहल से सहायता मिलल आ पोलियो का रोकथाम में प्रगति भइल. केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री.
  • जम्मू में मंगल का दिने एगो पाकिस्तानी लड़िका के पकड़ के सेना पुलिस के सँउपलसि.
  • नार्वे में हमले कर के 77 लोग के जान लेबे वाला आंद्रेस बीहरिंग ब्रेविक सरकार से इस्तीफा मँगलसि.
  • पितृत्व मामिला में एन डी तिवारी के याचिका पर अदालत के फैसला सुरक्षित.
  • भ्रष्टाचार का आरोप में जेल में बंद कांग्रेस सांसद सुरेश कलमाडी के राष्ट्रमंडल खेल आयोजन समिति के अध्यक्ष बनावे के लेके सरकार आ विपक्ष में बतकही.
  • इग्नू में भारतीय सांख्यिकीय सेवा के कर्मियन खातिर प्रशिक्षण कार्यक्रम आयोजित भइल.
  • रायसेन बस हादसा में मरे वालन के गिनती 20 भइल, जांच के आदेश.
  • अन्ना हजारे सांसदन के खुला पत्र लिखके ‘गरीब विरोधी’ लोकपाल विधेयक पारित ना करावे के अपील कइलन.
  • रियल एस्टेट कारोबार वाली बड़हन कम्पनी डीएलएफ के मौजूदा साल के पहली तिमाही में पिछला साल से ५५ फीसदी कम मुनाफा.
  • महंगाई पर मतदान वाला नियम का तहत विचार करे पर मान गइल मनमोहन सरकार.
  • विहिप के दिल्ली युवा इकाई के कार्यकर्ता पाकिस्तान का सीमा से सटल पुंछ के पुरातन मंदिर के सालाना यात्रा खातिर चार अगस्त के रवाना होइहें.
  • तमिलनाडु के संयुक्त मेडिकल प्रवेश परीक्षा से अलग राखल जाव : जयललिता.
  • केजी बेसिन से गैस उत्पादन 31 फीसदी घटल.
  • राष्ट्रीय अल्पसंख्यक आयोग जनता पार्टी के अध्यक्ष सुब्रह्मण्यम स्वामी का खिलाफ मामला दर्ज कराई काहे कि स्वामी मुसलमानन के मताधिकार से वंचित करे के सुझाव दिहले बाड़न.
  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाला में डाटाकॉम अउर टाटा टेलीसर्विसेज के भूमिका छुपावे का कोशिश में बिया सीबीआई : बलवा.
  • लखनऊ में मंगल का दिने दू गो हथियारबंद मोटरसाइकिल सवार पंजाब नेशनल बैंक के एटीएम वैन से 17 लाख रुपिया लूट के फरार.
  • सीरिया में सरकार विरोधी प्रदर्शनकारियों का खिलाफ सेना के कार्रवाई में रमजान का पहिला दिन 24 लोग मारल गइल.
  • सरे का तरफ से काउंटी क्रिकेट में खेलीहे भारतीय क्रिकेट टीम के बाएं हाथ के स्पिनर प्रज्ञान ओझा.
  • पहिलका स्वदेशी युद्धपोत दिसम्बर में समुद्र में उतार दिहल जाई : एंटनी.
  • भोपाल गैस कांड मामिला में मध्य प्रदेश सरकार के पुनरीक्षण याचिका पर भोपाल के सत्र न्यायाधीश केंद्रीय जांच ब्यूरो आ सात गो आरोपियन के नोटिस जारी कइले. सुनवाई 20 अगस्त के.
  • ओडिशा में ठनका गिरला से 17 लोग ले मौत.
  • आजु उत्तर प्रदेश, बिहार में हो सकेला भारी बरखा.
  • सरकार कहलसि कि कलमाडी के नियुक्ति राजग सरकार कइलसि.
  • प्रधानमंत्री ने 3 गो पूर्व खेल मंत्रियन के सलाह नजरअंदाज कइले रहन कलमाडी खातिर : भाजपा.
  • आधा अधूरा तइयारी आ मन से इंग्लैंड गइल भारतीय टीम : गांगुली.
  • खाद्य प्रसंस्करण इकाई लगावे वालन के आर्थिक मदद दी केन्द्र सरकार : महंत.
  • देश में चीनी के दाम ना घटे एह खातिर चीनी निर्यात के सीमा बढ़वलसि केन्द्र सरकार.
  • राष्ट्रीय स्नूकर : अग्रवाल आ अहमद तीसरा दौर में.
  • लोकसभा में बियफे के पेश होखी लोकपाल विधेयक.
  • जापान परमाणु संयंत्र से बहुते बेसी हो रहल बा विकिरण के रिसाव.
  • ‘पश्चिमी दुष्प्रचार’ का खिलाफ भारत से मदद मँगलसि सीरिया.
  • मप्र में गैर सरकारी संस्थावन के मिल सकी जमीन. भूमि आवंटन नीति के मंजूरी. उद्योग स्थापित ना कइला पर वापस ले लिहल जाई.
  • बोथनिया की खाड़ी में स्वीडन के एगो व्यापारी जहाज के मलवा खोजे का दौरान उड़न तश्तरी मिले के दावा.
  • टाटा मोटर्स एरिया 4एक्स2 बाजार में उतरलसि.
  • आदर्श हाउसिंग सोसाइटी घोटाला में महाराष्ट्र के उद्योग मंत्री नारायण राणे के नाम अइला का बाद उनुका के हटावे के मांग कइलसि शिवसेना.
  • वाहन निर्माता कम्पनी टाटा मोटर्स नैनो कार ला एगो सहायक संयत्र विदेश में लगावल चाहत बिया.
  • लोकमान्य बाल गंगाधर तिलक के निधन का 91 साल बाद अब स्मारक बनावे के योजना.
  • दिल्ली मेट्रो में सोमार का दिने 18 लाख से अधिक यात्रियन के रिकार्ड बनल.
  • संसद में महंगाई पर चर्चा खातिर सरकार तइयार : बंसल.
  • राष्ट्रमंडल खेल घोटाला : 3 आरोपियन के अग्रिम जमानत याचिका नामंजूर. तीनों अधिकारी फिलहाल फरार बाड़े सँ.
  • पिछले हफ्ता सोपोर में पुलिस हिरासत में एगो युवक के मौत का बाद ओकरा परिजन से भेट कर गइल पीडीपी नेता लोगन पर पथराव भइल.
  • बांग्लादेश का तरह खेललसि भारतीय क्रिकेट टीम : बायकॉट.
  • लोकायुक्त का रिपोर्ट का खिलाफ येदियुरप्पा अदालत चहुँपले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up