बलिया जिला अस्पताल में रिक्शाचालक सूई लगवलसि, लड़िका मूअल

by | Jul 17, 2013 | 0 comments

एह भक में मत रहीं कि बलिया जिला अस्पताल में डाक्टर, नर्स आ कंपाउंडरे इलाज के काम करेलें. कुछ दिन पहिले एगो टीवी चैनल देखवले रहुवे कि कइसे बलिया जिला अस्पताल में स्वीपर घाव पर टाँका लगावत रहुवे. अब एगो रिक्शा वाला एगो गंभीर बीमार लड़िका के सूई लगा दिहलसि. सूई लगवला का तुरते बाद लड़िका के मौत हो गइल आ परिवारवालन का हंगामा का बाद ई मामिला सोझा आ गइल. बतावल जात बा कि ऊ रिक्शावाला लाश ढोवे ला अस्पताल से पोस्टमार्टम हाउस का बीच आ खाली रहला पर सूईओ दवाई करत रहेला अस्पताल में.
सात महीना के एगो लड़िका के मीजल्स होगइल रहे. तबियत बहुत खराब भइल त ओकरा के बनारस रेफर कर दिहल गइल रहे बाकिर ओकर परिवार वाले ओकरा के लेके बलिया जिला अस्पताल चल अइलें. डाक्टर साहब सूई लिखले आ फार्मासिस्ट ओह रिक्शावाला के सूई लगावे के कह दिहलसि. आखिर ऊ रिक्शावाला पिछला पन्दरह साल से अस्पताल में ई सब करत आवत रहे. दुर्भाग्य से लड़िका के मौत हो गइल आ अब जाँच पड़ताल के नौटंकी शुरू हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up