ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या कर दिहल गइल

by | Jun 1, 2012 | 0 comments

आरा में आजु सबेरे चार बजे टहले निकलल ब्रह्मेश्वर मुखिया के कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. कुछ महीना पहिले ब्रह्मेश्वर मुखिया अदालत से आरोप मुक्त भइला का बाद जेल से रिहा भइल रहलें. बिहार सरकार के मालूम रहे कि रणवीर सेना के पूर्व प्रमुख रहल ब्रह्मेश्वर मुखिया के जान पर हरदम खतरा बा. एकरा बावजूद उनुका के कवनो सुरक्षा ना दिहल गइल रहे.

नक्सली आतंक से इलाका के किसानन के बचावे का मकसद से बनल रणवीर सेना जमीन मालिक किसानन के सुरक्षा में बनल सशस्त्र संगठन रहुवे. नक्सलियन से मुकाबला करे में अनेके हत्याकाण्ड भइल जवना में कबो कबो बेकसूर औरतन आ बचवनो के मार दिहल गइल रहे. एही सब नरसंहार में ब्रह्मेश्वर मुखिया के गिरफ्तार कर के मुकदमा चलावल गइल रहे बाकिर अदालत सबूत का अभाव में उनुका के रिहा कर दिहलसि.

मुखिया के हत्या का बाद आजु आरा भोजपुर आ अगल बगल के कई इलाकन में छिटपुट हिंसा के खबर आवत बा. हो सकेला कि ई संघर्ष जातीय संघर्ष के रूप धर लेव. पुलिस प्रशासन हालात से निपटे में लागल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up