पिछला चार गो एकदिना में से दू दू गो मैच जीत के बरोबरी पर खड़ा भारत आ दक्खिन अफ्रीका के सीरीज के फैसला आजु पाँचवा आ आखिरी एकदिना मैच में होखेवाला बा. मैच मुंबई के वानखेडे स्टेडियम में खेलल जाई जहाँ आजु ले भारत हारल नइखे. हालांकि पिछला चार मैच में कवनो टीम लगातार दू गो मैच नइखे जीतले आ पिछला मैच भारत जीतले रहुवे. एहसे भारत का सोझा चुनौती बावे आपन जीत के लय बनवले राखे के.
0 Comments