देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 28, 2011 | 0 comments

(मंगल 27 सितम्बर)
देश

  • जेपीसी 2जी मामिला में वित्त मंत्रालय के अधिकारियन से पूछताछ करे के फैसला लिहले बिया त सरकार चिदम्बरम के बचावे खातिर एकजुट हो गइल बिया.
  • ए राजा अदालत से कहले बाड़न कि ट्राई रिपोर्ट के जानबूझ के सीबीआई अदालत में पेश नइखे करत. राजा के दावा बा कि सगरी फैसला मंत्रिमण्डल के सहमति से लिहल गइल रहे.
  • मुम्बई उच्च न्यायालय मंगल का दिने शिवसेना के एह बाति के अनुमति दे दिहलसि कि ऊ शिवाजी पार्क में पारम्परिक दशहरा रैली निकाल सकेले.
  • विदेश मंत्री एस.एम. कृष्णा अपना पाकिस्तानी समकक्ष हिना रब्बानी खार से न्यूयार्क में कहलन कि आतंकवाद का खिलाफ लड़ाई में ‘चुनिंदा तरीका’ ना अपनावल जा सके आ पाकिस्तान के अपना जमीन से आतंकवादी शिविर खतम कर देबे के चाहीं.
  • तेलंगाना संकट खातिर भाजपा गृहमंत्री चिदम्बरम के जिम्मेदार बतवले बिया. चिदम्बरम नौ दिसम्बर 2009 के स्वतंत्र आ अलग तेलंगाना राज्य बनावे का दिसाईं प्रक्रिया शुरू होखे के एलान कइले रहन.
  • भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता अरुण जेटली मंगल का दिने कहलन कि पार्टी में प्रधानमंत्री पद के ढेरे दावेदार बाड़न आ सही समय पर एहमें से जे सबले बढ़िया होखी ओकरा के चुन लिहल जाई.
  • बाबा रामदेव का आन्दोलन का दौरान पुलिस लाठीचार्ज में घवाहिल राजबाला के मौत पर भाजपा गृह मंत्री चिदम्बरम से जबाब मँगले बिया कि ऊ बतावस कि राजबाला के मौत के जिम्मेदार के बा. आजु मंगल का दिने राजबाला के अंतिम संस्कार कर दिहल गइल जवना में बाबा रामदेव, सुषमा स्वराज, आ ओम प्रकाश चौटाला शामिल भइले.
  • केन्द्र सरकार के मंत्री ए के एंटनी आ वीरप्ना मोइली एह बाति के नकरले बाड़न कि मंत्रिमण्डल में मंत्रियन का बीच कवनो तरह के टकराव बा. ओने प्रधानमंत्री कहले बाड़न कि ऊ चिदम्बरम का साथे पूरा तरह से बाड़े. प्रधानमंत्री विपक्ष पर दोष लगवले बाड़न कि विपक्ष देश में मध्यावधि चुनाव करावल चाहत बा.
  • सीबीआई केन्द्र सरकार के रुख के कड़ा विरोध करत कहले बिया कि ओकरा के केहू ना बता सके कि ओकरा का आ कइसे करे के चाहीं. सीबीआई के विरोध ओह बाति पर आइल बा जवना में केन्द्र सरकार कहले रहे कि सीबीआई स्वाभाविक रूप से सुब्रह्मण्यम स्वामी के पेश दस्तावेजन के अध्ययन करी. सीबीआई नइखे चाहत कि चिदम्बरम का खिलाफ कवनो तरह के जाँच कइल जाव.
  • भाजपा के मध्यप्रदेश अध्यक्ष सांसद प्रभात झा प्रधानमंत्री आ सोनिया गाँधी के 32-32 रुपये के डिमांड ड्राफ्ट भेज के कहले बाड़न कि ऊ लोग एतना में एक दिन जी के देखा देव.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय मंगल का दिने वरिष्ठ कांग्रेसी नेता नारायण दत्त तिवारी के अदालत के बेइज्जति करे के नोटिस जारी कइलसि काहे कि ऊ अदालत के निर्देश का बावजूद अपना खून के नमूना ना दिहले.
  • आडवाणी के रथ यात्रा में जदयू सहयोगी के भूमिका निभाई.
  • राहुल गांधी जम्मू काश्मीर का दौरा पर नवहियन से कांग्रेस में शामिल होखे के गोहार लगवले बाड़न.
  • अदालत अमर सिंह के अंतरिम जमानत 28 सितम्बर तक ले बढ़ा दिहलसि.
  • दिल्ली में 12वीं के एगो छात्र शांतनु गंगवार सूरदासन खातिर एगो खास तरह के छड़ी बनवले बाड़े जवन कवनो बाधा का बारे में एक फुट पहिलही से बता दी. एह खातिर शांतनु के वैज्ञानिक अउर औद्योगिक अनुसंधान परिषद डायमंड जुबली इन्वेंशन अवार्ड से सम्मानित कइले बा.
  • वोट खातिर नोट मामिला में सुधींद्र कुलकर्णी के तिहाड़ जेल में एक अक्टूबर तकले भेज दिहल गइल बा. सुधीन्द्र के एह पूरा मामिला के सूत्रधार होखे के आरोप लगावल गइल बा जबकि उनुकर कहना बा कि ऊ त बस सगरी बात उजागर करवलन. खेत खइलसि गदहा मार खाता जोलहा !
  • चीन से सीमा विवाद हल करे खातिर भारत जल्दिये एगो संयुक्त तंत्र बनाई. एह दिसाईं काम शुरु हो गइल बा.
  • 2जी स्पेक्ट्रम घोटाले के जांच करत जेपीसी में शामिल विपक्षी सदस्य सरकार के एह बाति खातिर बहुते आलोचना कइले बाड़न कि केंद्रीय वित्त मंत्रालय जवना टिप्पणी कें प्रधानमंत्री कार्यालय के भेजले बावे ओकर कॉपी ऊ समिति के नइखे भेजत.
  • अनजान लोग के कब्र पर चरचा करावे से नकरला के विधानसभा अध्यक्ष का फैसला का खिलाफ पीडीपी विधायक जम्मू काश्मीर विधानसभा से वाकआउट कइले.
  • तेलंगाना के समर्थन में राज्य के कई मंदिरन के पुजारी आगे आइल बाड़े.
  • मेघालय के वरिष्ठ पुलिस अधिकारी एन. रामचंद्रन के राज्य के नया पुलिस महानिदेशक बनावल गइल बा,
  • केरल उच्च न्यायालय विपक्ष के नेता वी.एस.अच्युतानंदन के ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि जवना में कोझिकोड आइसक्रीम पार्लर सेक्स स्कैंडल मामिला के जांच केंद्रीय जांच ब्यूरो से करावावे के मांग कइल रहे.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह फ्रैंकफर्ट से भारत लवटति में जहाजे में एगो चाकलेट केक काट के आपन 79वां जन्मदिन मनवलन.
  • मंगल का दिने जम्मू कश्मीर में भइल एगो मुठभेड मे 3 गो आतंकवादी मरा गइले जबकि 3 गो पुलिसोवाला शहीद हो गइले.
  • झामुमो विधायक टेकलाल महतो के मंगल फजीरे दिल के दौरा पड़ला से रांची के एगो अस्पताल में निधन हो गइल.
  • गिद्ध के बाद अब बिलाये के बारी आइल बा सारस पक्षियन के. गिद्ध इंसान का गलती से बिला गइले अब सारस के बारी बा.

दुनिया के खबर

  • चीन में दुनिया भर के प्रमुख मीडिया संगठन मंगल का दिने बौद्धिक सम्पदा अधिकार के सुरक्षा, नया मीडिया के उदय आ दुनिया के मीडिया समूहन का बीच सहयोग पर बतियावे खातिर बईठक कइलन.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं अनेसा जतवले बाड़न कि लीबिया में गृह युद्ध शुरू हो सकेला.
  • अमेरिका के हाउस ऑफ रिप्रजेंटेटिव में एगो सदस्य प्रस्ताव रखले बाड़न कि विश्वासघाती पाकिस्तान के दिहल जाये वाला सगरी सहायता बन्द कर दिहल जाव, परमाणु हथियारन के सुरक्षा खातिर दिहल सहायता छोड़ के.
  • मुअम्मार गद्दाफी के कहना बा कि ऊ अबहियो लीबिये में बाड़न आ लड़त लड़त शहीद होखे के तईयार बाड़े.
  • लंदन में संदिग्ध पाकिस्तानी मूल के छह गो आत्मघाती बम हमलावरन के एगो गिरोह के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया. ई लोग लंदन में आफत मचावे वाला रहल.
  • पाकिस्तान आ चीन 25 करोड़ डॉलर के समझौता पर सोमार का दिने दस्तखत कइले. एह समझौता से आर्थिक अउर प्रौद्योगिकीय सहयोग, राहत सामग्री, आपात मानवीय सहायता आ राष्ट्रीय राजमार्गन के मरम्मत करावल जाई.
  • संयुक्त राष्ट्र महासभा के बइठक में शामिल होके लवटल नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टारई संकट में पड़ गइल बाड़न काहे कि पुलिस उनुका एगो मंत्री के एगो हिंदू नेता के हत्या का मामिला में गिरफ्तार कइल चाहत बिया.
  • लाहौर में डेंगू से 106 मरले.
  • चीन भरोसा दिअवले बा कि ऊ पाकिस्तान के साथ देत रही. ई बाति तब कहल गइल बा जब पाकिस्तान आ अमेरिका के बीच के संबंध बिगड़ल जात बा.
  • शंघाई में मंगल का दिने एगो मेट्रो रेल दुर्घटना में 240 से अधिका यात्री घाहिल हो गइल बाड़े. ई हादसा पीछे से आवत एगो रेलगाड़ी के आगे वाली गाड़ी में टक्कर मरला से भइल.
  • मंगल का दिने पाकिस्तान के सर्वोच्च न्यायालय के वेबसाइट हैक हो गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • अनिल अम्बानी कहले बाड़न कि उनुकर कंपनी रिलायंस कैपिटल बैंकिंग व्यवसाय में उतरे के योजना बना रहल बिया.
  • मंगल , 27 सितम्बर से मोबाइल उपभोक्ता के टेली मार्केटिंग कम्पनियन के मोबाइल कॉल आ संदेशन पर पाबंदी लागू हो गइल बा.
  • रिलायन्स कम्यूनिकेशंस आपन टावर कारोबार करे वाली इकाई बेचे जात बिया आ एकरा खातिर चलत बातचीत अब आखिरी दौर में बा.
  • मंगल का दिने सेंसेक्स 473 अंक के तेजी का साथ बंद भइल बाकिर पिछला हफ्ता के गिरावट हजार अंक से बेसी के रहल.
  • भारत आ अफगानिस्तान का साथे बाँध निर्माण आ जल परियोजना से जुड़ल मुद्दा सलटावे खातिर पाकिस्तान एगो समिति बना दिहलसि.

मनोरंजन का दुनिया से

  • औसत दर्जा के फिल्म ‘मौसम’ सप्ताहांत में 22 करोड़ रुपिया के कमाई कर देखवलसि. शाहिद कपूर आ सोनम कपूर एकर मुख्य कलाकारा बाड़े.
  • अभिनेत्री पूजा बत्रा पांच साल बाद बॉलीवुड में सागर बल्लारी के फिल्म ‘हम तुम शबाना’ से वापसी करे जा रहल बाड़ी.
  • पेरिस हिल्टन देश से लवटत घरी कहत गइली कि भारत खूबसूरत बा लेकिन ऊ एकर गरीबी देखि के हरान रह गइली.
  • अभिनेता जायद खान के मानना बा कि ऊ जमाना चल गइल जब कवनो बड़का सितारा दोस्ती का नाम पर एक दोसरा के फिलिमन में काम करत रहले. एही चलते जायद अपना फिल्म ‘लव ब्रेकअप्स जिंदगी’ खाति कवनो सितारा से सम्पर्क ना कइलन.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग मैच में आजु मंगल का दिने भइल मैच में आस्ट्रेलिया के रेडबैक्स टीम ने कोलकाता नाइट राइडर्स टीम के 19 रन से हरा दिहलसि.
  • मलेशिया ओपन में पहिला दौर में जीत के सोमदेव दुसरका दौर में साइप्रस के बघदातिस से भिड़ीहें.
  • भारतीय ओलम्पिक संघ खेल मंत्रालय से कहले बा कि राष्ट्रमंडल खेलन खातिर बनवावल स्टेडियमन के खिलाड़ियन आ खेल महासंघन खातिर खोल दिहल जाव.
  • अंडर-19 क्रिकेट में भारत आस्ट्रेलिया के 10 विकेट से हरवलसि. चार देश के बीच ई क्रिकेट प्रतियोगिता विशाखापट्टनम में चलत बा.
  • भारतीय टेनिस के नया आयाम देबे वाला लिएंडर पेस अब फुटबाल के दशा आ दिशा सुधारल चाहत बाड़न आ एह खातिर ऊ अखिल भारतीय फुटबाल महासंघ के ब्रैंड अम्बेसडर बनके देश में फुटबाल के बढ़ावा दिहल चाहत बाड़े.
  • पोलो विश्व कप में खेले खातिर भारतीय टीम अर्जेटीना रवाना हो गइल.
  • इंग्लिश प्रीमियर फुटबाल लीग मैच में नॉर्विच सिटी संडरलैंड के 2-1 से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up