देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 12, 2011 | 0 comments

(सोमार 12 सितम्बर)
देश

  • आमदनी से बेसी के संपत्ति राखे का मामिला में सुप्रीम कोर्ट जयललिता के बेंगलुरू का अदालत में 20 अक्टूबर के पेश होखे के कहलसि.
  • मध्य प्रदेश के सीहोर जिला में अपना पांच गो बेटियन के कुल्हाड़ी से काट देबे वाला हत्यारा बाप मगन लाल के जबलपुर उच्च न्यायालय फांसी के सजा सुनवलसि.
  • गुजरात सरकार ने सर्वोच्च न्यायालय के उस फैसले पर खुशी जताई है, जिसमें गुलबर्ग सोसाइटी से सम्बंधित जाकिया जाफरी की याचिका पर सुनवाई करते हुए न्यायालय ने पूरे मामले को निचली अदालत में ले जाने के लिए कहा है।
  • वायु सेना आपन क्षमता बढ़ावे ला आधुनिक तकनीक के सिमुलेटर के जरूरत बतवले बिया जवना से लागतो में कमी आई आ जानमाल के नुकसानो कम होई.
  • आपरेशन करा के लवटल सोनिया गाँधी अबही केहू से मिलत जुलत नइखी. उनुकर स्वास्थ्य लगातार सुधर रहल बा.
  • टीम अन्ना हजारे न्यायिक मानदंड आ जवाबदेही विधेयक, 2010 वापस लेबे के माँग कइले बा काहे कि एह विधेयक में न्यायाधीशन के खिलाफ भठियरपन के आरोप के जाँच करे के प्रावधाने नइखे.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय नाराजगी जाहिर कइले बा कि तीन साल पहिले केंद्र सरकार से मिल 2.47 एकड़ जमीन के प्रकृति आवासीय से बदलके सांस्थानिक नइखे कइलसि सरकार. कहले बा कि दू दिन का भीतर अधिसूचना जारी होखो.
  • भारतीय वायुसेना में कोर्ट मार्शल के शिकार बनल पहिला महिला अधिकारी अंजलि गुप्ता के आत्महत्या करे का मामिला में उनुकर संगी आ वायुसेना के ग्रुप कैप्टन अमित गुप्ता पर संदेह कइल जा रहल बा.
  • गुलबर्गा मामिला में सुप्रीम कोर्ट के फैसला का बाद कि मामिला निचला अदालत में पेश कइल जाव गुजरात के मुख्यमंत्री भगवान के धन्यवाद दिहले. ओने जाकिया जाफरी कहले बाड़ी कि उनुका निराशा भइल बा. भाजपा एह फैसला के स्वागत कइले बिया आ कहत बिया कि न्यायालय से मोदी के राहत दिहले बा. जबकि कांग्रेस एह फैसला के कवनो तरह से मोदी के मिलल क्लीन चिट नइखे मानत.
  • गोवा में एगो भाजपा विधायक पार्टी छोड़ के कांग्रेस में जाये के एलान कइले. विधायक राजेश पाटनेकर के कहना बा कि कांग्रेस उनुका इलाका के सौ लोग के सरकारी नौकरी देबे के आ उनुका के टिकट देबे के वादा कइले बिया.
  • जयललिता तमिलनाडू का रामनाथपुरम में अतवार का दिने भइल पुलिस गोलीबारी के जांच के आदेश दिहली जवना में छह लोग मरा गइल रहे.
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में आईसीआईसीआई बैंक के एटीएम तूड़ के ओहमें राखल छह लाख 61 हजार रुपिया चोरा लिहल गइल बा. पुलिस केस दर्ज कर के जांच करत बिया.
  • दिल्ली विस्फोट मामले में सात लोग के हिरासत में लिहला का खिलाफ कश्मीर में प्रदर्शन भइल आ एगो मस्जिद के मौलवी बंद के ऐलान कइलसि.
  • मध्य प्रदेश के इंदौर में एगो छात्रा के अश्लील एमएमएस बनाके ओकरा के ब्लैकमेल करेवाला पुलिस उप निरीक्षक आर.के. शिवहरे के बर्खास्त कर दिहल गइल बा.
  • मोटर साइकिल दुर्घटना में घवाहिल भइल अजहरूद्दीन के बेटा अयाजुद्दीन के हालत नाजुक बा.
  • दक्षिणी कोलकाता के भवानीपुर से विधानसभा उपचुनाव लड़त ममता बनर्जी खातिर उनुकर कार्यकर्ता घरे-घरे जाके प्रचार करत बाड़े. मतदान 25 सितम्बर के होखी.
  • एगो शोध में देखल गइल बा कि गर्भनिरोधक गोली खाये वाली मेहरारूवन के याददाश्त कमजोर हो जाला.

दुनिया के खबर

  • फ्रांस के दक्षिणी हिस्सा में मार्कूल परमाणु संयंत्र में विस्फोट से एक आदमी के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइले. अधिकारियन के कहना बा कि एह विस्फोट से रेडियोधर्मी विकिरण के रिसाव के खतरा नइखे.
  • केन्या के राजधानी नैरोबी में सोमार का दिने झुग्गी झोपड़ी वाला इलाका से गुजरत भूमिगत तेल पाइपलाइन में आग लगला से नाहियो त 100 से अधिका लोग मर गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • अगिला पाँच साल में ऑनलाइन कारोबार में तेजी से नया नया हजारों नौकरियन के गुंजाइश बने वाला बा, कहना बा गूगल के अधिकारी के.
  • प्लास्टिक इण्डिया फाउण्डेशन के कहना बा कि देश के प्लास्टिक उद्योग साल 2012 तक मौजूदा 85,000 करोड़ रुपिया से बढ़के 1,00,000 करोड़ के हो जाई.
  • पिछला साल के तुलना में एह साल पूंजीगत सामानन आ विनिर्माण क्षेत्र के उत्पादन में भारी कमी का चलते जुलाई में देश के औद्योगिक उत्पादन दर में 3.3 फीसदी के कमी दर्ज कइल गइल बा जवन पिछला इकइस महीना के सबले निचला स्तर बा.
  • केंद्रीय कारपोरेट मामिला के मंत्री वीरप्पा मोइली बतवले कि प्रस्तावित नयकी प्रतिस्पर्धा नीति अगिला साल ले लागू हो पाई.
  • अगिला दू तीन महीना का भीतर स्टेट बैंक आपन राइट्स इश्यू जारी करी. एह से मिले वाला पूंजी से बैंक आपन विस्तार योजना चलाई.
  • एक महीना पहिले आईटीसी के संयुक्त उपक्रम के नेपाल में चलत परिधान कारखाना बंद होखला का बाद अब नेपाल में सबले बड़हन भारतीय निवेशक कंपनी मणिपाल समूह चेतवले बा कि अगर हालात अइसने बनल रहल त ऊ आपन अस्पताल बन्द कर सकेला.
  • आजु सोमार का दिने देश के शेयर बाजार में बड़हन गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 365 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • पिछला हफ्ता टाटा मोटर्स के मुख्य कार्यकारी अधिकारी आ प्रबंध निदेशक कार्ल-पीटर फोर्स्टर के इस्तीफा दिहला का बाद आजु सोमार का दिने कम्पनी के शेयरन में छह फीसदी के गिरावट देखल गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड महानायक अमिताभ बच्चन बैज लुहरमैन के ‘द ग्रेट गैट्सबाय’ से हॉलीवुड में शुरुआत करे जात बाड़े बाकिर उनुकर कहना बा कि दुनिया के बड़हन आबादी बॉलीवुड फिलिम देखेले आ अपना स्टारन के पहिचानेले.

खेल के खबर

  • इंग्लिश क्रिकेट टीम के तेज गेंदबाज स्टुअर्ट ब्रॉड भारत का साथ चलत एकदिना श्रृंखला के आखिरी मुकाबला में ना खेल पइहें. उनुका दाहिना कान्ह में मोच आ गइल बा.
  • भारत के माथ महिला स्क्वॉश खिलाड़ी दीपिका पाल्लीकल अतवार का दिने मिस्र के ताथरेब अदेल के हराके इर्विन (कैलिफोर्निया) में आयोजित 9000 डॉलर इनामी ऑरेंज कंट्री ओपन जीत लिहले बाड़ी.
  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के ड्रीम एकदिना टीम में चार गो भारतीय खिलाड़ियन के जगह मिलल बा आ धौनी के ओकर कप्तान बनावल गइल बा. बाकिर ई टीम सपने खातिर बा कहीं मैच खेले ना जाई.
  • भारत के मुक्केबाज राहुल पूनिया आइल ऑफ मैन में जारी राष्ट्रमंडल युवा खेल के मुक्केबाजी स्पर्धा में रजत पदक जीतले बाड़न.
  • पिछला हफ्ता रूस के विमान दुर्घटना का बाद मलबा से अकेला जिन्दा मिलल आइस हॉकी खिलाड़ी एलेक्सजेंडर गालीमोव के सोमार का दिने अस्पताल में मौत हो गइल. एह दुर्घटना में पूरा टीम खतम हो गइल.
  • भारत के जवान राष्ट्रीय हॉकी टीम पाकिस्तान के पेनल्टी शूटआउट में हराके एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी के पहिला संस्करण के खिताब जीत लिहलसि बाकिर एहमें ओकरा किस्मतो के हाथ बा कि कई बेर बड़हन गलती का बादो ऊ टूर्नामेंट में अजेय बनल रहल.
  • आस्ट्रेलिया आ श्रीलंका का बीच पालेकेले टेस्ट में बरखा का चलते खेल बिना फैसला के रहल.
  • पश्चिम बंगाल के सिंगूर में एगो सब्जी विक्रेता के बेटी आशा राय साल्ट लेक स्टेडियम में होत नेशनल ओपन एथलीट में मेहरारूवन के 100 मीटर दौड़ में स्वर्ण पदक जीतलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up