टटका खबर, शुक, १७ फरवरी २०१२

by | Feb 18, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(पटना हवाई अड्डा पर परेड के सलामी लेत नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई)

बिहार

  • बदलत बिहार पर वैश्विक सम्मेलन के उद्घाटन आजु पटना में नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई कइलन. अपना संबोधन में भट्टराई कहलन कि अगर भारत आ नेपाल मिल के काम करें त सीमा पर के इलाकन कें समृद्धि के दुआर खुल सकेला. कहलन कि भारत के पाँच गो राज्यन से नेपाल के सीमा लागेला जवना में सबले लमहर सीमा बिहार का साथे लागेला. ऊ नेपाल के पनबिजली के इस्तेमाल करे के कहलन.
  • बदलत बिहार के वैश्विक सम्मेलन में मारीशस के संस्कृति मंत्री मुकेश्वर चुन्नी, नेपाल के परिवहन मंत्री सरिता गिरी, योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह अहलूवालिया समेत अनेके लोग मौजूद रहल. एह मौका पर पटना के यातायात व्यवस्था चरमरा गइल.
  • बिहार विश्वविद्यालय परीक्षा समिति आजु राज्य भर में विशेष पात्रता परीक्षा आयोजित करवलसि. कई जगहा कदाचार का चलते परीक्षा रद्द कर देबे के पड़ल.

उत्तर प्रदेश

  • विधानसभा के चउथा दौर के चुनाव वाला इलाकन में आजु साँझ से प्रचार के काम बन्द हो गइल. एह इलाकन में अतवार का दिने वोट डालल जाई.
  • चित्रकूट का एगो सभा में भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी कहलन कि राहुल अबहीं कागज फाड़े से शुरु कइले बाड़न. अइसन मत होखे कि काल्हु चल के ऊ कपड़ो फाड़े लागसु.
  • मीडिया के आकलन के झूठलावत मायावती कहली कि बसपा फेर पूरा बहुमत से जीते जात बिया. पिछला बेर का तरह एहु बेर मीडिया के आकलन गलत साबित होखे वाला बा.
  • बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य के रायबरेली आवे पर चुनाव आयोग रोक लगा दिहले बावे.
  • भाजपा नेता अरूण जेटली कहलन कि गैर भाजपा सरकारन का चलते यूपी के विकास ना हो सकल.
  • मुस्लिम आरक्षण पर बेनी प्रसाद वर्मा के भाषण के रिपोर्ट चुनाव आयोग मँगवा लिहलसि.
  • कांग्रेस पर आरोप लगावत सपा नेता अखिलेश यादव कहलन कि ई पार्टी घोटाला करे में अतना चतुर चाल्हाक बिया कि आम आदमी ओकरा घोटाला के समुझियो नइखे पावत.

देश

  • कांग्रेस आ राकांपा गठबन्हन मुंबई महानगरपालिका से शिवसेना आ भाजपा गठबन्हन के हटावे में असफल हो गइल. राज ठाकरे के मनसे के किंगमेकर बने के सपनो धूमिल हो गइल बा.
  • केन्द्र के राष्ट्रीय आतंकवाद रोधी केन्द्र बनावे के योजना के कई राज्य विरोध करत बाड़े. भाजपा के मुख्यमंत्रियन का अलावे ममता बनर्जी, नवीन पटनायक, जयललिता वगैरह लोग एकर विरोध करत कहत बा कि ई राज्य के अधिकार में दखलंदाजी होखी.
  • रूस में बनल अत्याधुनिक लड़ाकू एमआई -१७ वी-५ हेलीकोप्टर के भारतीय वायुसेना में शामिल कर लिहल गइल बा. एह हेलीकाप्टरन से ऊंच दुर्गम जगहन पर सैनिक साजोसामान ले जाए में वायुसेना के क्षमता बढ़ जाई.
  • कुडनकुलम परमाणु बिजली परियोजना के सुरक्षा जांच खातिर तमिलनाडु सरकार के बनावल चार सदस्यीय विशेषज्ञ समिति काल्हु से आपन काम शुरू करी.
  • इटली के राजदूत के सफाई दिहला का बावजूद भारत सरकार इटली के नौसेना का गोलीबारी से मरल दू गो मछुआरन के मामिला में दोषियन के कवनो रियायत देबे का मूड में नइखे लउकत. कहत बिया कि ई घटना कवनो नियम कानून से गलत बा आ दोषियन के जरूरे सजाय दिहल जाई.
  • काकोदकर समिति आपन रिपोर्ट आजु केन्द्र सरकार के सँउप दिहलसि. एहमें रेल यात्रा पर संरक्षा सेस लगावे के सिफारिश कइल गइल बा.

दुनिया

  • पाकिस्तान में पश्चिमोत्तर के अशांत कबाइली इलाका में आजु मस्जिद के बाहर एगो आत्मघाती हमला में २६ लोग मरा गइल आ पचास लोग घवाहिल हो गइल.
  • अफगानिस्तान के राष्ट्रपति हामिद करजई काल्हु पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी से भेंट कइलन आ दुनु देश का बीच आतंकवाद का खिलाफ लड़ाई में सहयोग बढ़ावे पर विचार कइल

बिजनेस

  • केन्द्र सरकार वोडाफोन के आयकर मामिला में सुप्रीम कोर्ट के फैसला के समीक्षा करे खातिर एगो याचिका दायर कइलसि.
  • मुंबई शेयर बाजार के सूचकांक आजु १३५ अंक चढ़ के बंद भइल. रुपिया के दाम में कवनो उलटफेर ना भइल आ सोना के दाम में मामूली गिरावट आइल.

खेल

  • तिकोनिया एकदिना क्रिकेट शृंखला में आजु सिडनी में भइल मैच में श्रीलंका ऑस्ट्रेलिया के आठ विकेट से हरा दिहलसि. बरखा का चलते खेल ४१-४१ ओवर के कर दिहल रहे.
  • लंदन ओलंपिक खेल के हॉकी क्वालीफायर खातिर भारत के पुरूष आ महिला टीम काल्हु से नई दिल्ली के मेजर ध्यानचंद स्टेडियम में आपन अभियान शूरु करी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up