टटका खबर, सोमार, २६ मार्च २०१२

by | Mar 26, 2012 | 0 comments


(बिहार फाउन्डेशन (बिहार सरकार की संस्था) के मुंबई चैप्टर सायन के षणमुखानंद हॉल में बिहार दिवस मनवलसि. एह मौका पर मुख्य अतिथि डॉ. सी. पी. ठाकुर, विशेष अतिथि बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा, आ सम्मानित अतिथियन में सांसद सैयद शहनवाज हुसैन, यु. के. सिन्हा, (सेबी चेयरमैन), एन. एन. कुमार चेयरमैन नवा सेवापोर्ट, देवेश चन्द ठाकुर (एम.एल.सी) उपस्थित रहले.)
पूरा खबर अँजोरिया पर


शिक्षा

  • केन्द्र सरकार अब शिक्षा के उच्च केन्द्रन खातिर एक्रेडिशन जरूरी करा देबे के सोचत बिया. एह व्वयवस्था में एगो स्वतंत्र संगठन ओह संस्थानन के मूल्यांकन कइल करी.
  • नौसेना केरल में इजीमला में भारतीय नौ सेना अकादमी खोली जहवाँ दोस्त देशन के नौसैनिकन के प्रशिक्षण दिहल जाई.
  • यूपी में एह साल के मेडिकल प्रवेश परीक्षा के आयोजन छत्रपति साहू जी महाराज चिकित्सा महाविद्यालय जे दिहल गइल बा. आवेदन पत्र अगिला महीना के मध्य से मिलल शुरू हो जाई.
  • महात्मा गाँधी काशी विद्यापीठ से जुड़ल बलिया, चन्दौली आ मिर्जापुर के दस गो कालेजन के परीक्षा कदाचार का आरोप में रद्द कर दिहल गइल बा. एह कॉलेजन पर तीन तीन लाख रुपिया के जुर्मानो लगावल गइल बा. अब कॉलेज प्रशासन एह फैसला पर फेर से विचार करे के कहत बाड़े काहे किओह लोग के पक्ष जनले सुनले बिना एक तरफा फैसला कर लिहल गइल बा. कॉलेजन के आरोप बा कि फ्लाइंग स्क्वैड पूर्वाग्रह ग्रसित रहे.
  • अतवार का दिने पटना कॉलेज के पुरान विद्यार्थियन के मिलन समारोह आयोजित भइल.
  • केन्द्रीय शिक्षा मंत्री कपिल सिब्बल का नामे चिट्ठी के जगजाहिर करत बिहार के मुख्यमंत्री कहलन कि मोतिहारिये में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोलल जाव आ ओकरा बदे बिहार सरकार सगरी सुविधा देबे खातिर तइयार बिया. बाकिर कपिल सिब्बल चाहत बाड़न कि विश्वविद्यालय गया में खोलल जाव.
  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के इंटर इम्तिहान के थयोरी पेपर के इम्तिहान सोमार से शुरू होखत बा आ ई नौ अप्रेल ले पूरा होई.

तीज तेहवार

  • चइती छठ के नहाय खाय सोमार का दिन होई. मंगल के खरना आ बुध के साँझ पहिला अरघ दिहल जाई. एह मौका पर लागे वाला सबले पुरान छठ मेला औरंगाबाद के हवे जहवाँ देव में ई मेला लागेला.

मनोरंजन

  • सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल निर्देशक सनोज मिश्रा आजु राजस्थान के जोधपुर हाईवे पर एगो सड़क दुर्घटना में घवाहिल हो गइले. मिलल जानकारी का मुताबिक सनोज मिश्रा एगो निजी वाहन से जोधपुर से जैसलमेर जात रहले जब रास्ता में एगो नीलगाय सड़क पर आ गइल. ओकरा से बचे का कोशिश में गाडी दुर्घटना ग्रस्त हो गइल.

उत्तर प्रदेश

  • इलाहाबाद हाई कोर्ट आजु सरकार के आदेश दिहलसि कि अयोध्या के विवादित परिसर के मालिकाना हक के फैसला देबे वाला जजन आ हिंदू फरीक के वकीलन के सुरक्षा के खास उपाय कइल जाव. हालही में मध्यप्रदेश में पकड़ाइल चार गो मुजाहीदीन आ सिमि आतंकवादियन का लगे से हिंदू पक्ष के वकीलन के फोटो मिलल रहुवे. पूछताछ में ऊ बतवले सँ कि ओकनी के आदेश मिलल बा कि एह वकीलन के मार दिहल जाव.
  • गंगा आ यमुना एक्सप्रेस वे का तरह केन्द्र सरकार राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र में पूर्वी परिधि एक्सप्रेस बनावे के फैसला लिहले बिया जवन यूपी के बागपत, गाजियाबाद आ गौतमबुद्ध नगर जिलन से गुजरी.
  • लखनऊ वाराणसी राजमार्ग के चार लेन के बनावे के काम अप्रेल से शुरू कर दिहल जाई.
  • आजादी के लड़ाई के महानायक मंगल पांडे के स्मृति में दू दिन के बलिया महोत्सव काल्हु पूरा हो गइल. एह मौका पर मंगल पांडे के गाँव नगवाँ से सात किलोमीटर के क्रासकंट्री रेस के आयोजनो भइल.
  • शहरी मलिन बस्तियन में सरकारी स्वास्थ्य केन्द्र फेर से चालू करे के आदेश देत सरकार प्रशासन से इहो पूछले बिया कि एह केन्द्रन के बंद कवना कारण से कइल गइल रहे.

बिहार

  • सारण जिला के चिंतामनगंज गाँव में काल्हु अतवार रात लागल आग से चार गो घर जर गइल. एह दुर्घटना में दू गो औरतन के मौत हो गइल.
  • रोहतास के सँझौली में एगो आदमी के कुछ बदमाश चाकू घोंप के मार दिहले. एह मामिला में पाँच जने पर केस दर्ह भइळ बा.
  • बक्सर जिला के सिमरी इलाका के बलिहार गाँव से चार क्विंटल गाँजा का साथे एगो औरत के गिरफ्तार कइल गइल.
  • बिहार के विशेष राज्य के दरजा देबे पर विचार करे खातिर नई दिल्ली में अंतरमंत्रालयी समिति के बइठक होखे वाला बा. एह बइठक में बिहार के मुख्य सचिव बिहार के पक्ष रखीहें.
  • रोहतास के तिलौथी से किडनैप भइल ईंट भट्टा मालिक रामजी सिंह के पुलिस बड्डी इलाका से अतवार का दिने बरामद कर लिहलसि. अब अपराधियन के गिरफ्तारी खातिर छापा मारल जात बा.

देश

  • थल सेनाध्यक्ष के बयान, कि उनुका के चौदह करोड़ रुपिया घूस देबे के प्रस्ताव दिहल गइल रहे आ एह बाति क जानकारी ऊ रक्षा मंत्री के दे दिहले रहले, पर आजु संसद में जम के बवाल भइल आ संसद कुछ देर ला रोक देबे के पड़ल. सरकार एह मामिला के सीबीआई जाँच करवावे के आदेश दिहलसि.
  • ओडीशा में किडनैप इटली के दू गो पर्यटकन में से एगो के रिहा कर दिहले सँ नक्सली बाकिर दोसरका का बारे में कवनो जानकारी नइखे मिलत.
  • कांग्रेस के गोविन्द सिंह कुंजवाल के उत्तराखण्ड विधानसभा के अध्यक्ष चुन लिहल गइल. उनुका ३९ वोट मिलल जवन भाजपा छोड़ सगरी पार्टी के विधायकन के रहुवे. एहसे उत्तराखंड में राजनीतिक अनिश्चितता खतम हो गइल लागत बा.
  • सुप्रीम कोर्ट आजु नानावती आयोग के ई निर्देश देबे से मना कर दिहलसि कि ऊ नरेन्द्र मोदी के समन भेज के बोलवावे.

दुनिया

  • सीरिया में हिंसा खतम करे खातिर संयुक्त राष्ट्र के विशेष दूत कोफी अन्नान पेइचिंग में चीन के नेता लोगन से बतियइहें.

खेल

  • मंगोलिया के उलानबातोर में होखत एशियाई मुक्केबाजी चैंपियनशिप में एम. सी. मैरीकॉम आ एल. सरिता देवी के स्वर्ण पदक मिलल.
  • मास्टर ब्लास्टर सचिन तेंदुलकर काल्हु कहलन कि ऊ दोसरा के कहला पर सन्यास लेबे नइखन जात. कहलन कि जबले मन करी तबले खेलब. सन्यास के सलाह देबे वाला लोग उनुका के खेलल नइखे सिखवले कि ओह लोग के सलाह मान लीहें.

बिजनेस

  • भारत दक्खिन कोरिया के कम्पनियन के स्थिर आ लाभकारी लमहर दिन के निवेश के पेशकश कइलसि.
  • आजु शेयर बाजार में जम के बिकवाली भइल आ सूचकांक ३०९ अंक गिर के बंद भइल. डॉलर का मुकाबले रुपिया आजु १८ पइसा कमजोर हो गइल.
  • वित्तमंत्री प्रणब मुखर्जी नइखन मानत कि सरकार आ उद्योग जगत का बीच भरोसा के कवनो कमी हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up