टटका खबर, 6 मार्च 2017, सोमार

by | Mar 6, 2017 | 0 comments


यूपी विधानसभा चुनाव के सतवाँ आ आखिरी दौर के वोटिंग खाति होखे वाला प्रचार के काम आजु साँझ पाँच बजे से रोक दीहल गइल. एह दौर के वोटिंग 8 मार्च का दिने होखे वाला बा. एह दिन सात जिलन के 40 गो सीट ला वोटिंग होखी.

चुनाव आयोग के निर्देश का चलते अब 8 मार्च के आवे वाला एक्जिट पोल प्रसारण 9 मार्च के साँझ साढ़े पाँच बजे का बादे देखावल सुनावल छापल जा सकी. वोट के गिनिती 11 मार्च के होखी बाकि ओकरा पहिलहीं से अचकर पचीसी के दौर शुरी हो जाला आ कुछ लोग ला ई मनरंजन के साधन होला.

यूपी के चुनाव ला पीएम मोदी आपन जी जान लगा के प्रमचार कइलन आ आजु जील के आस लीहले दिल्ली लवटि गइलन. 1 मई 2016 का दिने बलिया से उज्जवला योजना के उद्घाटन का साथही प्रचार के शुरुआत मानल जा सकेला. बाकि चुनाव के अधिसूचना जारी भइला का बाद पीएम मोदी नाहियो त 20 गो रैली कइलन. एह हालात में यूपी में भाजपा के जीच भी हार के सगरी जिम्मा उनुकरे मानल जाई.

अखिलेश आ राहुलो एह दौरान कम प्रचार नइखन कइले. ई लोग 100 से अधिका रैली आ रोड शो कइल आ राहुल खाति ई बने भा बिगडे वाला चुनाव हो गइल बा. सपो के हार जीत के सगरी जिम्मा अखिलेशे के मानल जाई. अगर सपा का हार भइल त अपना परिवारो में उनुकर छीछालेदर हो सकेला.

बसपा के मायावती बहिनो ला ई चुनाव जीवन मरण के सवाल बनि गइल बा. लोकसभा में आपन भद पिटवा चुकल बसपा अगर इहो चुनाव हारल त मायावती के करिश्मा हमेशा ला खतम माने के अनेसा बनि जाई. मायावती अपना हर रैली में अइसन आभास देत आइल बाड़ी कि सरकार उनुके बने जात बा.

4 मार्च का दिने आजमगढ़ में भइल वोटिंग का बाद से ओहिजा तनाव पसरल बा. वोटिंग का दिने सदर, फूलपुर अउर अतरौलिया में दू गुटन के बीच मारपीट का बादे से पुलिस चौकन्ना बिया आ ओकर कहना बा कि हालात काबू में बा.

आजमगढ़ जिला के बरदह इलाका में भगवानपुर गाँव का नियरा एगो बस आ ट्रक का बीचे भइल टक्कर में एक आदमी के जान चलि गइल आ एक आदमी बहुते घाहिल हो गइल. ट्रक के खलासी के मौत हो गइल जबकि ड्राइवर घाहिल भइल बा.

वाराणसी में एक तरह से लगातार तिसरका दिने रोडशो करत पीएम मोदी आजु गढवाघाट आश्रम में गौसेवा कइलन आ ओकरा बाद देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के पारिवारिक मकान प जा के उनुका के आपन श्रद्धांजलि दीहलन. रामनगर के लाल बहादुर शास्त्री चौराहा प उनुका मूर्ति प फूलमाला चढ़वलन आ करीब आधा किलोमीटर पैदल चलि के संग्रहालय बना दीहल गइल मकान प गइलन.

भोजपुर जिला के आरा शहर के गोला मुहल्ला में नेहरु नगर मुहल्ला से आइल बारात में काल्हु जयमाल का बेरिया खुशी में कइल गइल फायरिंग से एगो नवही घवाहिल हो गइल. बाद में इलाज का बावजूद ओकरा के बचावल ना जा सकल.

केन्द्र सरकार बैंकन से आपन ट्रांजेक्शन चार्ज आ मिनिमम बैलेंस ना रखला प लागे वाला जुर्माना प फेर से सोचे के कहले बिया. पूरा देश में बैंकन के एह फैसला प नाराजगी देखे के मिलल बा.

सारण जिला के गड़खा इलाका के फुलवरिया गांव का नियरा खेत से एगो छात्र के लाश पुलिस बरामद कइलसि. ई लइका फुलवरिए के रहल आ मैट्रिक के परीक्षा देत रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up