देश दुनिया के खबर

by | Sep 6, 2011 | 0 comments

(मंगल 6 सितम्बर)
देश

  • अवैध खनन मामिला में सरकार के अधिकारियन के सनाइल होखला के जाँच कड़ी सीबीआई.
  • पद्मनाभस्वामी मंदिर से निकलल खजाना के हिसाब लगावे खातिर विशेषज्ञ एजेंसी के सेवा लिहल जाई. अदालत छठवाँ तहखाना खोले का बारे में कवनो फैसला ना लिहलसि.
  • लोकपाल मसला पर संसद के स्थायी समिति के बइठक बुध का दिने हो सकेला. अबहीं समिति के पुनर्गठन के प्रक्रिया जारी बा.
  • भारत-बांग्लादेश अपना साझेदारी के नया रूप देबे पर सहमत. भूमि विवाद से लगाइत बाघ संरक्षण जइसन कई मुद्दा पर करार पर दस्तखत भइल.
  • आजुवो गुजरात में लोकायुक्त नियुक्ति विवाद का चलते संसद के दुनु सदन के काम में बाधा पड़ल. राज्यसभा में कवनो काम काज ना हो सकल लोकसभा में सिर्फ उड़ीसा के नाम बदले वाला विधेयके पारित हो पावल.
  • केंद्रीय पर्यावरण आ वन राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) जयंती नटराजन राज्यसभा में बतवली कि देश में अबहीं 2547 वन ग्राम बावे जवना में से कवनो के राजस्व ग्राम में नइखे बदललल गइल.
  • जयपुर में दक्षिणपूर्व एशिया क्षेत्रीय समिति के 64वां अधिवेशन के शुभारम्भ भइल. तीन दिन के एह अधिवेशन में टीकाकरण अभियान के तेज कइल, कुपोषण आ कम-पोषण आ गैर-संक्रामक रोगन पर काबू करे के उपाय जइसन कई मुद्दन पर विचार-विमर्श होखी.
  • गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी जल्दिये हिमाचल प्रदेश के दौरा करीहें. उनुका के हिमाचल प्रदेश सरकार का ओर से बोलावल गइल बा.
  • साल 2008 के ‘वोट खातिर नोट’ मामिला में अमर सिंह के गिरफ्तारी का बाद भाजपा कहले बिया कि अमर सिहं के एह मामिला के पीछे के लोग के नाम बतावे के चाहीं.
  • आंध्र प्रदेश में वाईएसआर कांग्रेस पार्टी के प्रमुख वाई. एस. जगनमोहन रेड्डी के समर्थक राज्यपाल से भेंट कइले आ आपन इस्तीफा सकारे के दबाव बनवले.
  • अब किरण बेदी मँगली विशेषाधिकार हनन के सबूत. कहली कि बतावल जाव कि ऊ सांसदन का खिलाफ अपमानजनक भाषा के इस्तेमाल कब आ कहवाँ कइले रही.
  • लोकसभा मंगल का दिने उड़ीसा के ओडिशा आ उड़िया भाषा के नाम ओडिया राखे खातिर संविधान संशोधन के मंजूरी दे दिहलसि.
  • खनन मामिला में जनार्दन रेड्डी के गिरफ्तारी से उपजल हालात पर भाजपा अध्यक्ष नीतीन गडकरी से चर्रचा जरे मुख्यमंत्री सदानंद गौड़ा, आ मुख्यमंत्री पद से हालही में हटल येदियुरप्पा नागपुर गइल बाड़े. जेल में रेड्डी भाई लोग आम कैदियन का तरह रात गुजारल.
  • गुजरात में लोकायुक्त के नियुक्ति से उठल विवाद पर आजु कांग्रेसी नेता राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील से भेंट कइले आ कहले कि लोकायुक्त के नियुक्ति सही बा.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु ढाका यात्रा पर बांग्लादेश चहुँपले. एह बीच ओहिजा के एगो मंत्री कहले कि अगिला साल से पहिले भारत के पारगमन सुविधा दिहल संभव नइखे.
  • गुजरात में लोकायुक्त के नियुक्ति का विवाद का चलते आजुओ राज्यसभा के बईठका टार देबे के पड़ल.
  • केंद्रीय भारी उद्योग आ सार्वजनिक उपक्रम मंत्री प्रफुल्ल पटेल के कहना बा कि घाटा में चलत सार्वजनिक कम्पनी स्कूटर्स इंडिया लिमिटेड खातिर बोली बोलावे के प्रक्रिया अबही शुरू नइखे भइल.
  • खाली कानूने बना लिहला से भ्रष्टाचार ना हट जाई. कहलें श्री श्री रविशंकर.
  • हुर्रियत कांफ्रेंस के कट्टरपंथी धड़ा के मुखिया सैयद अली गिलानी के गोहार पर आजु काश्मीर आ श्रीनगर में जनजीवन प्रभावित भइल बा.
  • भारतीय वायु सेना के एगो लड़ाकू विमान मिग-21 आजु फजीरे पंजाब में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. ओह पर सवार दुनु पायलट बाँच गइल बाड़े.
  • ममता बनर्जी के नाराजगी का चलते तीस्ता संधि के सम्भावना नइखे, तबहियो कोशिश जारी बा.
  • केंद्र सरकार कहले बिया कि अगिला साल 31 मार्च तक देशभर के 2,100 न्यायालय परिसरन में चलत 12,000 अदालतन के ई-कोर्ट मिशन मोड परियोजना के तहत कम्यूटरीकृत कर दिहल जाई.
  • युवक कांग्रेस दफ्तर पर साल 1993 में कार बम विस्फोट करे का मामला में मौत के सजा पवले देवेंदर पाल सिंह भुल्लर के सर्वोच्च न्यायालय संशोधित याचिका दायर करे के अनुमति दे दिहलसि.
  • मुम्बई में अगिला साल 2012 से मेट्रो के परिचालन शुरू हो जाई. 2,356 करोड़ रुपिया के लागत से शुरु भइल मुम्बई मेट्रो रेल के पहिला परियोजना के 80 फीसदी से बेसी काम पूरा हो गइल बा.
  • तमिलनाडु के तिरुचिरापल्ली का लगे काल्हु दू गो बस के टक्कर में 14 लोग के जान चल गइल आ सात जने घवाहिल हो गइले.
  • राजस्थान में भारी बरखा का चलते दू गो मकान घहला से कम से कम चार लोग के मौत हो गइल बा.
  • लोकसभा के एगो प्रोटोकॉल अधिकारी 26 अगस्त से लापता बाड़न. ऊ झांसी जाये वाला रेलगाड़ी में सवार भइल रहले आ ओकरा बाद उनुकर पता नइखे चलत.
  • झारखण्ड के धनबाद जिला में घोटाला मामिला में आपन गिरफ्तारी से बाँचे खातिर अपना के मरल घोषित करवा चुकल एगो डाक्टर के सोमार का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल.

दुनिया

  • लीबिया के गद्दाफी समर्थक एगो सशस्त्र काफिला आजु पड़ोसी देश नीजेर में दाखिल भइल बा.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहले बाड़न कि बांग्लादेशी मछली हिल्सा के सवाद चखे खातिर ऊ आपन शाकाहारी दर्जा छोड़ सकेले.
  • बांग्लादेश प्रधानमंत्री शेख हसीना के सुरक्षा ड्यूटी में कई गो औरतो तैनात बाड़ी जिनका हाथ में हरमेसा बंदूक रहेला आ अंगुरी ओकरा घोड़ा पर.
  • रूस में मिग-31 दुर्घटनाग्रस्त, 2 गो पायलटन के मौत.
  • एगो सर्वेक्षण में कहल गइल बा कि अमेरिकी नागरिकन के एगो बड़हन हिस्सा के मानना बा कि मध्य पूर्व में अमेरिकी नीतियने का चलते न्यूयार्क आ पेंटागन में 11 सितम्बर, 2001 के हमला भइल रहे.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु मंगल का दिने दू दिन के बांग्लादेश यात्रा पर चल गइले. उनुका साथ चार गो राज्य के मुख्यमंत्रियो लोग गइल बा. तिस्ता समझौता के विरोध करत ममता बनर्जी जाये से इंकार कर दिहली जवना चलते तिस्ता समझौता खटाई में पड़ गइल बा.
  • ब्रिटेन के विदेश मंत्री विलियम हेग एह बात कर पुष्टि कइले बाड़े कि ब्रिटेन के एगो दल राजनयिक मिशन पर लीबिया के राजधानी त्रिपोली गइल बा.
  • पाकिस्तान के क्वेटा शहर में सेना तीन गो अलकायदा नेतवन के गिरफ्तार कर लिहलसि. कहल जात बा कि ई लोग अमेरिका, यूरोप आ आस्ट्रेलिया के आर्थिक हित पर हमला करे के योजना बनावत रहले.

व्यापार व्यवसाय

  • केंद्रीय पोत परिवहन राज्यमंत्री मुकुल राय कहले बाड़न कि अबले पांच गो जलमार्ग के राष्ट्रीय जलमार्ग घोषित कइल जा चुकल बा. अब एही क्रममें असम में लखीपुर से भांगा तक बराक नदी के जलमार्ग बनावे के विचार होत बा. एकरा के छठवाँ राष्ट्रीय जलमार्ग घोषित कइल जाई.
  • केंद्रीय भारी उद्योग आ सार्वजनिक उद्यम मंत्री प्रफुल्ल पटेल कहले कि ऑटो उपकरण निर्माण के बढ़ावा देबे खातिर सरकार नियम कायदा के अउरी सरल बनावे के कोशिश करी.
  • दक्षिणी दिल्ली के दिल्ली हाट में मंगल का दिने ग्रीनपीस के कार्यकर्ता 350 किलोग्राम बैगन के चोखा बना के आनुवांशिक रूप से संशोधित (जीएम) फसलन आ बीटी बैगन के मंजूरी देबे के प्रस्ताव का विरोध में दुनिया के अबले सबसे बड़ प्रदर्शन कइले.
  • एक जमाना में स्कूटर के शौकीन लोगन के पसंदीदा सवारी रहल वेस्पा अगिला साल मार्च ले फेर भारत के सड़कन पर लउके लागी. एकर उत्पादन शुरू होखे जा रहल बा.
  • सरकार के उम्मीद बा कि ऊ मौजूदा कारोबारी साल में 4.6 फीसदी वित्तीय घाटा के लक्ष्य हासिल कर ली.
  • इटली के ऑटोमोबाइल कम्पनी फिएट के भारतीय सहायक कम्पनी देश भर के 20 शहरन में अगिला डेढ़ साल के भीतर शोरूम खोले के फैसला कइले बिया आ कम्पनी टाटा मोटर्स के साथे मिलके अपना गाड़ियन के निर्माण चालू राखी.
  • संयुक्त राष्ट्र व्यापार एवं विकास सम्मेलन कहले बा कि वैश्विक अर्थव्यवस्था में सुस्ती का चलते साल 2011 में भारत के आर्थिक विकास दर पर साल का मुकाबिले कम रहे के अनेसा बा.
  • रोजगार सृजन पर कांग्रेस में अपना प्रस्तावित खास भाषण से पहिले राष्ट्रपति बराक ओबामा कहले बाड़न कि ‘राजनीतिक खेल’ बंद करके विपक्षी रिपब्लिकन के चाहीं कि ऊ मध्य वर्ग खातिर कइल जा रहल पहल के समर्थन करे.
  • शुरूआती गिरावट का बाद आजु देश के शेयर बाजार सेंसेक्स में 149.48 अंक का बढ़ती का साथे बन्द भइल.
  • महंग मोटरसाइकिल बाजार में आपन स्थिति मजबूत करे खातिर इंडिया यामाहा मोटर प्राइवेट लिमिटेड आजु ‘आर15 वर्जन 2.0’ मोटरसाइकिल बाजार में उतरलसि. दिल्ली में एकर दाम 1,07,000 रुपिया पड़ऽता.

मनोरंजन

  • फिल्म ‘जिंदगी ना मिलेगी दोबारा’ में मोटरबाइक चला ले एहमें माहिर हो चुकल बॉलीवुड अभिनेत्री कैटरीना कैफ टेलीविजन कार्यक्रम ‘लिव माई लाइफ’ खातिर अपना एगो सौभाग्यशाली प्रशंसक के मुम्बई में मोटरबाइक से घूमवली.
  • अभिनेता इमरान हाशमी लाख कोशिश का बादो आपन चुम्मा लेबे वाला छवि से बाहर नइखन निकल पावत. उनुकर अगिला फिलिम ‘द डर्टी पिक्चर’ एह छवि के अउरी पोढ़ बना दी.
  • अमेरिका के पीट्सबर्ग शहर में भइल सफल शल्य चिकित्सा का बाद बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान के डबलिन में 10 सितम्बर से यशराज बैनर के फिल्म ‘एक था टाइगर’ के शूटिंग शुरू करे के उमेद बा.

खेल

  • बरखा का चलते भारत आ इंग्लैंड के बीच के दुसरका एकदिना क्रिकेट मैच समय से शुरू ना हो सकल आ अब बरखा रुकला का बाद मैच शुरु भइल बा त एकरा के 23 ओवर के कर दिहल गइल बा.
  • केंद्रीय खेल मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) अजय माकन लोकसभा में बतवले कि अंतर्राष्ट्रीय स्पर्धा में हिस्सा लेबे वाला देश के खिलाड़ियन के पिछला चार साल में अभ्यास खातिर लगभग 14 करोड़ रुपिया बाँटल गइल.
  • भारतीय ओलम्पिक संघ भारत से हॉकी के चैम्पियंस ट्रॉफी के मेजबानी छीने के अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ के फैसला के ‘दुर्भाग्यपूर्ण आ बिना जरूरत’ बतवले बा. कहले बा कि एफआईएच अपना फैसले पर फेर से सोचे.
  • ग्राहम गूच के इंग्लैंड क्रिकेट टीम के पूर्णकालिक बल्लेबाजी कोच नियुक्त कइल जाई. अबही सलाहकार के तौर पर काम करत गूच आपन दू साल के कार्यकाल पूरा होखला का बाद नया सिरा से ई काम सम्हरीहें.
  • अमेरिकी ओपन में भारत के लिएंडर पेस आ महेश भूपति के विजय अभियान जारी बा. पेस रूस के एलीना वेस्नीना का साथे मिश्रित युगल के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़े.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी में आजु भारत अपना तीसरा मैच में कोरिया के 5-3 से हरा दिहलसि.
  • पाकिस्तान के साइकिल चालकन के भारत में 11 सितम्बर से होखे वाला अंतर्राष्ट्रीय रोड साइकिल टूर्नामेंट टूर-डी-दिल्ली में हिस्सा लेबे के भारत सरकार से अनुमति मिल गइल बा.
  • विश्व में हॉकी की सर्वोच्च संस्था-अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ भारत से प्रतिष्ठित चैम्पियंस ट्रॉफी-2011 के मेजबानी छीन लिहलसि. अब नया मेजबान के नाम बाद में बतावल जाई. भारत में हाकी संघ के नाम पर दू गो संस्था में विवाद चलत बा.
  • गॉल टेस्ट के पिच के जांच करी आईसीसी.
  • भारत के लिएंडर पेस आ रूस के महिला टेनिस खिलाड़ी एलीना वेस्नीना के जोड़ी अमेरिकी ओपन ग्रैंड स्लैम के मिश्रित युगल स्पर्धा के सेमीफाइनल में आ गइल बा.
  • भारत के लिएंडर पेस अउर महेश भूपति के जोड़ी हमवतन सोमदेव देवबर्मन आ फिलीपींस के ट्रीट कोनरार्ड हुए के जोड़ी के सीधे सेटन में हराके अमेरिकी ओपन ग्रैंड स्लैम के क्वार्टर फाइनल में आ गइल बा.
  • इंगलैण्ड का साथे दुसरका एकदिना मैच आजु. सचिन तेंदुलकर सिरीज से बाहर
  • सर्बियाई टेनिस खिलाड़ी नोवाक जोकोविक आ फ्रांस के जो-विल्फ्रेड सोंगा आपन-आपन मुकाबला जीतके अमेरिकी ओपन ग्रैंड स्लैम के अंतिम-8 दौर में आ गइल बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up