टटका खबर, शनिचर, १७ मार्च २०१२

by | Mar 17, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • राज्यसभा के दस सीट खातिर होखे वाला चुनाव में सपा के छठवाँ उम्मीदवार जया बच्चन आजु आपन परचा दाखिल कर दिहली. भाजपा का तरफ से विनय कटियार के परचा दाखिल भइल. अगर अउरी केहू के परचा दाखिल नइखे होखत त ई दसो उम्मीदवार चुनाव जीत जइहें आ वोट करावे के जरूरतो ना पड़ी. असली झंझट दसवें सीट के बा जवना खातिर केहू रशीद मसूद से जोर आजमाइश कर सकेला. रशीद मसूद सपा छोड़ के कांग्रेस में गइल रहले बाकिर मौजूदा राजनीतिक हालात में सपा उनुकर खुला विरोध ना कर पाई.
  • आजम खाँ सही तरीका से पूरा तरह किरिया ना लिहले रहले जवना चलते उनुका फेरू काल्हु किरिया लेबे के पड़ी. एह किरिया समारोह में कुछ अउरियो मंत्री के किरिया दिआवल जा सकेला.
  • आपसी खींचतान का चलते तीन दिन बादो मंत्रियन का बीच विभाग के बँटवारा ना हो पावल. ताकतवर मंत्री लोग अपना खातिर त मलाईदार विभाग चाहते बाड़न, अपना लगुओ भगुअन खातिर बढ़िया विभाग चाहत बा लोग जवना से बँटवारा करे में दिक्कत होखत बा अखिलेश के.
  • समाजवादी पार्टी अपना खातिर आचार संहिता बनवले बिया जवना मुताबिक प्रदेश स्तर के नेता आ जिला के मौजूदा आ पूर्व अध्यक्षे अपना गाटी पर पार्टी के झंडा लगा पइहें. एह काम खातिर पुलिसो के मदद लिहल जाये के बात कहल गइल बा.
  • किरिया लिहला का दिने मंच पर भइल बवाल के दोषी दस गो कार्यकर्ता आ गाजियाबाद में सेवायोजन कर्मियन से मारपीट के आरोपी दू गो कार्यकर्ता के पार्टी से निकाल दिहल गइल बा.
  • मायावती के सुरक्षा में आजु सरकार कटौती कर दिहलसि. उनुकर जेड प्लस सुरक्षा बहाल राखल जाई बाकिर ओतने सुविधा मिली जतना मुख्यमंत्री रहल लोग के बाद में दिहल जाले. जइसे कि माया राज में मुलायम सिंह भा कल्याण सिंह के मिलत रहुवे.
  • प्रदेश सरकार लोकायुक्त एन के मेहरोत्रा के कार्यकाल दू साल अउरी बढ़ावे के संस्तुति राज्यपाल से कइले बिया.
  • लोकायुक्त पिछला सरकार में मंत्री रहल नसीमुद्दीन सिद्दिकी आ उनुका कुछ परिजन का खिलाफ आमदनी से बेसी के संपति राखे के जाँच केन्द्रीय एजेन्सी से करवावे के सलाह मुख्यमंत्री के भेजले बाड़न. पिछला सरकार का दौरान मुख्यमंत्री लोकायुक्त के सलाह माने से मना कर दिहले रही.

बिहार

  • बिहार सरकार दावा कइले बिया कि साल २०१६ १७ ले बिहार बिजली का मामिला में आत्म निर्भर हो जाई. अगिला चार साल में बिहार में आठ हजार दू सौ मेगावाट बिजली अउर बने लागी.
  • बिहार से राज्यसभा चुनाव में जदयू आ भाजपा मिल के छह गो सीट जीत सकेले बाकिर छठवा सीट पर रस्सा कशी चलत बा. जदयू चाहत बिया कि ऊ सीट ओकरा के दिहल जाव आ भाजपा आपन २१ गो अधिका वोट ओकरा के दे देव. जबकि भाजपा चाहत बिया के छठवा सीट खातिर ओकरा उम्मीदवार के जदयू आपन तेरह गो अधिका वोट दे देव. भाजपा का तरफ से रविशंकर प्रसाद आ धर्मेन्द्र प्रधान के आपन उम्मीदवार बना चुकल बिया तिसरका नाम अबही तय नइखे. बाकिर एह सीट खातिर एसएस अहलूवालिया के नाम चलत बा.
  • रोहतास जिला के नासरीगंज के थानाध्यक्ष शिव कुमार सिहं के लाइन हाजिर कर दिहल गइल बा. उनुका के माले सचिवे भईया राम यादव के हत्या मामिला में लापरवाह मानल गइल बा.
  • आजु से सहरसा पटना का बीच राजरानी एक्सप्रेस चलल शुरू हो गइल. एकरा के शरद यादव आ दिनेश चन्द्र यादव हरियर झंडी देखवले.

देश

  • रेलमंत्री दिनेश त्रिवेदी के कहना बा कि ऊ तबले इस्तीफा ना दीहें जबले ममता उनुका के लिख के ना दीहें. ओने तृणमूल संसदीय दल के सचेतक उनुका के सलाह दिहले बाड़न कि निकलला से पहिले इज्जति से सरकि लेस. काहे कि उनुका के हटा के मुकुल राय के रेलमंत्री बनल तय बा. एह मामिला में कांग्रेस के कहना बा कि ई तृणमूल के आंतरिक मसला ह आ उहे सलटावे एह मसला के.
  • प्रधानमंत्री आजु तमिलनाडू मुख्यमंत्री जयललिता के भरोस दिहले कि श्रीलंका के अति विशिष्ट व्यक्तियन के तमिलनाडु यात्रा का बारे में राज्य सरकार के पहिले बता दिहल जाई.
  • राज्यसभा चुनाव खातिर केंद्रीय मंत्री विलास राव देशमुख, तृणमूल कांग्रेस के मुकुल रॉय, कांग्रेस प्रवक्ता अभिषेक मनु सिंघवी, तृणमूल कांग्रेस के उम्मीदवार कुणाल घोष, नदीमुल हक आ विवेक गुप्ता परचा दाखिल कइले. राजीव शुक्ला के महाराष्ट्र से आ नरेंद्र बुढानिया के राजस्थान से कांग्रेसे आपन उम्मीदवार बनवले बिया. छत्तीसगढ़ से डॉक्टर भूषणलाल जांगिड़ परचा भरले बाड़न. अबही सोमार ले परचा दाखिल कइल जा सकेला.
  • आंध्र प्रदेश में अतवार का दिने विधानसभा के सात गो सीट पर उपचुनाव के मतदान होखे वाला बा.
  • दिल्ली में पिछला महीना एगो इजरायली राजनयिक के कार पर बम फेंके के आरोपी ईरानी नागरिक के प्रत्यर्पण खातिर दिल्ली पुलिस लागल बिया. ई आदमी, मसूद सदाकतजादे, मलेशिया पुलिस का गिरफ्त में बावे.
  • मध्यप्रदेश में भाजपा राज्यसभा के चुनाव खातिर नजमा हेपतुल्ला, थावरचंद गहलोत, फग्गन सिंह कुलस्ते आ कप्तान सिंह सोलंकी के आपन उम्मीदवार बनवले बिया. एक सीट पर कांग्रेस के उम्मीदवार जीती.

दुनिया

  • पाकिस्तानी न्यायिक आयोग २६/११ के मुम्बई आतंकी हमला के चार गो मुख्य गवाहन के बयान दर्ज करे के काम पूरा कर लिहलसि.
  • सीरिया के राजधानी दमिश्क में भइल दू गो विस्फोट में कम से कम २७ लोग मारल गइल बा आ ९७ गो लोग घवाहिल हो गइल बा. सीरिया सरकार एह हमला के दोष अलकायदा पर लगवले बिया.
  • लीबिया कहले बा कि ऊ मौरिटेनिया से कर्नल गद्दाफी के खुफिया प्रमुख अब्दुल्लाह-अल-सेनुसी के प्रत्यर्पण खातिर कही जिनका के मोरिटेनिया में फर्जी पासपोर्ट पर घूसत घरी पकड़ल गइल बा.
  • श्रीलंका के मानवाधिकार रिकार्ड के बारे में संयुक्त राष्ट्र मानवाधिकार आयोग में अगिला हफ्ता एगो प्रस्ताव पेश हो सकेला. श्रीलंका के सेना प्रमुख लेफि्‌टनेंट जनरल जगत जयसूर्या के कहना बा कि ई प्रस्ताव एगो चुनौती बावे जवना से श्रीलंका के निपटे के बा.
  • पूर्वी तिमोर में राष्ट्रपति पद के मतदान पूरा हो गइल बा.

खेल

  • अमरीका के कैलिफोर्निया में इंडियन वेल्स टेनिस टूर्नामेंट में महिला डबल्स फाइनल में आजु रात सानिया मिर्जा आ एलीना वेसनिना के जोड़ी अमेरिका के लीजल ह्यूबर आ लीजा रेमण्ड के जोड़ी से होखी.
  • बाजील में स्विस ओपन बैडमिंटन टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में आजु भारत के साइना नेहवाल के सामन जापान के मिनात्सु मितानी से होखे वाला बा.
  • ढाका में एशिया कप क्रिकेट प्रतियोगिता में अतवार का दिने भारत आपन आखिरी लीग मैच पाकिस्तान से खेली. फाइनल में चहुँपे खातिर भारत के ई मैच हर हाल में जीते के पड़ी.

बिजनेस

  • वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी के कहना बा कि सबसिडी घटा के सकल घरेलू उत्पाद के पौने दू फीसदी कइल जरूरी बा. अबही ई ढ़ाई फीसदी के स्तर पर बा.
  • अमेरीकी उद्योग जगत के कहना बा कि भारत के आम बजट में अइसन सुधार नइखे झलकत जवना के उमेद रहुवे.

शिक्षा

  • अनुमान से उलट आजु बोर्ड परीक्षा में कुछ कड़ाई देखे के मिलल जवना में गाजीपुर के पांच गो केन्द्र व्यवस्थापकन का खिलाफ केस दर्ज करावल गळ आ जौनपुर में नकल करावत दस गो कक्ष निरीक्षकन का खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बा. आजु हजारो परीक्षार्थी नकल पर कड़ाई का चलते आपन इम्तिहान छोड़ दिहलन.
  • बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के ९४वाँ दीक्षान्त समारोह में लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार का हाथ से उपाधि बाँटल गइल. आजु का समारोह में अमिताभ बच्चन के मानद डी लिट्, आ भारतीय कृषि अनुसंधान परिषद के महानिदेशक डा॰एस अयप्पन अउर जे एनयू के कुलपति सुधीर कुमार सपोरो के डीएससी के मानद उपाधि दिहल गइल. दीक्षान्त समारोह के अध्यक्षता कुलपति डा॰कर्ण सिंह कइलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up