सिवना जिला के महोदीपुर में सोरह साल के एगो लड़िका घर वालन से डाँट मिले का डर से जहर खा के जान दे दिहलसि.
बियफे रात के उ अपना घर के टेम्पू ले के सिवान गइल रहे जहाँ गश्ती पुलिस ओकरा के पकड़ लिहलसि आ टेम्पू के थाना ले के चल गइल. राजन घरवालन का डाँट का डर से घरे ना लवटल आ जहर खा लिहलसि. एह बात के जानकारी मिलते पुलिस टेम्पू छोड़ दिहलसि बाकिर तब ले त राजन के जान चल गइल रहे. बाद में ओही टेम्पू से पुलिस राजन के लाश ले के सदर अस्पतला चहुँपल.
0 Comments