दिल्ली में बम विस्फोट : 11 आदमी मरले, 68 जने घवाहिल

by | Sep 7, 2011 | 0 comments

(बुध 7 सितम्बर)

  • दिल्ली बम विस्फोट में घवाहिल लोगन के देखे अस्पताल चहुँपल राहुल गाँधी का खिलाफ खिसियाइल परिजन नारेबाजी कइले जवना का बाद राहुल के सुरक्षा घेरा बढ़ा दिहल गइल. एह बम विस्फोट में नाहियो त एगारह लोग के मौत हो चुकल बा आ अड़सठ आदमी घवाहिल बाड़े.
  • दिल्ली बम विस्फोट के जिम्मेदारी पाकिस्तान से काम करे वाला आतंकवादी संगठन हरकत-उल-जेहादी इस्लामी (हूजी)लिहलसि.
  • दिल्ली बम विस्फोट में मराइल लोग के परिजन के चार चार लाख रुपिया के मुआविजा दिल्ली सरकार का तरफ से दिहल जाई.
  • दिल्ली विस्फोट के सगरी राजनेता निंदा कइले. विपक्ष एकरा के सुरक्षा में चूक बतवलसि. प्रधानमंत्री कहले कि, “ई कायराना काम बा. हमनी का एकरा से निपटब जा आ कबहियो आतंकवाद के दबाव का सोझा ना नवब जा. ई लमहर लड़ाई बा.” राष्ट्रपति के प्रवक्ता अर्चना दत्ता कहली कि, “राष्ट्रपति बम विस्फोट के निंदा कइले बाड़ी आ बेगुनाहन के मौत पर शोक जतवले बाड़ी.” लोकसभाध्यक्ष मीरा कुमारो बम विस्फोट के निंदा करत हताहत होखे वालन खातिर संवेदना व्यक्त करते सदन के कार्यवाही 12.30 बजे ले स्थगित कर दिहली. बाद में सदन के बईठक दुबारा शुरू भइल त केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम कहले कि देश के राजधानी आतंकवादी गुटन के निशाना पर बा. कहलन कि फिलहाल हमलावरन का बारे में साफ जानकारी नइखे. भाजपा के वरिष्ठ नेता लालकृष्ण आडवाणी कहले कि दोषियन के हर हाल में खोज निकाले के चाहीं आ ओकनी के कड़ा दंड देबे के चाहीं. रविशंकर प्रसाद एह पर खेद जतवले कि “आतंकवादी उच्च न्यायालय के सबले व्यस्त दुआर पर हमला कर दिहलसि, आ दिल्ली पुलिस भा सरकार का लगे एकर कवनो जानकारी नइखे.” वामोदल एह घटना के केंद्रीय गृह मंत्रालय आ दिल्ली पुलिस के विफलता बतवले. भाकपा नेता डी. राजा कहले कि एह बाति के जाँच होखे के चाहीं कि कइसे अइसन घटना बार बार होत बा आ सरकार के खोजे के चाहीं कि ई खुफिया तंत्र के विफलता ह कि ओकरा नीतियन के. इंडो-एशियन न्यूज सर्विस.
  • नई दिल्ली, 7 सितम्बर (आईएएनएस). दिल्ली के शेरशाह मार्ग पर दिल्ली उच्च न्यायालय के गेट नम्बर पांच के बहरी आजु बुध का सबेरे भइल बम विस्फोट में कम से कम नौ लोग मारल गइले आ 45 जने घवाहिल हो गइले. घवाहिलन के राममनोहर लोहिया अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बम एगो ब्रीफकेस में लुका के राखल रहे. साल 2008 के मुम्बई बम हमला का बाद विस्फोट के ई तिसरका बड़हन घटना ह. विस्फोट उच्च न्यायालय परिसर के गेट नम्बर पांच के बाहर सबेरे करीब 10.30 बजे भइल जब बहुते भीड़ रहेला आ न्यायालय परिसर में दाखिल होखे खातिर लमहर कतार लागल रहुवे. बम जवना ब्रीफकेस में राखल रहुवे ओकर टुकड़ा मिलल बा. राष्ट्रीय जांच एजेंसी के टीम ओहिजा चहुँप गइल बा आ फोरेंसिक प्रयोगशाला के लोगो आ गइल बा. राष्ट्रीय सुरक्षा गार्ड के टीम सबूत जुटावे में लागल बिया. पूरा इलाका के घेराबंदी कर दिहल बा आ लोग के ओहिजा इकट्ठा ना होखे के कहाइल बा.

    दिल्ली उच्च न्यायालय में पिछला चार महीना का भीतर विस्फोट के ई दोसरकी घटना ह. पिछला 25 मई के एहिजा एगो कम तीव्रता वाला बम विस्फोट भइल रहे जवना में केहू हताहत ना भइल रहे. (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)


    संपादकीय टिप्पणी : हमनी के एह तरह के हमला भा बम विस्फोटन का साथे जिये के आदत डाल लेबे के चाहीं काहे कि हमनी का सरकार का लगे अतना बेंवत नइखे कि अपराधियन के सजा दिलवा सको. देश के राजनीति अतना घटिहा हो गइल बा कि देखल जाये लागल बा कि अपराधी के ह, कवना धरम भा मजहब के ह, कवना प्रांत के हऽ, वगैरह वगैरह. संसद पर हमला के दोषी अफजाल, प्रधानमंत्री रहल राजीव गाँधी के हत्यारन, मुंबई हमला के जियत अपराधी कसाब, आ पंजाब के भुल्लर, ई सब देश आ मानवता के दुश्मन हउवें सँ बाकिर तरह तरह के बहाना खोज के ओकनी के बचावे के कोशिश हो रहल बा. जब अपराधी जानत बाड़े कि ओकनी के सजाय नइखे मिले वाला त ऊ डेरइहें सं केकरा से ? से हमनिये के डेरा के रहे के पड़ी आ नेतवन के आगा गरदन कटावत रहे के पड़ी.

    Loading

    0 Comments

    Submit a Comment

    This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

    अँजोरिया के भामाशाह

    अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
    anjoria@outlook.com
    पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
    अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
    (1)
    अनुपलब्ध
    18 जून 2023
    गुमनाम भाई जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

    (3)

    24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
    (4)
    18 जुलाई 2023
    फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
    (7)
    19 नवम्बर 2023
    पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

    (11)
    24 अप्रैल 2024
    सौरभ पाण्डेय जी
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

    पूरा सूची
    एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

    संस्तुति

    हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
    शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
    शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
    हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

    Categories

    चुटपुटिहा

    सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


    अउरी पढ़ीं
    Scroll Up