बिहार के खबर

by | Sep 9, 2011 | 0 comments

(शुक 9 सितम्बर)

  • नालंदा में कथित दबंगन द्वारा एगो दलित महिला पर जुल्म ढावे के मामिला पर राजद आजु कारगिल चौक पर धरना दिहलसि आ नैतिकता के नाम पर नीतीश से इस्तीफा मँगलसि.
  • लखीसराय जिला के सूर्यगढ़ा थाना इलाका में प्राथमिक स्वास्थ्य उपकेंद्र के एगो चिकित्सक के शुक का दिने कुछ लोग गोली मार दिहल जवना से ऊ घवाहिल हो गइले. डा॰ बी के मिश्रा के कपार में गोली लागल बा आ उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. गोली मारे के कारण अबही ले पता नइखे चलल.
  • बक्सर जिला में रंगदारी अउर हत्या के छह से बेसी मामिला के आरोपी चंदन मिश्रा आ शेरू सिंह के पुलिस कोलकाता के धर्मतल्ला इलाका से गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • बिहार में अब हर किसान के डीजल अनुदान दीही सरकार. नयका सिस्टम में डीजल खरीद के पटवन कइला से पहिले कवनो अनुमति लेबे के जरूरत नइखे. ग्रामो सभा गइला के जरूरत नइखे पड़े के. बस अपना बगल का किसान से प्रमाणित करा के आवेदन जमा करा दिहला के काम बा. भुगतान सरकारी अधिकारी दीहें जबकि एह पर नजर राखे के काम जन प्रतिनिधियन के दिहल बा.
  • बीपीएल कार्डधारियन के खाता अब गाँव के पोस्ट आफिस में खोलवावल जाई आ ओह लोग के मिले वाला सगरी अनुदान सीधे ओह खाता में भेजल जाई. एह खातिर सगरी डाकघर के निर्देश भेज दिहल गइल बा.
  • महिला साक्षरता दर में सबले बेसी बढ़ोतरी खातिर काल्हु बिहार के सम्मानित कइल गइल. राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटिल काल्हु एगो समारोह में ई सम्मान दिहली.
  • इंदिरा आवास में गड़बड़ी करे वाला लोग के स्पीडी ट्रायल करावल जाई आ डीएसपी एकर निगरानी करीहें. अबही ले चार सौ इकहत्तर लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up