देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शुक, 20 फरवरी 2015)

by | Feb 20, 2015 | 0 comments

(बियफे, 19 फरवरी के खबर)
Listen Audio of TatkaKhabar-19-Feb-15

  • बिहार भाजपा विधायक माँझी सरकार के समर्थन में मतदान करे के फैसला लिहले बाड़न. सुशील मोदी कहलन कि माँझी जीतिहें कि हरीहें ई खुद माँझी जानसु. भाजपा त एगो महादलित के अपमान का खिलाफ खड़ा भइल बिया. सुशील मोदी कहलन कि हर जगहा दलित आ महादलित समाज में नीतीश कुमार के चालबाजी का खिलाफ नाराजगी लउकत बा.
  • एह बीच बियफे का दिने ‘भतखई’ के दौर हर खेमा में चलल. नीतीश के भतखई में 125 गो विधायक जुटले. संख्या के गणित त बतावत बा कि माँझी का लगे बहुमत नइखे बाकिर आजु रात में बहुत कुछ हो सकेला आ शुक का दिने हालात बदलियो सकेला. संगही केहू अंदाज ना लगा सके कि शुक का दिने विधानसभा में का होखे जा रहल बा. विधानसभा अध्यक्ष के फैसला सीधे सीधे दलगत राजनीति के मोहरा लागत बा.
  • एही बीच पटना हाईओ कोर्ट के फैसला जरत आग में घीव डाल दिहले बा. पहिलहीं से अल्पमत से चलत माँझी के चार गो विधायकन के वोट देबे पर रोक लगा दिहले बिया अदालत. विधानसभा अध्यक्ष भाजपा से विरोधी दल के हैसियत छीन के जदयू के दे दिहले बाड़न.
  • जदयू राज्यपाल के भाषण के वहिष्कार करे के फैसला कइले बावे. बिहार के राजद विधायक अजय बुलगानिन कहले बाड़न कि ऊ मांझी सरकार के समर्थन करीहें आ दावा कइलन कि उनका गोल के दस गो अउरी विधायक काल्हु मांझी सरकार के समर्थन में वोट करीहे.
  • बियफे का दिनहु यूपी विधानमण्डल के दुनू सदन में विपक्ष के हंगामा जारी रहल. आजु कानून व्यवस्था आ स्वाइन फ्लू के मुद्दा पर बवाल भइल.
  • केन्द्र सरकार गलत तरीका से चार गो सरकारी बंगलन पर काबिज कांग्रेस से चारो बंगला खाली करे के कहले बिया आ कांग्रेस अउरी समय माँगत बिया. एह चारो बंगला के लीज कांग्रेसे के राज में खतम हो गइल रहुवे बाकिर सत्ता के गुमान में कांग्रेस ओह समय लीज के नवीकरण ना करवलसि आ 26 जून 2013 का बाद से एह बंगलन पर नाजायज तरीका से टिकल बिया. केन्द्र सरकार अब एह समय के किरायो मँगले बिया कांग्रेस से.
  • पैट्रोलियम मंत्रालय में जासूसी करे वाला दू गो अधिकारियन समेत पाँच जने के दिल्‍ली पुलिस गोपनीय सरकारी दस्‍तावेज लीक करे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहले बिया. दिल्‍ली पुलिस के कहना बा कि ओहू लोग के पहचान क लिहल गइल बा जे एह दस्तावेजन के हासिल कइलसि.
  • आई आई सी विश्‍व कप क्रिकेट में बियफे का दिने ओवल में भइल मैच में जिम्‍बाब्‍वे टीम संयुक्‍त अरब अमारात के चार विकेट से हराके आपन पहिलका जीत हासिल कइलसि. अमारात पहिले बल्‍लेबाजी करत सात विकेट पर 285 रन बनवलसि जवना के 48 ओवर में जिम्‍बाब्‍वे छह विकेट गँवा के हासिल क लिहलसि. शुक का दिने वेलिंग्‍टन में न्‍यूजीलैंड आ इंग्‍लैंड के बीच मैच होखी.
  • आलू के निर्यात पर बाधा बनल एकर सबले कम दाम के सीमा केन्द्र सरकार हटा के किसानन के आलू के बढ़िया दाम पावे के राह खोल दिहले बिया. आलू के उपज एह साल बढ़िया भइल बा जवना चलते दाम गिर गइल बा. एह हालात में आलू के न्‍यूनतम निर्यात मूल्‍य 450 डॉलर प्रति टन होखे के सीमा खतम क दिहल गइल बा.
  • अमेरिकी कांग्रेस में पहिलका हिंदू सांसद तुलसी गैबार्ड के शादी अप्रैल में सिनमैटोग्राफर अब्राहम विलियम्स संगे वैदिक रीति रिवाज से होखे वाला बा.
  • महाशिवरात्रि के अगिलके दिने जमीयत उलेमा के सदस्य मुफ्ती मोहम्मद इलियास कह दिहलन कि देश के सगरी हिन्दू मुसलमान सनातनीए हउवे आ सभे भगवान शिव आ माता पार्वती के संतान हवे. ऊ त इहाँ ले कह दिहलें कि भगवान शिव हमनी के पहिलका पैगंबर रहलन.
  • भारत के सेना बियफे का दिने ओडिशा के बालासोर समुद्र तट से 350 किलोमीटर दूर मार करे वाला अपना पृथ्वी मिसाइल के कामयाब परीक्षण कइलसि. एकरा के मोबाइल लॉन्चर से छोड़ल गइल.

  • मोदी के पहिरल सूट के नीलामी में बोली एक करोड़ 48 लाख ले जा चहुँपल. बोली लगावे के दौर शुक के साँझ ले जारी रही.
  • एचडीएफसी, इंफोसिस आ एलएनटी के फायदा देख बंबई शेयर बाजार में बढ़त के सिलसिला आजु सतवों दिने जारी रहल.
  • उत्तर प्रदेश में बोर्ड परीक्षा बियफे से शुरू हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up