देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 9, 2011 | 0 comments

(शुक 9 सितम्बर)
देश

  • छत्तीसगढ़ में विपक्षी कांग्रेस सरकार पर ई आरोप लगावत विधानसभा से वाकआउट कइलसि कि पुलिस जनजातियन के नक्सली बताके फर्जी मुठभेड़ में मार डालत बिया.
  • केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम के कहना बा कि कहल मुश्किल बा कि दिल्ली विस्फोट में कवना संगठण के हाथ रहे. अबही सगरी आतंकवादी संगठन संदेह का घेरा में बाड़ी सँ.
  • कांग्रेस कोर समिति दिल्ली विस्फोट पर चरचा कइलसि.
  • पिछला चौबीस घंटा में देश की राजधानी दिल्ली समेत उत्तर प्रदेश, बिहार, झारखण्ड, हरियाणा, छत्तीसगढ़, मध्य प्रदेश आ उत्तर अउर मध्य भारत के कई इलाकन में रूक रूक के बरखा हो रहल बा जवना अगिला दू दिन ले हो सकेला.
  • झारखण्ड में हजारीबाग जेल का लगे एगो आदमी के 15 सिम कार्ड का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • मध्य प्रदेश के बुरहानपुर जिले में मारुति वैन आ बस के टक्कर में पांच लोग के मौत हो गइल. पांचों युवक कबड्डी मैच खेले जात रहले. घटना के बाद बस के चालक फरार हो गइल.
  • आजु अमर सिंह के स्वास्थ्य रिपोर्ट अदालत में पेश कइल गइल. बतावल गइल कि उ कवनो स्वास्थ्य शिकायत नइखन कइले आ उनुकर तबियत ठीक बा आ लगातार नजर राखल जा रहल बा. अदालत अमर सिंह के जमानत पर अब बारह सितम्बर के सुनवाई करी.
  • सर्वोच्च न्यायालय आजु शूक के एन. श्रीनिवासन के बीसीसीआई अध्यक्ष पद बने के राह साफ कर दिहलसि. अब ऊ एही महीना के आखिर ले क्रिकेट बोर्ड प्रमुख के कार्यभार सम्हार लीहें.
  • दिल्ली विस्फोट के अड़तालिस घंटा का बादो कवनो सुराग नइखे मिलल. गृह मंत्री कहले बाड़े कि कई गो विस्फोट के सुराग अबही ले नइखे मिलल जइसे कि बैंगलुरु आ बनारस विस्फोट के मसला. एहसे अकेले केन्द्र पर दोष लगावल सही नइखे.
  • जनार्दन रेड्डी के चढ़ावल हीरा जड़ित मुकुट सकारल जाव कि ना एह पर तिरुपति मंदिर अगिला हफ्ता फैसाल ली.
  • पांच अक्टूबर से होखे वाला ‘बिटिया बचाओ’ अभियान में मध्यप्रदेश भाजपा एक लाख लड़िकियन के गोड़ पुजाई करी. पार्टी अपना दल केनेता आ कार्यकर्ता से गोहार लगवले बिया कि जिनका बेटी नइखे से एगो बेटी गोद ले लेसु.
  • दिल्ली विस्फोट मामिला में हूजी के नाम पर ईमेल भेजे वाला लड़िका जम्मू काश्मीर के किश्तवाड़ा से गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. अब ओकरा से पूछ ताछ होई.
  • केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री पवन कुमार बंसल विपक्ष पर संसद के समय बरबाद करे के आरोप लगवले बाड़न. कहलन कि विपक्ष का चलते कई गो जरूरी विधेयक पेश ना कइल जा सकल. ओने भारतीय जनता पार्टी के कहना बा कि संप्रग सरकार विश्वसनीयता गँवा दिहले बिया.
  • केरल में सप्ताहभर चले वाला ओणम पर्व के दुसरका दिने शुक के लोग जश्न में डूबल बा.
  • मध्य प्रदेश के इंदौर में एगो शिक्षिका अपना प्राचार्य के खिलाफ छेड़छाड़ के मामिला दर्ज करवले बाड़ी. पुलिस प्राचार्य के खोजत बिया.
  • मेघायल के मुख्यमंत्री मुकुल संगमा कहले बाड़न कि भलही राज्य के 41 एकड़ जमीन गंवाये पड़ल बा बाकिर एह समझौते से दुनु देश में बढ़िया रिश्ता बनी.
  • मध्य प्रदेश के सतना में बियफे साँज नदी पार करत एगो नाव पलटला से चार गो छात्रा समेत पाँच लोग के मौत हो गइल. सगरी लाश बरामद हो गइल बा.
  • केंद्रीय स्वास्थ्य अउर परिवार कल्याण मंत्री गुलाम नबी आजाद बियफे का दिने कहले कि देश में आधा से बेसी मौत मधुमेह, टीबी, कैंसर आ हृदय रोग से होला.
  • इज्जति का नाम पर साल 2008 में भइल एगो आदमी के हत्या के मामिला में दिल्ली के एगो अदालत बियफे का दिने पांच लोग के फाँसी के सजा सुनवलसि. दिल्ली के चांदनी चौक में तारिक के हत्या एह चलते कर दिहल गइल कि ओकर भाई सादिक अपना प्रेमिका रुबीना से शादी कर लिहले रहे. एह खातिर अतिरिक्त सत्र न्यायाधीश बिमला कुमारी मोहम्मद सलीम, शाहीन अब्बास, शाहिद वसीम, शहीन जरगाम अली आ शब्बीर कासिम के फाँसी के सजा सुनवली आ सभका पर 20,000 रुपिया के जुर्मानो लगवली. सादिक सुन्नी रहे जबकि रुबीना शिया.

दुनिया के खबर

  • रासायनिक हथियार बिटोरत बावे अलकायदा : कहलसि अमेरिका.
  • अमेरिका कहले बा कि ‘अलकायदा कमजोर भइल बा बाकिर ओकरा कें नजरअंदाज ना कइल जा सके.’
  • इंटरपोल मुअम्मार गद्दाफी, उनुकर बेटा सैफ-अल इस्लाम आ खुफिया प्रमुख अब्दुल्ला अल-सेनूसी का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कर दिहले बावे.
  • पाकिस्तान के एबटाबाद शहर में पुलिस चीन के एगो पत्रकार के दू गो स्थानीय पत्रकारन का साथ गिरफ्तार कइले बिया.
  • अमेरिका पर 9/11 के आतंकवादी हमला के 10वीं बरखी पर कार भा ट्रक बम से हमला हो सकेला. अधिकारी एह खबर के अपुष्ट बाकिर माने लायक बतावत बाड़े.
  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में, स्वतंत्र राज्य बनावे खातिर फिलीस्तीन के कवनो कोशिश का खिलाफ अमेरिका वीटो के इस्तेमाल करी.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मुंबई में सीबीआई के अधिकारी बनके बालीवुड हस्तियन आ व्यापारियन से ठगी करे का आरोप में गिरफ्तार दू गो आदमी में से एगो का लाकर से 25 किलो सोना के गहना बरामद भइल.
  • टाटा मोटर्स के वैश्विक सीईओ कार्ल पीटर फोर्स्टर शुक का दिने इस्तीफा व्यक्तिगत कारण से इस्तीफा दे दिहले जवना के सकार लिहल गइल बा.
  • सैमसंग इंडिया अपना कारोबार में 40 प्रतिशत के बढ़ोतरी के योजना बनवले बिया.
  • योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह अहलूवालिया कहले बाड़न कि 12वीं पंचवर्षीय योजना में स्वास्थ्य पर सरकारी खर्च बढ़ाके सकल घरेलू उत्पाद के दू से तीन फीसदी कइल जाई.
  • आजु शेयर बाजार में बड़ गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 299 अंक गिर के बंद भइल.
  • रिलायंस कम्युनिकेशंस अपना 3जी उपभोक्तन खातिर अब ‘ट्रिपल धमाका’ ऑफर दिहल बा जवना में अब बिना बेसी दाम दिहले तिगुना डाउनलोड कइल जा सकेला.
  • अगस्त महीना में देश के निर्यात 44.2 फीसदी बढ़के 24.3 अरब रुपिया हो गइल. पिछला महीना व्यापार घाटा 14.1 अरब डॉलर के रहल.
  • अमेरिकी अर्थव्यवस्था में जारी उतार-चढ़ाव का बीच राष्ट्रपति बराक ओबामा 447 अरब डॉलर के एगो रोजगार पैकेज के पेशकश कइले बाड़े.

मनोरंजन का दुनिया से

  • पहला भारतीय फिल्म संग्रहालय 2013 तक बन जाई. कहली अम्बिका सोनी.
  • कोलकाता के सुशांता चटर्जी का लगे 8,000 से अधिका ग्रामोफोन रिकॉर्ड्स के दुर्लभ खजाना बा जवना में गीत, भाषण आ नाटको के रिकार्ड बाड़ी सँ.
  • कन्नड़ फिल्म अभिनेता दर्शन के शुक का दिने अपना मेहरारू पर हमला करे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • प्रख्यात अभिनेता पंकज कपूर के कहबा बा कि फिल्म ‘मौसम’ के शूटिंग घरी उनुकर अभिनेता बेटा शाहिद कपूर से व्यावसायिक रिश्ता रहे. पारिवारिक रिश्ता काम से बाहर रहे के चाहीं. कहलन कि फिल्म के कहानी पुनर्जन्म के कहानी ना होके एगो प्रेम कहानी ह जवना के सुखद समापन भइल बा.
  • राष्ट्रपति आजु 58वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार समारोह में चुनल फिल्मन आ कलाकारन के पुरस्कार दिहली. सर्वश्रेष्ठ लोकप्रिय फिल्म के पुरस्कार ‘दबंग’ के दिहल गइल. साल 2010 के दादा साहेब फाल्के पुरस्कार जानल-मानल फिल्म निर्माता के. बालाचंद्र के दिहल गइल.

खेल के खबर

  • तिसरका एकदिना में भारत इंग्लैंड का सोझा 235 रन के निशाना रखलसि. महज 25 रन पर चार आ 58 रन पर पांच गो खास खिलाड़ियन के आउट होखला का बाद एक बेरा लागल कि भारत खातिर सौओ रन के आंकड़ा पार कइल मुश्किल होखि बाकिर हरफनमौला खिलाड़ी रवींद्र जडेजा आ कप्तान महेंद्र सिंह धौनी के लड़ाकू बल्लेबाजी का बदौलत ऊ 235 रन बना लिहलसि.
    जडेजा सबले बेसी 78 रन बनवले. 89 गेंद खेलत ऊ 10 गो चौका लगवलन. धौनी का साथ मिलके जडेजा छठवां विकेट खातिर 112 रन के साझेदारी खेलल लोग. धौनी 103 गेंदन पर 69 रन बनवले. पारी का आखिरी दौर में रविचंद्रन अश्विन 19 गेंद पर 36 रन बनवले. आजु सलामी बल्लेबाज अंजिक्य रेहाने 0, अनुभवी राहुल द्रविड़ 2, पार्थिव पटेल 3, विराट कोहली 7 आ सुरेश रैना 21 रन बनवले.
  • तिसरको एकदिना में भारत के हालत खराबे बा. टॉस हरला का बाद बल्लेबाजी करे उतारल गइल भारत के क्रिकेट टीम 39 ओवर खतम होखला का बेरा ले पांच विकेट पर 144 रन बना लिहलसि.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी के फाइनल में भारत आ पाकिस्तान के भिड़न्त होई. आजु शुक का दिने भारत मलेशिया के हरा के फाइनल में चहुँपल बा.
  • पालेकेले टेस्ट में आस्ट्रेलिया दुसरका टेस्ट में दुसरका दिने खेल खत्म होखे ले मेजबान श्रीलंका पर 90 रन के बढ़त बना लिहले बा.
  • अमेरिकी ओपन के मिश्रित युगल स्पर्धा के सेमीफाइनल मुकाबला से भारत के लिएंडर पेस आ एलीना वेस्नीना के जोड़ी पीछे हट गइल. पेस का पीठ में दर्द का चलते ऊ खेले के हालत में नइखन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up