टटका खबर (सोमार, 17 अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

by | Aug 17, 2015 | 0 comments

पर्यावरण के सुरक्षा खातिर मशहूर मसदर सिटी के दौरा करत पीएम मोदी

पर्यावरण के सुरक्षा खातिर मशहूर मसदर सिटी के दौरा करत पीएम मोदी

  • पुरी से लवटत घरी झारखण्ड के सरायकेला में भइल सड़क हादसा में सिवान के 14 गो कांवड़ियन के मौत पर बिहार सरकार सभका परिवार वालन के चार चार लाख रुपिया अनुग्रह अनुदान देबे के एलान कइले बिया.
  • रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा आजु सोमार का दिने गाजीपुर सिटी टीसन पर बोलावल एगो समारोह में छपरा-बलिया-गाजीपुर-वाराणसी-इलाहाबाद रेलखंड के बिजली वाला बनावे के काम के शुरुआत करइहें. 330 किलोमीटर के एह रेलखंड के बिजली वाला बनावे में 415 करोड़ रुपिया के मंजूरी दीहल गइल बा.
  • सारण जिला के गड़खा-मानपुर सड़क पर दरियापुर थाना भैरोपुर गांव का नियरा एगो बोलेरो वाला मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि जवना से बाइक पर सवार भाई बहिन गंभीराह घवाहिल हो गइले. दुनू के खराब हालत देख पटना मेडिकल काँलेज खातिर रेफर कर दिहल गइल पीएचसी से.
  • छपरा-जलालपुर नेशनल हाईवे पर शनिचर का दिने एगो ट्रक साइकिल वाला के कचार दिहलसि जवना से नूर नगर गाँव के एगो सतरह बरीस के ओह लड़िका के मौत ओहिजे हो गइल. हादसा से खिसियाइल लोग सड़क जाम क के बवाल करे लागल आ ट्रक में आग लगा दीहल. ड्राइवर ट्रक छोड़ के फरार हो गइल रहे.
  • बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के गोपालगंज में होखत सभा में आशा कार्यकर्त्री जम के बवाल कटली आ सभा का दौराने एक दोसरा पर कुरसी के फेंकाफेंकउवल शुरू हो गइल. एह बवाल पर काबू करे में पुलिस के बहुते परेशानी झेले के पड़ल.
  • छपरा मंडल जेल का सोझा से दू बरीस पहिले फरार हो गइल एगो कैदी के मशरक पुलिस फेरू गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. साल 2013 के जनवरी महीना के ओह दिन मशरक पुलिस ओकरा के मकई के बाली चोरावे का आरोप में जेल ले आवत रहुवे जब ऊ जेल का सोझा से भाग पराइल रहुवे. ओह समय ऊ आपन नाम सुदामा बतवले रहुवे जवन गलत निकलल. ओकर असल नाम धनेश्वर साह हउवे.
  • अाजादी के उत्सव का दिने गाजीपुर के जंगीपुर कस्बा छह घंटा ले लड़ाई के मैदान बन के रह गइल जब बिजली आ सड़क खातिर अनशन पर बइठल छात्रनेता के जबरिया अनशन से उठा दीहल गइल. एकरा बाद पुलिस आ नवहियन का बीच गुरिल्ला युद्ध शुरु हो गइल. एह बीच आठ गो बस आ दू दर्जन ट्रक के नुकसान चहुँपावल गइल. एगो बस के त आग लागा दीहल गइल. पुलिस एह बवाल का मामिला में पचास जने के गिरफ्तार कर चुकल बिया आ अउरियो लोग के चिह्ने के काम हो रहल बा. पूरा घटना के वीडियो बनवा लिहले बिया पुलिस.
  • बलिया के ऐतिहासिक महावीरी झंडा जुलूस खातिर तय भइल बा कि सगरी अखाड़ा अपना निर्धारित रूट से आ समय पर निकली आ एहमें कवनो तरह के बदलाब ना कइल जाई, जगहे जगह सीसीटीवी कैमरा लगा के एह लोग पर नजर राखल जाई. बलिया के ई जुलूस राखी का दिने निकलेला आ खास क के बिशुनीपुर मस्जिद इलाका में एह अखाड़ा वालन के जोर देखे के मिलेला.
  • पंचायत चुनाव आवते मतदाता सूची में गड़बड़ करे आ करावे के काम शुरु हो गइल बा. बीएलडब्लू लोग घरे बइठले मनमाना तरीका से नाम निकाल देत बाड़े. जगहे जगह एहसे बवाल के हालत पैदा हो जात बा. एकाध जगहा त प्रधाने लोग के नाम काट दीहल गइल बा.
  • बलिया में नदियन के बढ़ाव लगातार जारी बा. तुर्तीपार दोहरीघाट सहायक परियोजना हेड पर घाघरा खतरे के निशान 64.010 मीटर का लगे ले चहुंप गइल बिया. चैनपुर गुलौरा, मठिया, छोटकी टंगुनिया, खैरा, तूर्तीपार, बिल्थराबाजार, सहिया, रामपुर वगैरह इलाकन में कटान फेरू तेज हो गइल बा. ओने गंगा आ टोंस के जलस्तर में घटाव होखत बा बाकिर एकर फेरू बढ़ला के अनेसा जतवले बावे केंद्रीय जल आयोग.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के यात्रा का मौका पर संयुक्त अरब अमारात के सरकार आबूधाबी में एगो मंदिर बनावे खातिर जमीन अलाॅट करे के फैसला कइलसि जवना खातिर मोदी ओहिजा के सरकार के आभार जतवले बाड़न.
  • उत्तर प्रदेश का मेरठ में लड़की से छेड़छाड़ के विरोध करे वाला सैनिक के पीट पीट के मुआ देबे का मामिला में पुलिस चार गो बदमाशन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. मराइल सैनिक वेदमित्र के शामली ज़िला के तितौली गांव में पूरा सैनिक सम्मान का साथे आखिरी संस्कार क दीहल गइल बा.
  • श्रीलंका में 15वां आम चुनाव के वोट आजु सबेरे से पड़ल शुरु हो गइल बा. पहिले राष्ट्रपति रहल महिंदा राजपक्ष प्रधानमंत्री के रूप में सत्ता में वापसी के भरपूर कोशिश करे में लागल बाड़न. साँझ के वोटिंग खतम होखला का तुरते बाद से वोट गिनाइल शुरू हो जाई.
  • जम्मू-कश्मीर के बालाकोट में सीमापार से होखत गोलाबारी का चलते भारत पाकिस्तान के बीच सुरक्षा सलाहकारन के बइठक टार देबे के दबाव बढ़े लागल बा.
  • चारा घोटाला के सजायाफ्ता आ जमानत पर चलत लालू यादव के सुप्रीम कोर्ट से नोटिस भेजल गइल बा आ कुछ मुद्दा पर उनका से जबाब मांगल गइल बा.
  • गुजरात के एगो निलंबित आईएएस आफिसर संजीव भट्ट के एगो ‘सेक्स वीडियो’ सामने अइला का बाद उनुका के गुजरात के गृह मंत्रालय का तरफ से नोटिस भेजल गइल बा. बाकिर संजीव भट्ट के कहना बा कि वीडियो में देखावल आदमी ऊ ना हउवें केहू दोसर ह जे उनुके जइसन लउकत बा.
  • केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) आजु सोमार का दिने मेडिकल आ डेंटल कोर्स में दाखिला खातिर लीहल गइल परीक्षा के रिजल्ट जारी कर दिहलसि. पहिला बेर भइल परीक्षा रद्द भ‎इला का बाद दुबारा इम्तिहान करावल गइल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up