वाराणसी जिला के सारनाथ इलाका में आजु पुलिस लाइन मैदान पर दौडत घरी एगो नवही बिछिला के गिर गइल जवना से ओकर मौत हो गइल.
पुलिस बतावत बिया कि सारनाथ के नई बस्ती इलाका के मंगरु यादव के बीस बरीस के बेटा गोलें यादव पुलिस बहाली खातिर अभ्यास करे पुलिस लाइन में दौड़ लगावत रहुवे. मैदान गील रहला का चलते दउड़त में उ बिछिला के गिर गइल जवना से ऊ घवाहिल हो गइल.
घवाहिल गोले यादव के अस्पताल ले जाइल गइल जहवाँ ओकर मौत हो गइल.
(वार्ता)
0 Comments