बलिया में दोसरा के एटीएम कार्ड चोरा के रुपिया निकाल लेबे वाला गिरोह के दू जने के जनता पकड़ि के पुलिस के सँउपलसि. बतावल जात बा कि ई लोग झाँसा पट्टी दे के दोसरा के एटीएम कार्ड बदल देत रहुवे आ बाद में ओकर रुपिया निकाल लेत रहुवे. अइसने एगो भुक्तभोगी आज स्टेट बैंक का शाखा में आपन एटीएम बन्द करावे चहुँपल त ओह धोखेबाजन के पहिचान लिहलसि जे आजु ओकरे खाता से पइसा निकाले चहुँपल रहले. ओह दू जने के जनता पकड़ि लिहलसि आ कोतवाली पुलिस के हवाले कर दिहलसि. ओह में से एगो आदमी शहर के एगो प्रतिष्ठित संस्थान के मालिक का परिवार के निकलल. पुलिस पूरा मामिला के तहकीकात करत बिया.
0 Comments