बलिया न्यूज, 14 जुलाई 2015

by | Jul 14, 2015 | 0 comments

  • बलिया में बिजली कटौती का खिलाफ आन्दोलन कइला का ‘अपराध’ में छात्र नेता आशुतोष पाण्डेय के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया जवना का खिलाफ छात्र आन्दोलित हो गइल बाड़े. काल्हुओ तीन गो काॅलेज में प्रशासन के पुतला फूंकाइल आ जगहे जगह प्रदर्शन भइल.
  • पीएम मोदी के गोद लीहल गाँव जयापुर में विकास योजनन के लोकार्पण करे आइल केन्द्रीय खाद्य प्रसंस्करण उद्योग मंत्री हरसिमरत कौर बादल काल्हु वाराणसी में कहली कि राज्य सरकार अगर जमीन मुहैया करा देव त केन्द्र एहिजा फूड पार्क बनावे ला तइयार बा.
  • गोरखपुर के संपत्ति सहारा इंडिया महज 64 करोड़ में एगो कंपनी से कर लिहले रहुवे. एकर जानकारी मिलला का बाद एगो दोसर कंपनी सामने आइल आ अदालत से कहलसि कि ऊ एह संपत्ति के 110 करोड़ में खरीदे के तइयार बा. कोर्ट कहलसि कि दस फीसदी जमा करा देव कंपनी. काल्हु जब सुप्रीम कोर्ट में मामिला के सुनवाई होखे लागल त नीलामी वाला सीन बन गइल. पुरनका कंपनी कहलसि कि हम 115 करोड़ रुपिया देबे ला तइयार बानी. फेरू बोली लागे लागल आ बोली 150 करोड़ ले चहुँप गइल बा. आ इहो अबहीं आखिरी बोली नइखे. अब अगिला सुनवाई 3 अगस्त के होखे वाला बा आ ओह दिन बोली अउरी बढ़े के पूरा उमेद बा. वाह रे सहारा ! वाह रे तोहर इमानदारी !!
  • चंदौली के दिघवट गाँव में अतवार का दिने हुँड़ार के झुण्ड चहुँप गइल आ सात गो बकरियन के खा डलले सँ. एह झुण्ड में हुँड़ारन (तेंदुआ) के जोड़ी आ ओकनी के बच्चा रहुवन सँ. बाद में गाँव के लोग बिटोरा के चहेटलें त सगरी भाग गइले सँ. बाद में वन विभाग के टीम आइल त ओकनी के पंजा के निशान मिलल. वन विभाग के कहना बा कि लागत बा कि बिहार से बहल के एने चल आइल बाड़े सँ आ एकनी के टोह लीहल जात बा.
  • यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव राज्य पुलिस में एगो खास जाति के बहाली के भूमिका बनावत आजु फर्रुखाबाद पुलिस लाइन में कहलन कि पुलिस में लिखला पढ़ला के ना शरीर से बलवान आ हिम्मतगर होखे के जरूरत पड़ेला. शायद एही से राज्य पुलिस में बहाली खातिर लिखित परीक्षा खतम कर दीहल गइल बा. अब देहे धुहा देखि के बहाली क लीहल जाई.
  • अपराध के बढ़त घटना का विरोध में सोमार का दिने गोरखपुर में व्यापारी लोग जोरदार प्रदर्शन कइल. एह लोग के कहना रहल कि व्यापारियन पर आए दिन होखत हमला रोके खातिर कवनो ठोस उपाय करे प्रशासन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up