टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 10 अगस्त, बुध

by | Aug 10, 2011 | 0 comments

आजु के खास खबर

  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम एजबेस्टन के काउंटी क्लब मैदान पर भारत का साथ आजु शुरू तीसरा टेस्ट मैच में टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी करे के फैसला लिहलसि.
  • संसद के दुनु सदन में आजु तिसरको दिने विपक्ष काम ना होखे दिहलसि. आजु के हंगामा काल्हु दिल्ली में भाजपा युवामोर्चा पर पुलिस के लाठि चार्ज चलते भइल.
  • मुरादाबाद दंगा में पुलिस अधिकारियन समेत 13 जने घवाहिल.
  • भारत का साथे रिश्ता के नया दौर शुरु करल चाहत बावे पाकिस्तान. ई बाति पाकिस्तान के विदेश मंत्री हिना रब्बानी ओहिजा के संसद में कहले बाड़ी.
  • मुख्यमंत्री मायावती के सुरक्षा खातिर छब्बीस करोड़ तैंतीस लाख रुपिया खरच कर के नया गाड़ियन के खरीदे के अनुपूरक माँग काल्हु विधानसभा में वित्त मंत्री लालजी वर्मा रखले.
  • ब्रिटेन की राजधानी लंदन से शुरू भइल दंगा के लहोक मंगल का दिने बर्मिघम ले चहुँप गइल बाकिर ओहिजा होखे जा रहल तिसरका टेस्ट पर ओकर से कवनो बाधा ना आई आ मैच निर्धारित समय से खेलल जाई.

बिहार

  • बिहार के अररिया जिला के भरगांवा थाना में बुध का फजीरे एगो आदमी के गाँव वाले पीट के मुआ दिहले. ओह आदमी पर चोर होखे के शक रहल. पुलिस एह मामिला में दू गो केस दर्ज कइले बिया.
  • पटना स्थित संस्थान सुपर-30 के संस्थापक आ गणितज्ञ आनंद कुमार के कहना बा कि आईआईटी का प्रवेश परीक्षा में गरीब छात्रन के दू बेर का जगहा तीन बेर मौका देबे के चाही.
  • बिहार के बेगूसराय रेलवे स्टेशन पर बुध का दिने सेना के एगो जवान के एगो औरत का साथ छेड़खानी करे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • इन्दिरा आवास खातिर केन्द्र से मिलल धन में से एक हजार सात सौ करोड़ रुपिया के इस्तेमाले ना कइलसि बिहार सरकार. ई बात उपेन्द्र कुशवाहा के सवाल का जबाब में केन्द्र के ग्रामीण विकास राज्यमंत्री प्रदीप जैन आदित्य राज्यसभा में बतवले.
  • पिछला साल के नौ करोड़ तिरपन लाख टन चावल का जगहा एह साल दस करोड़ बीस लाख टन चावल के पैदा होखे के उमेद कइल जात बा, कहले शरद पवार.
  • दरभंगा जिला के सोवन गाँव का लगे राष्ट्रीय राजमार्ग संतावन पर दी गो वाहन टकरइला से दू जने के मौत आ पाँच जने घवाहिल होके दरभंगा मेडिकल अस्पताल में भरती.
  • राजस्व आ भूमि सुधार मंत्री रमई राम के पत्नी तेतरी देवी के काल्हु सबेरे निधन हो गइल. अंतिम संस्कार आजु मुजफ्फरपुर में करावल जाई.

यूपी

  • उत्तर प्रदेश का संत कबीर नगर जिला में बुध का दिने एगो टैंकर सड़क किनारे खड़ा लोग के कचार दिहलसि जवना में चार जने के मौत हो गइल आ पाँच लोग घवाहिल हो गइल.
  • मुरादाबाद दंगा में पुलिस अधिकारियन समेत 13 जने घवाहिल.
    मुरादाबाद, 10 अगस्त (आईएएनएस). मुरादाबाद जिला में दू समुदाय का बीचे भइल झगड़ा में पुलिस अधिकारियन समेत 13 लोग घवाहिल हो गइल बा. जिला के छह गो थाना इलाका में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा. मुरादाबाद के जिलाधिकारी समीर वर्मा बतवले कि, “हिंसा का चलते जिला प्रशासन ने काल्हु देर रात शहर के कठगर, कोतवाली, गुलशहीद, मौला, नागफनी आ मुगलपुरा थाना इलाकन में कर्फ्यू लगा दिहले बावे.”
    जिला के दसराय इलाका में मंगल के देर रात दू समुदाय के लोगन का बीच भइल कहासुनी देखते देखत मार पीट में बदल गइल आ शहर के कई हिस्सा में पसर गइल. दंगाई एगो पुलिस चौकी, कई गो गाड़ियन आ दुकानन के आग का हवाले कर दिहले आ एक दोसरा पर पथराव आ गोलीबारी कइले. हालात पर काबू करे चहुँपल पुलिसो के उपद्रवी निशाना बना लिहले. झगड़ा तब शुरू भइल जब एगो समुदाय कांवड़ियन के जाये वाला रास्ता रोक दिहलसि.
    मुरादाबाद परिक्षेत्र के पुलिस महानिरीक्षक (आईजी) एम.के.बशाल के कहना बा कि, “फिलहाल हालात तनाव से भरल बा बाकिर काबू में बा.अगलो बगल का जिला से पुलिस बोला लिहल गइल बा.”
  • मुजफ्फरनगर के एगो पंचायत ने सगोत्री बिआह करे वाला जोड़ी के छँटुआ घोषित कर दिहले बा. प्रेमी लड़िका के परिवार वालन के घर से बाहर निकले, लड़िकन के स्कूल जाये, सरकारी नल से पानी पीए पर रोक लगा दिहल गइल बा आ प्रेमी जोड़ी के गाँवे लवटला पर मौत के फरमान जारी कइले बिया पंचायत.
  • उत्तर प्रदेश चित्रकूट में राजापुर थाना के गनीवां गांव में मंगल का दुपहरिया एगो मकान के दीवार ढहला से दू गो लड़ीकन के मौत हो गइल आ चार जने गम्हीराहे घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • मुख्यमंत्री मायावती के सुरक्षा खातिर छब्बीस करोड़ तैंतीस लाख रुपिया खरच कर के नया गाड़ियन के खरीदे के अनुपूरक माँग काल्हु विधानसभा में वित्त मंत्री लालजी वर्मा रखले.
  • लखनऊ में मेट्रो रेल सेवा शुरू करावल जाई. अकरा खातिर 12671करोड़ रुपिया के माँग विधानसभा में पेश. लखनऊ एयरपोर्ट से मुंशि पुलिया ले, रेलवे स्टेशन से बसंत कुंज ले, आ गोमती नगर लिंक इन्दिरा नगर से पत्रकारपुरम ले मेट्रो रेल चलावे के योजना.
  • कैग के आरोप बा कि यूपी में केन्द्र का तरफ से भेजल गइल पौने चौदह हजार करोड़ रुपिया के खरच पर कवनो निगरानी नइखे राखल गइल.
  • मिर्जापुर से बनारस ले गंगा के पानी में कमी हो रहल बा बाकिर बलिया में गंगा आ घाघरा दुनु के पानी बढ़ल जात बा. पूरा प्रदेश में काल्हु मानसून के बरखा जम भइल.

देश

  • कर्नाटक लोकायुक्त पुलिस बुध का दिने पूर्व मुख्यमंत्री बी.एस. येदियुरप्पा का खिलाफ भ्रष्टाचार निवारण अधिनियम के तहत एगो सिंचाई परियोजना में निर्माण ठेका देबे में भइल भठियरपन खातिर एगो केस दर्ज करवलसि.
  • कांग्रेस बुध का दिने अन्ना हजारे के चुनौती देत कहलसि कि ऊ आ उनुकर टीम अगिला आम चुनाव लड़ लेव आ जीत के आ के संसद में लोकपाल विधेयक के आपन मसौदा पारित करवा लेव लोग.
  • भाजपा अपना युवा मोर्चा के प्रदर्शन पर पुलिस के लाठी चार्ज से नाराज हो के केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम के इस्तीफे मँगले बिया त एह पर कांग्रेस चुटकी लेत कहले बिया कि लागत बा कि भाजपा के इस्तीफा मांगे के लत पड़ गइल बा.
  • देशभर में मानसून सक्रिय रहल. राजधानी दिल्लीओ में बरखा के फुहार पड़ल जेहसे मौसम खुशगवार हो गइल.
  • केंद्र सरकार साल 2001 में संसद पर आतंकवादी हमला के दोषी अफजल गुरु के दया याचिका फैसला खातिर राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल का लगे जुलाईये में भेज दिहले बिया. अब फैसला राष्ट्रपति के लेबे के बा.
  • छोटकी पत्रिकन के बड़का पुस्तकालय.कोलकाता के प्रतिष्ठित ‘नेशनल लाइब्रेरी’ में छोटकी पत्रिकन के खराब रखरखाव का खिलाफ एगो आदमी मुहिम चला के अइसन काम कर देखवलसि कि 60,000 से अधिका पत्रिकन के समृद्ध संग्रह का साथ एगो अद्भुत पुस्तकालय बन गइल.
  • वाम दल आरोप लगवले बाड़न कि भाजपा अउर कांग्रेस भठियरपन आ महँगाई पर चरचा रोके खातिर हाथ मिला लिहले बाड़न आ एहीसे संसद के काम करे नइखे दिहल जात. संसदीय मामिलन के केंद्रीय मंत्री पवन कुमार बंसल संसद के कार्यवाही बाधित होखे के ‘दुखद आ चिंताजनक’ बतवले बाड़े.
  • अरुणाचल प्रदेश में रणनीतिक कारण से तीन गो रेल मार्ग बिछावे के केन्द्र के विशाल योजना ओहिजा के स्थानीय विधायकन आ नेतवन के नीक नइखे लागत. कहत बा लोग कि रेल से पहिले सड़क बनावल जाव आ जनता के आर्थिक कल्याण पर ध्यान दिहल जाव.
  • नेपाल खातिर नियुक्त भारतीय राजदूत जयंत प्रसाद काठमांडू नइखन पहुंचल. नेपाली विदेश मंत्रालय के मालूमो नइखे कि ऊ कहिया पदभार ग्रहण करीहे.
  • महाराष्ट्र का पुणे में पुलिस गोलीबारी में किसानन के मौत का विरोध में विपक्षी दल महाराष्ट्र सरकार के बर्खास्तगी के मांग करत बुध का दिने विधान सभा में प्रदर्शन कइले.
  • मध्यप्रदेश में हरदम से बेसी बरखा का चलते सगरी नदी उफनाइल बाड़ी सँ आ अबले ओहिजा 54 लोग के मौत हो चुकल बा.
  • दिल्ली के पुलिस प्रमुख बी. के. गुप्ता आजु बुध का दिने केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम से भेंट कइले बाकिर एह मुलाकात में काल्हु दिल्ली में भाजपा के युवा इकाई पर भइल लाठी चार्ज के कवनो चरचा तक ना भइल. काल्हु के लाठीचार्ज के बर्बर बतावत भाजपा आजु संसद के कवनो सदन ना चले दिहलसि आ चिदम्बरम के इस्तीफा मँगले बिया. लालकृष्ण आडवाणी एही बात खातिर प्रणव मुखर्जी से भेंट कर के गृहमंत्री का खिलाफ ओरहन दिहले.
  • हिमाचल प्रदेश में बुध का फजीरे सवारियन से भरल एगो मिनी बस नदी में गिर गइल जवना से कई सवारी डूब के मर गइले. अबही ले चार गो लाश मिलल बा. बाकी लाश के तलाश जारी बा. मिनी बस में पन्द्रह आदमी रहल बतावत गइल बा.
  • संसद के स्थाई समिति से आजु मिले जाई अन्ना हजारे के टीम.
    नई दिल्ली, 10 अगस्त (आईएएनएस)। गांधीवादी सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे का नेतृत्व में उनुकर टीम आजु साँझ संसद के स्थाई समिति से भेंट करी. समिति ओह लोग के बेमन से बोलहटा भेजले रहुवे.
    अन्ना हजारे की टीमो मिले त जात बिया बाकिर अरविंद केजरीवाल के कहना बा कि, “स्थाई समिति के साथ आजु के बईठक देखावा भर बा काहे कि संसद में सरकार जवन विधेयक पेश कइले बिया ओकरा पर बतियवला के कवनो मतलब नइखे. एह बिल से संसद के समय के बरबादी भर होई.”
    लोकपाल विधेयक चार अगस्त के लोकसभा में पेश कइल गइल आ ओकरा के कांग्रेस नेता अभिषेक मनु सिंघवी के अध्यक्षता वाली कानून एवं न्याय, कार्मिक एवं लोक शिकायत समिति का लगे भेज दिहल गइल. बाकिर समिति अन्ना हजारे के टीम के कई खास सुझाव दरकिनार कर दिहलसि.
    बईठक खातिर दिल्ली पहुंचल अन्ना हजारे कहले बाड़न कि लोकपाल विधेयक के सरकारी मसौदा ढकोसला भर बावे. सरकार के इरादा भ्रष्टाचार से लड़े के हइये नइखे.
  • सर्वोच्च न्यायालय लाल किले पर हमला करे के दोषी लश्कर-ए-तैयबा के आतंकवादी मोहम्मद आरिफ उर्फ अशफाक के फांसी के सजा बुध का दिने बरकरार रखलसि.
  • महाराष्ट्र अउर तमिलनाडु के राज्यपाल रहल पी. सी. अलेक्जेंडर के 90 साल का उमिर में आजु बुध का सबेरे चेन्नई में निधन हो गइल.
  • आंध्र प्रदेश के तेलंगाना क्षेत्र में एगो छात्र संगठन के बोलावल बंद से जनजीवन पर असर पड़ल बा. छात्र संगठन पुलिस विभाग में स्थानीय लोग के नौकरी देबे के मांग करत बा.
  • राज्यसभा के कार्यवाही बियफे 11 बजे ले टार दिहल गइल. मंगल के भाजपा के युवा कार्यकर्तन पर पुलिस के लाठी चार्ज का खिलाफ संसद में बवाल का चलते अइसन करे के पड़ल.
  • मध्य प्रदेश के झाबुआ आ सीहोर जिला में संयुक्त राष्ट्र संगठन का सहयोग से महिला सशक्तीकरण कार्यक्रम चलावल जाये खातिर यूएन वीमेन आ मध्य प्रदेश सरकार का बीचे करार भइल बा.
  • चीनो का राजनीति में औरतन के भागीदारी में बढ़ोतरी हो रहल बा. साल 2000 में राष्ट्रीय राजनीति में औरतन के हिस्सेदारी 59.8 फीसदी रहल जबकि साल 2010 में ई बढ़ के 86.2 फीसदी हो गइल बा.
  • आंध्र प्रदेश सरकार ‘भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (माओवादी)’ आ एकरा छह गो अग्रिम संगठनन पर पाबंदी एक साल अउरी बढ़ा दिहल गइल.
  • मुम्बई में एह साल 10 दिनों ले चले वाला गणेश पूजा महोत्सव में आयोजकन के पकिया कर लेबे के पड़ी कि पूजा पंडाल का भीतर केहू सिगरेट तंबाकू के सेवन ना करे.
  • केन्द्र सरकार जानकारी दिहले बिया के पाकिस्तान के कुल 360 गो कैदी आ 18 गो मछुआरा भारत का जेलन में बंद बाड़े.
  • भारत के नियंत्रक अउर महालेखा परीक्षक (सीएजी) आदर्श आवासीय घोटाला में सेना आ सरकार के माथ अधिकारियन पर अंगूरी उठवले बाड़े.
  • पिछले वर्ष दवाईयन का परीक्षण में 22 लोग के मौत हो गइल. ओह लोग के परिवार वालन के मुआवजा दे दिहल गइल बा. ई जानकारी केंद्रीय स्वास्थ मंत्री गुलाम नबी आजाद दिहले.
  • महाराष्ट्र के पुणे जिला में पुलिस गोलाबारी से एगो औरत समेत चार लोग के मौत हो गइल. ऊ लोग भूमि अधिग्रहण का मामिला में सड़क जाम कइले रहे.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह का व्यस्तता का चलते आगामी राष्ट्रमंडल सम्मेलन में भाग लेबे आस्ट्रेलिया ना जा पइहे.
  • उप राष्ट्रपति हामिद अंसारी अक्टूबर में ब्रिटेन के पुरनका उपनिवेशन का सम्मेलन में भारत के प्रतिनिधित्व करे जइहे.
  • पिछला छह महीना में नक्सल प्रभावित राज्यन में हिंसा के घटना जम्मू कश्मीर अउर पूर्वोत्तर के राज्य का मुकाबिले बेसी भइला के जानकारी सरकार संसद में दिहलसि.
  • भूमि अधिग्रहण का खिलाफ किसान आन्दोलन का चलते डेराइल मध्यप्रदेश सरकार 20 साल पहिले सतना जिला में टोंस जल विद्युत परियोजना खातित 32 गांव के किसानन से अधिगृहीत 885 हेक्टेयर जमीन लवटावे के फैसला कइले बिया आ बराज के ऊंचाई अउरी दू मीटर बढ़ावे के योजना छोड़ दिहले बिया.
  • कर्नाटक के लोकायुक्त वी. शिवराज पाटील कहले कि ऊ जल्दिये खनन घोटाला मामिला में राज्यपाल के अनुशंसा का हिसाब से पूर्व मुख्यमंत्री बी. एस. येदियुरप्पा का खिलाफ कार्रवाई करीहें.

दुनिया

  • सीरिया में प्रदर्शनकारियों का खिलाफ कार्रवाई के दायरा बढ़ावत फौज टैंक लेके टर्की सीमा के नियरा दू गो पश्चिमोत्तर शहरन में दाखिल हो गइल.
  • चीन अपना मित्र देश पाकिस्तान खातिर ‘उचित समय’ पर संचार उपग्रह प्रक्षेपित करी.
  • तिब्बती आध्यात्मिक गुरु दलाई लामा ने कहले बाड़न कि लंदन के दंगा से उनुका बहुते दुख पहुंचल बा. कहलन कि अइसन घटना के उमेद ब्रिटेन में ना रहे.
  • उत्तर आ दक्षिण कोरिया का बीचे बुध का दिने समुद्र किनारे तोप से गोलाबारी भइल. शुरूआत उत्तर कोरिया कइलस त जबाब दक्षिण कोरिया दिहलसि.
  • चीन के पहिलका विमानवाहक पोत बन के तइयार हो गइल बा आ अब ओकर परीक्षण चीन के उत्तरपूर्वी प्रांत लियाओनिंग में बनल शिपयार्ड से कइल जाई.
  • अफगानिस्तान के फराह प्रांत में तालिबान आतंकवादी चार आदमी के मूड़ी काट के हत्या कर दिहले बाड़न सँ.
  • ब्रिटेन में जारी दंगा के आग से ओहिजा के एगो गुरुद्वारे के बचावे खातिर 100 से अधिका सिख लाठी भा लोहा के छड़ लिहले सड़क पर गश्त लगवले.
  • ब्रिटेन में हिंसा के बीच दंगाई अपना साथियन के लूटपाट के निर्देश देबे खातिर ब्लैकबेरी के इस्तेमाल करत बाड़े. एह बीच ब्लैकबेरी के निर्माता कम्पनी रिसर्च इन मोशन (आरआईएम) ब्रिटिश अधिकारियन से सहयोग के वादा कइले बिया.
  • पाकिस्तान के उत्तर-पश्चिमी कबायली इलाका में बुध के भइल एगो अमेरिकी ड्रोन हमला में 16 लोग के जान चल गइल बा.
  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद यमन में खराब सुरक्षा हालात का बीच बिगड़त आर्थिक आ मानवीय हालात पर गम्भीर चिंता जतवले बावे.
  • भारत का साथे रिश्ता के नय दौर शुरु करल चाहत बावे पाकिस्तान. ई बाति पाकिस्तान के विदेश मंत्री हिना रब्बानी ओहिजा के संसद में कहले बाड़ी.

व्यापार व्यवसाय

  • विमानन कम्पनियन के अंतर्राष्ट्रीय नेटवर्क ‘स्टार एलायंस’ में सदस्यता खातिर एयर इंडिया के सामने राखल नया शर्त केन्द्र सरकार के मंजूर नइखे.
  • सार्वजनिक क्षेत्र की कम्पनी रूरल इलेक्ट्रिफिकेशन कॉरपोरेशन के शुद्ध लाभ में मौजूदा कारोबारी साल का पहिला तिमाही में 12.70 फीसदी के बढ़ोतरी भइल.
  • देश की प्रमुख दूरसंचार कम्पनी रिलायंस कम्युनिकेशंस सीबीआई के विशेष अदालत में कहलसि कि स्पेक्ट्रम लाइसेंस मिलत घरी स्वान टेलीकॉम में ओकर हिस्सेदारी निर्धारित सीमा के भीतर रहल.
  • सार्वजनिक क्षेत्र की जलविद्युत कम्पनी एनएचपीसी के मौजूदा कारोबारी साल का पहिला तिमाही के शुद्ध लाभ में 47.19 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा.
  • ब्रिटेन में शनिचर से होत आगजनी आ लूटपाट का चलते भइल नुकसान का भरपाई में बीमा कम्पनियन के 20 करोड़ पाउंड के रकम बीमा भुगतान करे के पड़ सकेला.
  • भारत फोर्ज के मुनाफा एह साल का पहिला तिमाही में पिछला साल के पहिला तिमाही से 64 फीसदी बेसी रहल आ 97.4 करोड़ रुपिया दर्ज कइल गइल.
  • सिटीग्रुप के भारतीय मूल के अमेरिकी मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ), विक्रम पंडित के कहना बा कि कम्पनी के शेयर मूल्य में गिरावट का बावजूद बैंक के सेहत साल 2008 के मंदी के पहिले से बेसी नीमन बा.
  • अमेरिका के केंद्रीय बैंक ब्याज दर के अबहिये का निचला दर पर बनवले राखे के घोषणा का बाद अमेरिकी शेयर बाजारन में आइल तेजी के असर बुध का दिने एशिया के शेयर बाजारन में देखे के मिलल. भारतो के शेयर बाजार में तेजी देखल जा रहल बा.
  • निष्क्रय कर्मचारी भविष्य निधि खाता बंद करे के कवनो प्रस्ताव सरकार का सोझा नइखे. बाकिर अबकी पहली अप्रैल, 2011 से कवनो निष्क्रीय खाता में ब्याज ना दिहल जाई.
  • आर्थिक अनिश्चिता आ शेयर बाजार में भारी उथल-पुथल का बीच काल्हु सोना के दाम काल्हु मंगल का दिने अबले के सबसे ऊँच दाम 26,198 रुपये प्रति 10 ग्राम तक पहुँच गइल.

मनोरंजन

  • अभिनेता संजय दत्त के उमेद बा कि गैरकानूनी असलहा राखे के आरोप में उनुका पर चलत मुकदमा जल्दिये खतम हो जाई आ उनुका के निर्दोष घोषित कर दिहल जाई.
  • फिल्म ‘आरक्षण’ में मुख्य भूमिका निभावे वाला अभिनेता सैफ अली खान के कहना बा कि लोग के आपन-आपन राजनीति बा जवना चलते एह फिल्म पर बतकूच्चन हो रहल बा. फिल्म के विषय शैक्षिक संस्थानन में जाति आधारित ‘आरक्षण’ बावे.
  • शूटिंग खातिर ब्रिटेन गइल फिल्मकार कुणाल कोहली अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा आ अभिनेता शाहिद कपूर आ पूरा टीम का साथे ओहिजा होत दंगन से अप्रभावित आ सुरक्षित बाड़े.
  • फिल्म ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ में रॉक स्टार की भूमिका निभाके अपना प्रशंसकन का दिल पर छा जाये के तइयार अभिनेत्री कैटरीना कैफ परदा का पीछहू संगीत के स्वर साधत बाड़ी आ पाकिस्तानी अभिनेता-संगीतकार अली जफर के आपन गुरु बनवले बाड़ी.
  • प्रख्यात संगीतज्ञ, बड़हिया घराना के शास्त्रीय गायक पंडित श्याम दास मिश्र के निधन मंगल के देर रात पटना के कंकड़बाग में एगोनिजी अस्पताल में हो गइल. ऊ करीब 70 साल के रहले. पंडिते जी के रचल हवे “ये है मेरा बिहार” गीत.
  • सोनी टीवी के लोकप्रिय गेम शो ‘कौन बनेगा करोड़पति’ (केबीसी) छोटका परदा पर नया अवतार में लवटे खातिर तइयार बा. एकर प्रसारण 15 अगस्त से कइल जाई. वइसे एकर भोजपुरी आ बांगला संस्करण महुआ टीवी के भोजपुरी आ बांगला चैनलो पर चल रहल बा. भोजपुरी में के बनी करोड़पति के एंकर बाड़े शत्रुघ्न सिन्हा. सोनी पर देखावल जाये वाला कौन बनेगा करोड़पति के ई पाँचवा संस्करण होई आ एकर एंकरिंग के जिम्मा फेर अमिताभ बच्चन के दिआइल बा.
  • बॉलीवुड तारिका प्रीति जिंटा अपना नयका चैट शो के शूटिंग शुरू कर दिहले बाड़ी. एह शो के पहिला मेहमान बनल बाड़े अक्षय कुमार.
  • ‘ब्रोकन सिटी’ में अभिनय करीहे अभिनेता रसेल क्रो. एलेन ह्यूजेज के एह फिल्म में उनुका साथ मार्क वालबर्गो अभिनय करीहे.

खेल

  • सर्वोच्च वरीयता वाली भारत के महिला बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल एकल वर्ग आ ज्वाला गुट्टा अउर वी. दीजू के जोड़ी मिश्रित युगल मुकाबला के तीसरा दौर में जगह बना लिहले बा लोग.
  • आपन 100वां एकदिना खेलत तेज गेंदबाज मिशेल जानसन (31/6) का बेहतरीन सर्वश्रेष्ठ गेंदबाजी का सहारे आस्ट्रेलिया क्रिकेट टीम पालेकेले अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में बुध का दिने श्रीलंका के महज 191 रन पर समेट दिहलिस.
  • कोलम्बिया के फुटबाल टीम के कोच हरनान डोरियो गोमेज इस्तीफा दे दिहले बाड़े.
  • अखिल भारतीय फुटबाल महासंघ (एआईएफएफ) अपना युवा विकास कार्यक्रम के मुख्य कोच कोल्म टोएल के कार्यकाल 2013 तक बढ़ा दिहले बिया.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम एजबेस्टन के काउंटी क्लब मैदान पर भारत का साथ आजु शुरू तीसरा टेस्ट मैच में टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी करे के फैसला लिहलसि.
  • अइसनका दंगा भारत में भइल रहीत त इंग्लिश टीम घबरा के घरे लवटे खातिर बेचैन हो गइल रहीत : लंदन समेत कई शहरन में होत दंगा पर गावस्कर के टिप्पणी.
  • भारतीय हॉकी टीम के डिफेंडर धनंजय महाडिक बिआह कर लिहले. अतवार का दिने भइल बिआह में पूर्व कप्तान धनराज पिल्ले समेत बहुते खिलाड़ी एह बिआहल जोड़ी के आपन शुभकामना दिहले.
  • पाकिस्तानी मूल के आस्ट्रेलियाई बल्लेबाज उस्मान ख्वाजा के अगिला महीना भारत में होखे जा रहल चैम्पियंस लीग ट्वेंटी-20 टूर्नामेंट में शामिल होखे ला भारतीय वीजा दे दिहल गइल बा.
  • विश्व के दूसरका वरीयता वाला चीनी खिलाड़ी लिन डान शानदार जीत दर्ज करके विश्व बैडमिंटन चैम्पियनशिप के दुसरका दौर में पहुंच गइल बाड़े.
  • जिम्बाब्वे दौरा खातिर चुनाइल पाकिस्तानी टीम के चउतरफा आलोचना का बाद पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) के मुख्य चयनकर्ता मोहसिन खान कहले बाड़न कि एह समय पाकिस्तानी टीम के नया तेज गेंदबाजन के निखारल जरूरी बा जवना खातिर पुरनका गेंदबाजन के आराम दिहल गइल बा.
  • विश्व के चउथका वरीयता वाला आ ब्रिटेन के टेनिस खिलाड़ी एंडी मरे एटीपी रोजर्स कप टूर्नामेंट में उलटफेर के शिकार हो गइल बाड़े.
  • विश्व की शीर्ष वरीयता वाली अमेरिका के टेनिस खिलाड़ी सेरेना विलियम्स आपन जीत के क्रम जारी राखत डब्ल्यूटीए रोजर्स कप टूर्नामेंट के दुसरका दौर में चहुँप गइल बाड़ी.
  • भारत के लिएंडर पेस और महेश भूपति की अनुभवी जोड़ी को एटीपी रोजर्स कप टेनिस टूर्नामेंट के दूसरे दौर में हार का सामना करना पड़ा है।
  • एजबेस्टन टेस्ट में जीते का इरादा से उतरी भारतीय टीम.
  • भारत के रूपेश कुमार आ सनावे थॉमस के जोड़ी विश्व बैंडमिंटन चैम्पियनशिप से हार के बाहर हो गइल बा.
  • ब्रिटेन की राजधानी लंदन से शुरू भइल दंगा के लहोक मंगल का दिने बर्मिघम ले चहुँप गइल बाकिर ओहिजा होखे जा रहल तिसरका टेस्ट पर ओकर से कवनो बाधा ना आई आ मैच निर्धारित समय से खेलल जाई.
  • आजु एजबेस्टन टेस्ट में धोनी के चार गो तेज गेंदबाजन का साथे मैदान पर उतर सकेले.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up