टटका खबर, मंगल, २० मार्च २०१२

by | Mar 21, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • पुलिस भरती घोटाला के जाँच करे वाला आ शिवपाल सिंह के नार्को टेस्ट करवावे के सलाह देबे वाला पुलिस महानिदेशक शैलजा कांत मिश्रा आजु स्वैच्छिक सेवानिवृति खातिर आवेदन दे दिहलन. उनुकर तबादला नागरिक सुरक्षा विभाग में कर दिहल गइल रहुवे जवना से नाराज मिश्रा ई फैसला लिहले.
  • अखिलेश सरकार के अनेके फैसला विवाद के जनम देबे लागल बा. बहुमत का बावजूद निर्दलीय राजा भईया के कैबिनेट मंत्री बनवला के चारो ओर आलोचना होखत बा. साथ ही अम्बरीश चन्द्र शर्मा के प्रदेश के पुलिस महानिदेशक बनवला पर सवाल उठे लागल बा काहे कि शर्मा एहो बसपा विधायक राजूपाल के हत्या का समय विवादित बन गइल रहले. दू हजार सात के चुनाव में आयोग उनुका के पद से हटा दिहले रहुवे काहे कि उनुका पर पक्षपाती होखे के अनेसा रहुवे.
  • महबुब अली के मंत्री बनवला का उपलक्ष में फायरिग करे वाला उनुका छह गो समर्थकन के सपा से निकाल दिहल गइल बा. सपा इहो फैसला लिहले बिया कि कवनो सदस्यता अभियान ना चलाई आ दोसरा पार्टी से केहू के अपना पार्टी में शामिल ना करी.
  • मथुरा कासगंज रेलखंड के मेडू टीसन का लगे भइल एगो दुर्घटना में सतरह लोग मर गइल. एगो बेपहरा क्रासिंग पर एगो सवारी वाहन कासगंज पैसेंजर से टकरा गइल रहुवे.
  • जइसन कि अनुमान लगावल जात रहुवे रालोद महासचिव जयंत चौधरी विधानसभा से इस्तीफा दे दिहले. ऊ सांसदे बनल रहीहें. चुनाव बेरा रालोद उनुका के अगिला मुख्यमंत्री बतावत रहुवे.

बिहार

  • राज्यसभा के छह सीट खातिर सात गो परचा दाखिल होखला का चलते बिहार में चुनाव करावे के पड़ सकेला. अबही शुक तकले नाम वापिस लिहल जा सकेला. राजद के समर्थन से निर्दलीय उम्मीदवार अहमद अशफाक करीम के मौजूदगी चुनाव जरूरी करा सकेला. भाजपा के जदयू के जिद्द माने के पड़ गइल आ अधिका विधायक होखला का बावजूद ओकरा जदयू के समर्थन देबे के पड़ल बा.
  • केन्द्रीय उर्जा मंत्री सुशील कुमार शिन्दे कहले बाड़न कि बाढ़ के एनटीपीसी थर्मल इकाई से बने वाली बिजली के आधा बिहार के दिहल जाई. पहिले साढ़े बारह फीसदी मिले के बात कहल जात रहुवे. दामोदर घाटी निगम से बिहार के सौ मेगावाट बिजली दिहल जाई.
  • कैमूर जिला के दुर्गावती आ मोहनिया इलाका में भइल दू गो सड़क दुर्घटना में दू लोग के जान चल गइल.
  • माले के रोहतास जिला सचिव भईयाराम यादव के हत्या के आरोपी सोनू सिंह के बढ़िहा गाँव के घर के कुर्की करावल गइल. दू गो अउर आरोपी डब्लू सिंह आ मून्नू सिंह आज विक्रमगंज अदालत में आत्म समर्पण कर दिहले.
  • बिहार विश्वविद्यालय के सीनेट चुनाव के अधिसूचना जारी कर दिहल गइल बा. चुनाव बीस अप्रेल के करावल जाई.
  • सिवान के सिसवन प्रखंड के प्रखंड प्रमुख जगनारायण सिंह के निर्वाचन सिवान जिला के जिलाधिकारी सह दंडाधिकारी के अदालत में सुनवाई का बाद रद्द कर दिहल गइल.

देश

  • लोकसभा का बाद राज्यो सभा में राष्ट्रपति के अभिभाषण पर धन्यवाद प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहल गइल. विपक्ष के सगरी संशोधन नामंजूर हो गइल. सपा बसपा सरकार का पक्ष में वोट दिहले जबकि तृणमूल के सांसद वाकआउट कर गइले.
  • सीबीआई आजु करोड़ों रुपिया के आदर्श हाऊसिंग सोसायटी घोटाला में आदर्श सोसायटी के चीफ प्रमोटर आर.सी. ठाकुर, सेवानिवृत्त ब्रिगेडियर अउर सेना के एस्टेट अधिकारी एम.एम. वांचू, महाराष्ट्र शहरी विकास विभाग के पूर्व उपसचिव पी.वी. देशमुख आ कांग्रेस के पूर्व विधान परिषद् सदस्य कन्हैयालाल गिडवानी के आजु सबेरे गिरफ्तार कर लिहलसि. एह मामिला में आजु पहिला बेर कवनो गिरफ्तारी भइल बा.
  • पुणे सत्र न्यायालय साल २००७ में एगो बी पी ओ कर्मचारी के बलात्कार कर के ओकर हत्या करे के दोषी दू गो हत्यारन के फाँसी के सजा सुनाव दिहलसि.
  • ओड़ीशा में नक्सलियन के अपहृत दू गो इटली नागरिकन के आजुओ रिहाई ना हो पावल काहे कि बिचवनियन का नाम पर मतभेद बनल बा. एगो बिचवनिया के ओडिशा सरकार नकार दिहलसि आ दोसरका खुदे मुकर गइल.
  • तृणमूल कांग्रेस के मुकुल राय के आजु दिनेश त्रिवेदी का जगहा नया रेलमंत्री बना दिहल गइल.
  • पंजाब में शिरोमणि अकाली दल के चरणजीत सिंह अटवाल के सभका एकमत राय से विधानसभा के अध्यक्ष चुन लिहल गइल. ऊ लोकसभा के उपाध्यक्ष रह चुकल बाड़े. भाजपा के दिनेश सिंह के उपाध्यक्ष चुनल गइल बा.
  • प्रधानमंत्री के बयान पर शरद पवार नाराजगी जतवले बाड़न. प्रधानमंत्री राज्यसभा में कहलन कि गठबन्हन सहयोगियन का चलते कई गो जरूरी सुधान नइखे हो पावत.

दुनिया

  • जॉर्डन चुनाव प्रबंध आ चुनाव सुधार खातिर भारत के निर्वाचन आयोग से सहायता मँगले बा. आयोग सहायता करे के भरोसा दे दिहलसि.
  • अफगानिस्तान के मानवाधिकार आयोग जेल में बंद कैदियन का साथे गलत व्यवहार के आरोप लगवले बा.
  • इराक के कई एक शहरन में आजु विस्फोट होखला के खबर बा जवना से नाहियो त पचास लोग के जान चल गइल बा.
  • यूरोपीय संघ के एगो शिष्टमंडल आजु काठमांडू में नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई से भेंट कइलसि.

खेल

  • एशिया कप क्रिकेट प्रतियोगिता में आजु बंगला देश श्रीलंका के हरा दिहलसि आ एकरा साथही फाइनल खेले के भारत के सपना टूट गइल.
  • एएफसी टूर्नंमेंट में पिछला बेर के चैम्पियन उत्तर कोरिया तुर्कमेनिस्तान के दू बनाम एक गोल से हरा के फेर चैम्पियन बन गइल.

बिजनेस

  • योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह आहलुवालिया कहलन कि साल २००४-०५ आ २००९-१० का बीचे पांच साल में गरीबी में डेढ़ फीसदी सालाना दर से कमी आइल बावे.
  • मुंबई शेयर बाजार के सूचकांक में तीन दिन के गिरावट का बाद आजु मामूली बढ़त देखे के मिलल. सेंसेक्स ४३ अंक चढ़ के बंद भइल. रुपिया आजु डॉलर का मुकाबले तीन पइसा कमजोर पड़ गइल.
  • स्टेट बैंक किंगफिशर के करजा ना दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up