देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 6, 2011 | 0 comments

(शनिचर, 5 नवंबर)
देश

  • मप्र में लड़िकियन के आत्मरक्षा खातिर जूडो-कराटे सिखावल जाई.
  • देश के स्वतंत्रता सेनानी होखला का नाते पेंशन के माँग करत एगो 99 साल के बूध स्वतंत्रता सेनानी अपना 86 साल के पत्नी का साथ राँची में भूख हड़ताल पर बइठल बाड़न.
  • देश के राष्ट्रपति रहल ए.पी.जे. अब्दुल कलाम तमिलनाडु में स्थापित कइल जात रूसी रिएक्टरन के सुरक्षा उपायन के जायजा लेबे खातिर अतवार का दिने कुडनकुलम परमाणु विद्युत परियोजना के दौरा करीहें.
  • त्रिपुरा के कम्युनिस्ट सरकार राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा विधेयक के मसौदा के खामी भरल बतवलसि. आ कहलसि कि ई अपान लक्ष्य के ना पा सकी.
  • पेट्रोल मूल्य वृद्धि पर नाराज सहयोगियन के मनावे में लागल कांग्रेस के कहना बा कि पेट्रोल के दाम सरकार ना बढ़वलिस, बलुक तेल कंपनी बढ़वले बाड़ी सँ.
  • टीम अन्ना के केजरीवाल माँग कइले कि न्यायाधीशन के समिति ओह लोग के खिलाफ लागल आरोपन के जाँच करे.
  • अरविंद केजरीवाल आरोप लगवले बाड़न कि पुलिस ओह लोग के फोन टेप करत बिया.
  • सर्वोच्च न्यायालय के कहना बा कि पुलिस के कइल अत्याचार संविधान से मिलल जिये आ आजादी के अधिकारन के हनन करेला आ अगर एकरा के रोकल ना गइल त एह से विधि के शासन के संकल्पना के नुकसान होई.
  • मालेगांव विस्फोट के सगरी 9 आरोपियन के अदालत से जमानत मिल गइल काहे कि राष्ट्रीय जांच एजेंसी एकर विरोध ना कइलसि. एह विस्फोट में 37 लोग मारल गइल रहले.
  • प्रणव दा के उमेद बा कि प्रधानमंत्री से मिलला का बाद तृणमूल के शिकायत दूर हो जाई.
  • मेघालय के लगभग 300 जनजातीय प्रमुख दक्षिण अफ्रीका के राष्ट्रपति रहल नेल्सन मंडेला के सम्मानित करे के फैसला कइले बाड़न.
  • सोनिया गाँधी के निर्वाचन क्षेत्र में जन लोकपाल विधेयक के भारी समर्थन मिले के दावा कइले इंडिया अगेंस्ट करप्शन के कार्यकता.
  • छत्तीसगढ़ में रायपुर जिला के नेवारी फुलवारी गांव में साल 2008 में भइल एगो हत्या का मामिला में 51 जने के उमिर कैद के सजा सुनवला का एक दिन बादो सगरी गाँव सन्न बावे.
  • अपना ब्लॉग राइटर से मतभेद का बाद अन्ना हजारे आपन ब्लॉग बंद करे के एलान कर दिहले बाड़न. अन्ना के कहना बा कि अगर बयान पर उनुकर दस्तखत नइखे त बयान उनुकर ना माने के चाहीं.
  • थलसेना प्रमुख वी.के. सिंह शनिचर का दिने लद्दाख के तीन दिन के दौरा पूरा कइले. एह दौरा पर ऊ सियाचिन ग्लेशियर पर सुरक्षा हालात आ सैनिक तैयारी के जायजा लिहलें.
  • भारत शनिचर का दिने पाकिस्तान के ओह फैसला के स्वागत कइलसि जवना में पाकिस्तान के एगो न्यायायिक आयोग मुम्बई पर भइल आतंकवादी हमला के गवाहन से पूछताछ करे भारत भेजे के बाति कहल गइल बा.
  • कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी के जल्दिये कांग्रेस के कार्यकारी अध्यक्ष बनावे के बाति चले लागल बा. उनुका महतारी सोनिया गांधी के मदद का लिहाज से ई फैसला लिहल जा रहल बा.
  • कनिमोझी उच्च न्यायालय में जमानत याचिका दायर कइले बाड़ी.
  • ‘गायत्री मंत्र’ का प्रचार-प्रसार करे वाला आध्यात्मिक संगठन के प्रमुख प्रणव पांड्या के निहोरा बा कि आध्यात्मिक गुरु हर कीमत पर राजनीति से फरका रहसु.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील एह महीना जम्मू कश्मीर के शीतकालीन राजधानी जम्मू के तीन दिन के दौरा करीहें.
  • तमिलनाडु मंत्रिमंडल में भारी फेरबदल करत जयललिता छह गो मंत्रियन के हटा दिहली आ कुछ नया लोग के शामिल कर लिहली.

दुनिया के खबर

  • मीरा कुमार ईरानी राष्ट्रपति अहमदीनेजाद से मिलली आ दुनु देश का बीच आपसी संबंध मजबूत करे पर सहमति जतवली.
  • अगिला हफ्ता मालदीव में दक्षेस सम्मेलन का दौरान प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी के द्विपक्षीय वार्ता में सगरी मसला पर बातचीत होखी.
  • विमानो ले बड़ एगो क्षुद्रग्रह नौ नवम्बर के धरती का लगे से गुजरे वाला बा.
  • निर्वासित तिब्बती सरकार के प्रधानमंत्री लोबसांग सांगय कहले बाड़न कि केहू के आत्मदाह करे खातिर उकसावल मत जाव काहे कि तब चीन अउरी दमन करे पर उतर आई.
  • थाईलैंड में पिछला तीन महीना से आइल बाढ़ में अबले 446 लोग के मौत हो चुकल बा.
  • चीन के कोयला खान में फंसल 45 गो मजदूरन के बचा लिहल गइल.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति रहल परवेज मुशर्रफ पर लंदन में एगो आदमी जूता फेंकलिस जब ऊ भाषण देत रहले.
  • ग्रीस के प्रधानमंत्री विश्वास प्रस्ताव जीत लिहलन,
  • जापानी संसद के ऊपरी सदन के अध्यक्ष ताकेओ निशिओका के शनिचर का दिने निधन हो गइल.
  • ग्रीस में विपक्ष गठबंधन सरकार में शामिल होखे से नकार दिहलसि.
  • इंडोनेशिया के सुमात्रा द्वीप पर शनिचर का दिने भूकम्प के हल्का झटका महसूस कइल गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • एसोचैम शेयर ब्रोकिंग कम्पनियन के बैंकिंग क्षेत्र में प्रवेश के समर्थन कइलसि.
  • वरिष्ठ अर्थशास्त्री सी. रंगराजन शनिचर का दिने जनता के तोस दिहले कि एक बेर महँगाई कम हो जाव त रिजर्व बैंक मौद्रिक सख्ती कम कर दी.
  • केरल में 1500 करोड़ रुपिया के लागत से गोदी बनावल जाई. एह गोदियन पर पोत मरम्मत सुविधा रही.

मनोरंजन का दुनिया से

  • मशहूर गायक आ संगीतकार भुपेन हजारिका के शनिचर का दिने निधन हो गइल. उनुका निधन पर राष्ट्रपति से लेके आम आदमी तक सभे दुखी भइल बा.
  • सेंसर बोर्ड के अगिला हफ्ता रिलीज होखे वाला रणबीर कपूर के बहुप्रतीक्षित फिल्म ‘रॉकस्टार’ के कुछ दृश्यन आ डायलॉग पर आपत्ति जतवले बा.
  • बॉलीवुड महानायक अमिताभ बच्चन 69 साल के होखला का बावजूद सिनेमा, टीवी भा विज्ञापन के दुनिया छोड़े के कवनो इरादा नइखन रखले.
  • ऋषिता भट्ट फिल्म ‘अशोका’ में शाहरुख खान का साथे अभिनय कर के आपन बॉलीवुड यात्रा शुरु कइले रही बाकिर ऊ बेअसर रहली. अब ऊ ‘शकल पे मत जा’ फिल्म से निर्माता बन गइल बाड़ी जवन उनुकर हमेशा के सपना रहुवे.
  • एगो शोध से पता चलल बा कि बहुते महिला अँकवारी में लिहल पसन्द ना करसु.

खेल के खबर

  • रणजी ट्रॉफी मैच में रैना के दोहरा शतक का सहारे उप्र पंजाब का खिलाफ बढ़िया स्थिति में आइल आ आपन पहिला पारी पांच विकेट के नुकसान पर 596 रन बनाके घोषित कर दिहलसि.
  • वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम के कप्तान डेरेन सैमी अपना टीम से कहले कि अतवार से शुरू होखे जा रहल टेस्ट शृंखला में दबाव में अइला बिना खेले के पड़ी.
  • रणजी ट्रॉफी मैच में मिलिंद आ भाटिया का सहारे दिल्ली टीम के हरियाणा पर बढ़त मिलल.
  • कबड्डी विश्व कप में शनिचर का दिने पाकिस्तान, नार्वे अउर अमेरिकी टीम आपन आपन मुकाबल जीत लिहले.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी कके कहना बा कि उनुकर टीम इंग्लैंड दौरा भुला के नया शुरुआत करे के तइयार बिया.
  • एएफसी अंडर-19 क्वालीफायर फुटबाल मैच में भारत के टीम उज्बेकिस्तान से हार गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up