टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 11 अगस्त, बियफे

by | Aug 11, 2011 | 0 comments

आजु के खास खबर

  • संसद के दुनु सदन में बियफे का दिने बढ़िया से काम भइल, प्रश्नकाल आ शून्यकाल त ललबे कइल कुछ विधेयको पारित भइल.
  • मुरादाबाद जिला में कर्फ्यू वाला इलाका में हालात सामान्य होत देख बियफे का दिने दू से तीन घंटा के ढील दिहल गइल. शहर के छह गो थाना में कर्फ्यू लागल बा.
  • बिहार में सत्तारूढ़ जनता दल (युनाइटेड) से निलम्बित विधान पार्षद शंभु शरण श्रीवास्तव बियफे का दिने बिहार विधान परिषद के सदस्यता से इस्तीफा दे दिहले.
  • परमाणु प्रौद्योगिकी पर देश के गुमराह कइले रहले प्रधानमंत्री : आरोप लगवलसि माकपा.
  • नेपाल में कम्युनिस्ट पार्टी के नेतृत्व वाली छह महीना पुरान सरकार गिरे जा रहल बिया. प्रधानमंत्री झलनाथ खनाल शनिवार के अपना पद से इस्तीफा दे दीहे.
  • एजबेस्टन टेस्ट : कुक आपन सैकड़ा बनवले, इंग्लैंड पहिला पारी का में 28 रन के बढ़त बनवलसि.

बिहार

  • बिहार में सत्तारूढ़ जनता दल (युनाइटेड) से निलम्बित विधान पार्षद शंभु शरण श्रीवास्तव बियफे का दिने बिहार विधान परिषद के सदस्यता से इस्तीफा दे दिहले.
  • बिहार के नवादा जिला के कौआकोल बाजार से अपहृत व्यवसायी पप्पू कुमार बियफे का दिने अपहरण करेवालन का चंगुल से निकल भगले आ सकुशल घरे पहुंच गइले. उनुका रिहाई खातिर अपहर्ता 20 लाख रुपिया फिरौती मंगले रहन सँ.
  • पटना गाँधी सेतु का बगल में आठ लेन वाला नया पुल बनावे खातिर केन्द्र सरकार सहमति दे दिहलसि. अब ओकरा खातिर जगह खोजलजात बा, एह बीचे पटना के राज्य के दोसरा हिस्सा से जोड़े खातिर हाजीपुर मुजफ्फरपुर, हाजीपुर छपरा फोर लेन सड़क बनावल जात बा त पटना बख्तियापुर आ पटना बक्सर फोर लेन सड़क के निर्माण जल्दिये शुरू होई. पटना गया फोर लेन सड़क के निविदा जारी होखे वाला बा.
  • केन्द्र सरकार तय कइले बिया कि पटना एम्स में अगिला साल से पढ़ाई शुरू करवा देबे के बा. फुलवारीशरीफ में एकर निर्माण तेजी से हो रहल बा.
  • रेलवे साइबर घोटाला में पूर्व मध्य रेलवे के अठाईस गो कर्मचारियन पर आरोप लगावल गइल बा. एह में से नौ जने पर मेजर चार्जशीट दायर भइल बा.
  • नक्सली इलाका में बिहार सरकार बुलेट प्रूफ थाना भवन बनवाई. एकरा खातिर पुलिस भवन निर्माण निगम के अस्सी करोड़ रुपिया आवंटित कर दिहल बा.
  • कॉलेज डिमानस्ट्रेटर लोग के पटना उच्च न्यायालय शिक्षक मान के वेतन भुगतान करे के आदेश दिहले बा आ जब ले भुगतान ना होई तब ले विश्वविद्यालयन के कुलपति आ कुलसचिव लोग के वेतन लिहला पर रोक लगा दिहल बा.
  • सिवान के एगो अदालत साल १९८६ में भइल एगो हत्या का मुकदमा में तीन जने, प्रभुनाथ, ललन आ बीरेन्द्र चौधरी, के उमिर कैद के सजा सुनवले बा. ओह लोग पर पाँच पाँच हजार रुपिया जुर्मानो लगावल गइल बा.
  • बिहार का सुपौल जिले के रतनपुरा थाना इलाका में बियफे के भिनुसार में बिजली के तार टूट के गिरला से दू आदमी के मौत हो गइल बा.
  • बिहार के नालंदा जिला के नूरसराय थाना इलाका में पुलिस एगो घर पर छापा मारके नकली गुटखा बनावे के कारखाना चलावत तीन जने के गिरफ्तार कर लिहलसि.

यूपी

  • मुरादाबाद जिला में कर्फ्यू वाला इलाका में हालात सामान्य होत देख बियफे का दिने दू से तीन घंटा के ढील दिहल गइल. शहर के छह गो थाना में कर्फ्यू लागल बा.
  • यूपी सरकार तय कइले बिया कि जेल में बन्द कैदियन के मेहनताना सीधे ओह लोग का बैंक खाता में भेज दिहल जाई. पहिले ई धन कारागार अधीक्षक का लगे जमा रहत रहे.
  • इंसेफलाइटिस के दू गो नया रोगियन के काल्हु गोरखपुर मेडिकल कॉलेज अस्पताल में मौत हो गइल. एह साल एह बेमारी से मरे वालन के गिनिती एक सौ अड़सठ हो गइल बा.
  • काल्हु मानसून के बरसत रहला का बावजूद कई जगहा घाघरा सरयू आ शारदा नदी के पानी घटे लागल बा. हालांकि बलिया में गंगा खतरा के निशान से उपर बहत बाड़ी.
  • उत्तर प्रदेश के रमाबाई नगर में सेना में काम करे वाला एगो जवान के अपना पत्नी अउर दू गो लड़िकन के जिंदा जलाके मार डाले का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के मुरादाबाद जिले में आजुओ कर्फ्यू जारी बा हालांकि कवनो ताजा हिंसा के खबर नइखे. झगड़ा काँवड़ियन के रास्ता रोके से शुरू भइल रहे. छह गो थाना के इलाका में कर्फ्यू लागल बा आ अबले 50 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • इटावा के एगो अदालत चंबल घाटी के दस्यु सरगना रहल रामआसरे तिवारी उर्फ फक्कड़ गुरु आ कुसमा नाइन समेत पांच गो डकैतन के उनिर कैद के सजा सुनवलसि. ओह लोग पर हत्या आ अपहण के जुर्म साबित भइल बा.

देश

  • सैन्य अधिकारी रहल महिलन के याचिका पर सर्वोच्च न्यायालय केंद्र सरकार के नोटिस भेजले बा. ऊ लोग दिल्ली उच्च न्यायालय का आदेश का मुताबिक अपना के फेर से बहाल करवावल चाहत बाड़ी.
  • केंद्रीय महिला अउर बाल विकास मंत्री कृष्णा तीरथ एह बात के सकरले बाड़ी कि दिल्ली समेत देश के हर शहर में सुधार गृह में राखल लड़िकन का साथे ‘अत्याचार’ होखेला.
  • गुजरात पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी राहुल शर्मा जरूरी सूचना देबे से इंकार करे खातिर राज्य सरकार का खिलाफ बियफे का दिने उच्च न्यायालय के शरण में गइले.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री डी.वी. सदानंद गौड़ा अपना मंत्रिपरिषद में पांच गो अउरी मंत्रियन के शामिल कर लिहले. अब मंत्रियन के संख्या 27 हो गइल.
  • परमाणु प्रौद्योगिकी पर देश के गुमराह कइले रहले प्रधानमंत्री : आरोप लगवलसि माकपा.
  • बियफे का दिने कांग्रेस कहलसि कि नियंत्रक एवं महालेखा परीक्षक (सीएजी) के काम सिर्फ सरकारी खर्च के अंकेक्षण कइल होला. एह बाति के आलोचना करत भाजपा कहले बिया कि कांग्रेस के आदत हो गइल बा ओकर कमजोरी उजागर करे वालन पर हमला बोलल.
  • केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा बियफे का दिने अदालत में कहले कि सीबीआई का लगे ई तय करे के अधिकार नइखे कि स्पेक्ट्रम के आवंटन होखे कि नीलामी.
  • केंद्रीय जांच ब्यूरो का लगे 1200 कर्मचारियन के कमी का बावजूद ऊ प्रभावशाली तरीका से अपना लगे मौजूद मानव संसाधन के इस्तेमाल करत बहुते मामिला के तेजी से जाँच करत बिया.
  • संसद के दुनु सदन में बियफे का दिने बढ़िया से काम भइल, प्रश्नकाल आ शून्यकाल त ललबे कइल कुछ विधेयको पारित भइल.
  • देश में इंजीनियरन के सर्वोच्च संगठन ‘इंजीनियर्स काउंसिल ऑफ इंडिया’ (ईसीआई) के कहना बा कि राष्ट्रमण्डल खेल परियोजना में गड़बड़ियन खातिर इंजीनियरन के बलि के बकरा बनावलजा रहल बा.
  • तेलंगाना क्षेत्र के सरकारी कर्मचारी अलग तेलंगाना राज्य गठन खातिर आ अपना सेवा सम्बंधी मुद्दन के लेके 17 अगस्त से अनिश्चितकालीन हड़ताल पर जाये वाला बाड़न आ एह बारे में बतियावे खातिर सरकार के बोलहटा नकार दिहले.
  • सूचना का अधिकार (आरटीआई) का तहत लोग के समय पर सूचना ना दिहला खातिर पिछला चार साल में केंद्रीय लोक सूचना अधिकारियन से 44.23 लाख रुपिया जुर्माना वसूलल गइल बा.
  • जम्मू कश्मीर के कठुआ इलाका में बियफे का दिने एगो बस बाढ़ में फँस गइल जवना में कम से कम छह लोग के जान चल गइल.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल प्रधानमंत्री रहत राजीव गांधी के हत्या खातिर फांसी के सजा पवले तीनो दोषियन के दया याचिका खारिज कर दिहली.
  • मध्य प्रदेश का राजधानी भोपाल में सावन उत्सव पर आयोजित कार्यक्रम में मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के पत्नी साधना सिंह, प्रदेश सरकार के महिला मंत्री रंजना बघेल आ भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के महिला नेत्री लोग समेत बहुते महिला जम के नचली आ गीतन पर ठुमका लगवली.
  • केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) कहले बिया कि झारखण्ड के पूर्व स्वास्थ्य मंत्री आ दू गो पूर्व स्वास्थ्य सचिव के राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन (एनआरएचएम) घोटाला में एगो निजी कम्पनी से 8.5 करोड़ रुपिया के घूस मिलल रहे.
  • गांधीवादी सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे भठियरपन का खिलाफ 16 अगस्त से प्रस्तावित अपना अनिश्चितकालीन अनशन के समर्थन में लोग से ओकरा एक दिन पहिले 15 अगस्त के एक घंटा खातिर अपना घर के बत्ती बुता देबे के कहले बाड़न.
  • बियफे का दिने राज्यसभा में सिक्कों अउर टकसाल से जुड़ल चार गो कानूनन के एक में मिलावत एगो सिक्का-निर्माण विधेयक, 2009 ध्वनि मत से पारित कर दिहल गइल. अब सिक्का गलावे भा ओकर नकल कइला पर कड़ा दण्ड देबे के नियम बन गइल बा.
  • जम्मू कश्मीर पुलिस बियफे का दिने अलगाववादियन के आंदोलन पर प्रतिबंध लगावत डेमोक्रेटिक फ्रीडम पार्टी के नेता शब्बीर शाह के गिरफ्तार कर लिहलसि, बाकिर मीरवाइज उमर फारूक के एगो सेमिनार में शामिल होखे के इजाजत दे दिहलसि.
  • मध्य प्रदेश का राजधानी भोपाल के इतवारा इलाके में दू गुट का बीचे भइलमारपीट में कई जने घवाहिल हो घइले. इलाका में तनाव देखत बड़हन संख्या में पुलिस लगावल गइल बा.
  • कांग्रेस सर्वोच्च न्यायालय से एह बाति के गंभीरता से लेबे के कहले बिया कि गुजरात सरकार भारतीय पुलिस सेवा के वरिष्ठ अधिकारी संजीव भट्ट आ एगो अउरी वरिष्ठ पुलिस अधिकारी राहुल शर्मा का खिलाफ गलत कार्रवाई कइले बिया.
  • केंद्र सरकार हत्या का मामिला में दोषी पावल गइल 80 साल के बूढ़ एगो पाकिस्तानी डॉक्टर खलील चिश्ती से जुड़ल जानकारी राजस्थान सरकार से मंगले बिया. खलील चिश्ती पिछला चार साल से अजमेर जेल में उमिर कैद के सजा काटत बा.
  • कई मुद्दा पर लगातार कई दिनों तक संसद के कार्यवाही बाधित रहला का बाद आजु बियफे का दिने दुनु सदन में कामकाज शान्ति से चलल.
  • केंद्रीय जेल भोपाल में रक्षा-बंधन का मौके पर कैदियन से उहे महिला परिजन भेंट कर पइहें जिनकर उमिर 15 साल से बेसी होई.
  • पानी के किल्लत कहीं भा कुछ अउर, बुन्देलखण्ड के लोग अब पानी से बेसी शराब पिये लागल बा. जल संस्थान आ आबकारी विभाग के आंकड़न से त इहे बुझात बा.
  • वाईएसआर कांग्रेस पार्टी के अध्यक्ष वाई.एस. जगनमोहन रेड्डी के कथित अवैध सम्पत्ति के जाँच सीबीआई से करावे के आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय के आदेश का बाद जगन कहले कि कांग्रेस बदला के भावना से काम करत बिया.
  • अन्ना हजारे बुध का दिने संसदीय समिति से कहे कि समिति हाल में पेश लोक पाल विधेयक का जगहा एगो सख्त भ्रष्टाचार निरोधी विधेयक पेश करे के सरकार से अनुशंसा करे ना त ऊ 16 अगस्त से आपन अनिश्चितकालीन आमरण अनशन शुरू कर दीहें.
  • भारत आ अमेरिका का बीच 2004 से 2011 तक कुल 37,181 करोड़ रुपये के रक्षा सौदे होखला के जानकारी काल्हु रक्षा मंत्री ए.के. एंटनी राज्यसभा में दिहले.
  • सरकार के कहना बा कि एयर इंडिया के 13 गो विदेशी कार्यालय बंद कर दिहला से हर साल 5.28 करोड़ रुपिया बाचे के सम्भावना बा.
  • सरकार के कहना बा कि प्रस्तावित राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा विधेयक से देश के हर आदमी के सही दाम पर अनाज मिले के सुविधा होखी. बाकिर कुछ सामाजिक कार्यकर्ता यह दावा के खारिज करत कहत बाड़े कि विधेयक में जिम्मेदारी ठीक तरह से तय नइखे कइल गइल.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री डी.वी. सदानंद गौड़ा काल्हु बुध के साफ कह दिहलन कि कर्नाटक में ना त केहू उप मुख्यमंत्री बनावल जाई ना ही रेड्डी भअईयन के मंत्री बनावल जाई.
  • प्रतिबंधित संगठन युनाइटेड लिबरेशन फ्रंट ऑफ असम में दू फाँक साफे झलकत बा. अरविंद राजखोवा के गुट सरकार से बतियावे में लागल बा त उल्फा के फरार कमांडर-इन-चीफ परेश बरुआ एकर विरोध करत बाड़न.
  • मध्य प्रदेश में होखत बरखा से शिवना नदी के जल स्तर बढ़ गइल बा आ पशुपतिनाथ मंदिर नदी का पानी में घेरा गइल बा. मूर्तिओ करीब आधा डूब गइल बा. एह चलते श्रद्धालुअन के मंदिर में नइखे जाये दिहल जात.
  • मध्य प्रदेश सरकार में मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान का बाद सबले ताकतवर कहाये वाला उद्योग मंत्री कैलाश विजयवर्गीय अपना के शोले के ठाकुर माने लागल बाड़े जेकर हाथ काट दिहल गइल होखे. आपन दर्द ऊ बुध का दिने इंदौर में एगो कार्यक्रम में जाहिर कइले.
  • राखी का दिने दिल्ली मेट्रो रेल कारपोरेशन मेट्रो रेलगाड़ियन के 200 अतिरिक्त फेरा लगावे के घोषणा कइले बा.
  • भारत सरकार के कहना बा कि ओकरा लगे एह बात के खुफिया सूचना बा कि आतंकवादी संगठन अलकायदा आ ओकर कमांडर इलियास कश्मीरी देश पर हमला करे के साजिश बनावत बा.
  • राजस्थान का झुंझनु जिला में एगो लड़िकी अपना महतारी पर आरोप लगवले बिया कि ऊ ओकरा के 2.15 लाख रुपिया में एगो आदमी के बेच दिहलसि जे ओकरा साथे कई दिन ले बलात्कार करत रहल.

दुनिया

  • ब्रिटिश प्रधानमंत्री कैमरन कहले बाड़न कि लंदन दंगा रोके खातिर पुलिस गलत नीति अपनवलसि. दलाई लामा कहले बाड़न कि हिंसा से कवनो समस्या के हल ना निकालल जा सके. लंदन का दंगा में शामिल लोग के जब अदालत में पेश कइल गइल त ओहमें हर वर्ग के लोग रहले. केहू करोड़पति के बेटी रहल, त केहू पोस्टमैन, आ कुछ लोग त प्रतिष्ठित व्यवसायी रहल. एह बीच ओहिजा दंगा रोके के कोशिश करत एगो निगरानी दस्ता के पुलिसे भिड़ंत हो गइल.
  • कनाडा में भारतीय मूल के कर्ण गुप्ता के इंफॉर्मेशन टेक्नोलॉजी एसोसिएशन ऑफ कनाडा (आईटीएसी) के अध्यक्ष आ सीईओ बनावल गइल बा.
  • दिन पर दिन खराब होत सीरिया के हालत देखत भारत, ब्राजील आ दक्षिण अफ्रीका ओहिजा राजनीतिक सुधार तेज करे खातिर दमिश्क पर दबाव बनवले बा लोग आ ओहिजा के हिंसा के एगो विश्वसनीय न्यायिक जांच करावे के कहले बा लोग.
  • अमेरिकी वैज्ञानिक एगो अइसन साफ्टवेयर बनवले बाड़न जवना का सहारे प्रतिबंधित वेबसाइट खोलल जा सकेला. एह साफ्टवेयर का बाद इंटरनेट सेंसरशिप बेकार हो जाई.
  • पिछला महीना भइल एगो दुर्घटना का बाद चीन में बुलेट रेलगाड़ियन के रफ्तार कम कर दिहल गइल बा.
  • भारत पाकिस्तान से फांसी की सजा पवले अपना नागरिक सरबजीत सिंह के मानवीय आधार पर रिहा करे के माग कइले बा,
  • आजु पाकिस्तान का पेशावर शहर भइल बम विस्फोट से पांच गो पुलिसवालन समेत छह लोग के मौत हो गइल आ 28 लोग घवाहिल हो गइल.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी के सरकार ओहिजा के अल्पसंख्यकन के समान अधिकार सुनिश्चित करावे का संकल्प पर कायम बिया. कहले राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी.
  • नेपाल में कम्युनिस्ट पार्टी के नेतृत्व वाली छह महीना पुरान सरकार गिरे जा रहल बिया. प्रधानमंत्री झलनाथ खनाल शनिवार के अपना पद से इस्तीफा दे दीहे.
  • लीबिया के शासक मुअम्मार गद्दाफी के बेटा खामिस गद्दाफी के काल्हु ओहिजा के सरकारी टेलीविजन पर देखल गइल. उनुका बारे में कहल जात रहे कि ऊ मरा गइल बाड़न.

व्यापार व्यवसाय

  • प्रमुख वाहन निर्माता कम्पनी टाटा मोटर्स के पहिला तिमाही में शुद्ध लाभ 401.2 करोड़ रुपिया रहल जवन पिछला साल का मुकाबिले करीब पाँच करोड़ बेसी रहल.
  • देश के खाद्य महंगाई दर 30 जुलाई के खतम भइल हफ्ता में 9.9 फीसदी दर्ज कइल गइल जवन ओकरा पिछला हफ्ता 8.04 फीसदी रहल.
  • रिलायंस पावर के संचालन आय साल के पहिला तिमाही में तिगुना हो गइल आ 541.80 करोड़ रुपिया हो गइल जबकि पिछला साल के पहिला तिमाही में ई 139.33 करोड़ रुपिया रहल.
  • वोडाफोन के भारतीय कारोबार में 5.5 फीसदी हिस्सेदारी खरीदे के एलान कइला का बाद अजय पीरामल के कम्पनी पीरामल हेल्थकेयर के शेयरन में आजु तेजी देखे के मिलल.
  • चीन के व्यापार अधिशेष, ट्रेड सरप्लस, जुलाई में बढ़के 31.5 अरब डॉलर हो गइल जवन पिछला अढाई साल में सबसे बेसी बा.
  • आजुओ देश के शेयर बाजार में गिरावट दर्ज भइल आ सेंसेक्स 71.11 अंक का गिरावट का साथे बन्द भइल.
  • एह साल रिलायंस इंफ्रा के पहिला तिमाही के शुद्ध लाभ 8 फीसदी बेसी रहल.
  • अमेरिका का बजट घाटा वित्त वर्ष 2011 के पहिला 10 महीना में 11 खरब डॉलर ले चहुँप गइल बा आ ई साल अमेरिकी सरकार खातिर सबले खराब साल हो सकेला.
  • शेयर बाजार में बियफहू का दिने गिरावट के रुख देखल गइल. सेंसेक्स 73.90 अंक गिर के खुलल.
  • सीबीआई काल्हु 2जी स्पक्ट्रम आवंटन मामले में एस्सार समूह के प्रमोटर आ निदेशक अंशुमान रुइया से पूछताछ कइलसि.

मनोरंजन

  • आरक्षण के राजनीति के शिकार फिल्म आरक्षण के निर्माता प्रकाश झा आखिर तइयार हो गइले कि कुछ दृश्य आ संवाद में फेर बदल कर दिहल जाई. एह बीच यूपी में रोक लगला का बाद पंजाबो सरकार एह फिल्म पर रोक लगा दिहलसि आ बिहारो में रोक लगावे खातिर राजनीति हो रहल बा. ओहिजा राजद के लोग आरक्षण फिल्म पर रोक लगावे के माँग करत नीतीश के पुतला फूंकले.
  • लादेन से सम्बंधित फिल्म में व्हाइट हाउस के भूमिका पर सवाल उठवले बाड़न एगो रिपब्लिकन सांसद आ एकर जांच करावे के माँग कइले बाड़न.
  • ब्रिटेन में भड़कल दंगा से अचंभित बॉलीवु़ड अभिनेता अक्षय कुमार ओहिजा से ‘हाउसफुल-2’ के शूटिंग पूरा कर के लवट अइले.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री कैटरीना कैफ फिल्म ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ के आपन सह-कलाकार इमरान खान आ उनुका पत्नी अवंतिका के बीच प्यार से होके आपन पहिलका फिल्म बनावे के फैसला कइले बाड़ी.
  • स्पाइस गर्ल्स बैंड के गायिका रहल मेल सी के कहना बा कि गायिका रिहाना अपना जवान प्रशंसकन का सोझा स्टेज पर बहुते भड़काऊ नाच करेली आ उनुकर वीडियउवो आपत्तिजनक होला.
  • पिछला महीना होटल में मरल पावल गइल दिवंगत गायिका एमी वाइनहाउस के प्रेमी रहल ब्लेक फील्डर सिविल उनुका बारे में किताब लिखे जात बाड़न
  • हिन्दी फिल्म चितकबरे के निर्माता भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि किशन से माफी मँगले. फिल्म का एगो दृश्य में इलाहाबाद से आइल एगोसीधा साधा लड़िका के होस्टल में कुछ बिगड़ैल कपड़ा फाड़ देत बाड़े आ ओकरा के लंगटे कर देत बाड़े. ई किरदार फिल्म में रविकिशन कइले बाड़न आ शर्त रहे कि एह दृश्य के सार्वजनिक ना कइल जाई. बाकिर पिछला दिने निर्माता ओह दृश्य के तस्वीर जारी कर दिहले जवन कि कुछ जगहा प्रकाशितो भइल बा. नाराज रविकिशन एकरा खातिर कानूनी कार्रवाई के बात कहलन त निर्माता सुनीत अरोड़ा रविकिशन से माफी माँग लिहले. चितकबरे २६ अगस्त के रिलीज हो रहल बा.
  • गायक सिमोन कॉवेल अमेरिका में रिएलिटी शोज से कमाई करे में सबले आगे बाड़न. बतावल जात बा कि रिएलिटी शो ‘द एक्स फैक्टर’ से ऊ हर सत्र में 7.5 करोड़ डॉलर कमइले.
  • बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन के कहना बा कि आधुनिक संचार माध्यमन का चलते लिखल आ बोलल जाये वाली हिंदी अशुद्ध होखल जात बिया. अमिताभ अपना पिता हरिवंशराय बच्चन के कवितन के एगो संग्रहालय बनवा के साहित्य के सुंदरता संवारे के कोशिश करीहे.
  • अभिनेत्री अउर गायिका जेनिफर लोपेज लोकप्रिय टेलीविजन रियलिटी शो ‘अमेरिकन आयडल’ के 11वां सत्र में फेर जज के भूमिका में रहीहे.
  • फिल्म निर्माता पंकज कपूर के फिल्म ‘मौसम’ से अपना फिल्मी पारी शुरु करे जा रहल बॉलीवुड के नवोदित अभिनेता अंकित मोहन के कहना बा कि उनुका प्रतिस्पर्धा से कवनो डर नइखे आ ऊ आपन पहिचान खुद बनावल चाहत बाड़े.
  • भोजपुरी अभिनेता निर्देशक आ निर्माता चन्दन सिंह के काल्हु बुध का दिने 45 साल का उमिर में राँची के अपोलो अस्पताल में मौत हो गइल. चन्दन सिहं भोजपुरी फिलिम रामपुर के लक्ष्मण के निर्देशन कइले
  • उत्तर प्रदेश सरकार बुध का देर रात फिल्म निर्माता प्रकाश झा के फिल्म ‘आरक्षण’ पर राज्य में दिखवला पर रोक दिहलसि काहे कि ओकरा लागत बा कि फिल्म के कुछ संवाद आ दृश्य से राज्त में हिंसा पसर सकेले. आउ गो अफसरन के समिति एह बात के सिफारिश कइलसि कि फिल्म आरक्षण पर दू महीना ले प्रतिबन्ध लगा दिहल जाव.

खेल

  • अंतर्राष्ट्रीय शतरंज महासंघ (फिडे) भारत के खुश करे खातिर अगिला विश्व शतरंज मुकाबला-2013 चेन्नई में करावे के प्रस्ताव रखले बा.
  • भारत के अमनदीप सिंह (49 किलोग्राम) दक्षिण कोरिया के शहर इंचियोन में होत 2011 एएसबीसी एशियाई कनफेडरेशन मुक्केबाजी चैम्पियनशिप का फाइनल में पहुंच गइले.
  • एजबेस्टन टेस्ट : कुक आपन सैकड़ा बनवले, इंग्लैंड पहिला पारी का में 28 रन के बढ़त बनवलसि.
  • ब्रिटेन के कई शहरन में पिछला पांच दिन से जारी दंगा का चलते शनिचर के होखे वाला इंग्लिश प्रीमियर लीग मुकाबला टार दिहल गइल बा.
  • एजबेस्टन टेस्ट : कप्तान एंड्रयू स्ट्रॉस (87) के अमित मिश्रा बोल्ड कइले. एकरा पहिले दुनु सलामी बल्लेबाज आपन पचासा लगा के इंगलैण्ड टीम के मजबूत स्थिति में चहुँपा दिहले. आजु दुसरका दिने मैदान गील रहल का चलते खेल एक घंटा देरी से शुरू भइल. एह बीच भारतीय क्रिकेट टीम के कोच डंकन फ्लेचर कहले बाड़न कि तीनो मैच में मिलल लगातार स्विंग, सीम आ उछाल से ऊ हैरान बाड़े.
  • वेम्बले ओलम्पिक एरेना में चलत विश्व बैडमिंटन चैम्पियनशिप में आजु भारत के दिन खराब रहल. ज्वाला गुट्टा आ वी. दीजू के हार से मिश्रित युगल में ओकर उम्मीद खतम हो गइल. सर्वोच्च वरीयता वाला खिलाड़ी मलेशिया के चोंग वेई ली पुरुषन के एकल वर्ग के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बाड़े.
  • रोजर्स कप : भारत के रोहन बोपन्ना आ उनुकर पाकिस्तानी जोड़ीदार अहसाम उल हक कुरैशी के युगल जोड़ी रोजर्स कप टेनिस टूर्नामेंट के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइले बाकिर भारत के सानिया मिर्जा आ उनुकर रूसी जोड़ीदार एलेना वेस्नीना हार गइल लोग.
  • विश्व के दूसरका वरीयता वाला पुरुष टेनिस खिलाड़ी स्पेन के राफेल नडाल मांट्रियल मास्टर्स के पहिलके दौर में हार गइलन.
  • आस्ट्रेलिया के तेज गेंदबाज शॉन टेट प्रो-ट्वेंटी 20 लीग खातिर डरबन के क्रिकेट क्लब डाल्फिन्स के साथे करार कइले बाड़न.
  • पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) के भरोसा बा कि संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) में श्रीलंका का साथ होखे वाली ‘घरेलू’ श्रृंखला हो के रही.
  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) अगिला साल 2012 में आस्ट्रेलिया में होखे जा रहल अंडर-19 विश्व कप खातिर भारत के ग्रुप ‘सी’ में वेस्टइंडीज, जिम्बाब्वे अउर पापुआ न्यू गिनी का साथे रखले बा.
  • इंग्लिश क्रिकेट टीम के तेज गेंदबाज टिम ब्रेस्नन खुश बाड़े कि उनुकर टीम भारतीय टीम पर मनोवैज्ञानिक जीत ले लिहले बिया आ ओह लोग पर हावी हो गइल बिया.
  • इटली के प्रधानमंत्री सिल्वियो बर्लुस्कोनी के बेटी बारबारा ब्राजील के फुटबाल खिलाड़ी आ आपन पुरुष मित्र एलेक्जेंडर पेटो से प्यार करे लागल बाड़ी.
  • तेज गेंदबाज मिशेल जानसन के घातक गेंदबाजी आ शेन वॉटसन, रिकी पोंटिंग अउर कप्तान माइकल क्लार्क के बढ़िया बल्लेबाजी से आस्ट्रेलिया पालेकेले अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में बुध का दिने खेलल गइल एकदिना मैच में श्रीलंका के सात विकेट से हरा दिहलसि.

खबर दिन भर समय समय पर जोड़ात रहेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up