भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (मंगल, 2 जून 2015)

by | Jun 2, 2015 | 0 comments

  • सोामर का दिने पीएम मोदी एगो समाचार एजेन्सी यूएनआई के साक्षात्कार देत कहलन कि नीमन दिन त आ गइल बा. कहलन कि कवनो समुदाय का खिलाफ बेजा हरकत बरदाश्त ना कइल जाई. एह बात पर खुशी से उछलत टीवी मीडिया वाले एकरा के मोदी बनाम संघ के लड़ाई देखावे बनावे मे लाग गइले. बाकिर एह बयान में अइसन कुछ ना रहल जवना के संघ का खिलाफ कहल जा सके. संघो एह विवाद के कवनो भाव ना दिहलसि.
  • बिहार में आपन ताकत आ बेंवत जानत कांग्रेस नीतीश कुमार के साथ ले के आपन अस्तित्व बचावे के कोशिश करी. सोनियो गाँधी चाहत बाड़ी कि कांग्रेस नीतीश कुमार के समर्थन देव आ ओकरा से गठबन्हन क के चुनाव लड़े. कांग्रेस एही बहाने साल 2019 के योजना बनावे में लागल बिया.
  • बलिया के बाबा बालेश्वर नाथ मंदिर के प्रबंधक समिति आ ओकरा पुजारियन का बीच सोमार का दिने मारपीट भइल आ दुनू तरफ से मुकदमा लिखावल गइल. समिति आ पुजारियन का बीच ढेर दिन से झगड़ा चलत आवत बा.
  • बलिया विकास भवन के ताला चउथको दिने ना खुलल बाकिर प्रशासन ग्रामीण अभियंत्रणा के एक्जिक्यूटिव इंजीनियर के पिटाई करे वालन का खिलाफ कवनो कदम उठावे से हिचकिचात बा. सोमारो का दिने प्रशासन आन्दोलन करेवालन से बातचीत क के मामिला सलटावे के कोशिश कइलसि बाकिर ओकरा सफलता ना मिलल. कर्मचारी अड़ल बाड़न कि पिटाई करे वाला लोगन के गिरफ्तार कइल जाव.
  • गाजीपुर के घोघवा गाँव का लगे एगो मोटरसाइकिल गड़हा में गिर गइल जवना चलते ओह पर सवार दू गो नवहियन के मौत हो गइल. मरेवाला दुनू नवही आजमगढ़ के संझइत गाँव के रहले. हालांकि मरे वाला के बाप के कहना बा कि ओकरा बेटा के जान ले लीहल गइल बा. कहलन कि कुछ दिन पहिले एक आदमी से लेनदेन ले के झगड़ा भइल रहुवे आ ऊ आदमी जान से मार देबे के धमकी दिहले रहुवे.
  • बलिया के भाजपा नेता सुदामा सिंह के मौत सोमार का दिने लखनऊ के सहारा अस्पताल में हो गइल. गोरखपुर में होटल चलावे आ रेलवे के ठेकेदारी करे वाला सुदामा सिंह के सीना में दर्द के शिकायत का बाद गोरखपुर से लखनऊ ले गइल रहुवे लोग जहाँ उनुकर मौत हो गइल.
  • सभका के चेतावल जात बा कि एह महीना के खतम होखे से पहिले आपन पुरान नोट बदलवा लेसु ना त बाद में परेशानी होखे लागी. जवना नोट का पीछे बीच में नीचे साल ना लिखल होखे ओकरा के जल्दी से बैंक भेज के बदलवा लेव लोग. 30 जून का बाद एकरा खातिर परेशानी उठावे पड़ सकेला. साल 2005 से पहिले नोटन पर साल ना छापल जात रहुवे आ ओही पुरान नोटन के प्रचलन से हटावल चाहत बावे रिजर्व बैंक.
  • सोमार का दुपहरिया अचके में आइल आन्ही बरखा से बिहार के कुछ राहत मिलल बाकिर पूर्वाचल के लोग अबहियों गरमी से उफनात बा.
  • अपना के अमेठी में घेरे के कोशिश देखत कांग्रेस के उपाध्यक्ष राहुल गाँधी अब बनारस जा के ओहिजा मोदी के घेरे के कोशिश करीहें. दिन तय नइखे भइल बाकिर उनुका सिपहसालारन के कोशिश बा कि जल्दिए ई काम शुरु क देबे के बा.
  • सिवान जिला के बड़हरिया थाना के मालिक टोला गाँव में घर का सोझा से आवे जाए के रास्ता मँगला पर ओकर पटीदार गोली मार के हत्या कर दिहलसि. गोली मारेवाला फरार हो गइल बा आ पुलिस ओकरा के जल्दिए गिरफ्तार कर लेबे के बात कहत बिया.
  • छपरा के तपेश्वर सिंह काॅलेज में संस्थापक स्व. तपेश्वर सिंह के 89वाँ जयन्ती मनावल गइल. काॅलेज परिसर में लागल उनुका आदमकद मूर्ति पर फूल माला चढ़ावल गइल.
  • छपरा जिला के मढ़ौरा में अपना माई के गरियावत छोट भाई के रोके के कोशिश कइलन बड़ भाई त छोटका भाई बगल में राखल कुदारी उठा के उनुका पर चला दिहलसि जवना से उनुकर मौत हो गइल. पुलिस हत्यारा भाई के पकड़ के जेल भेज दिहले बिया.
  • सोमार का दिने छपरा जंक्शन पर पवन एक्सप्रेस से मुबंई जात चार जने के सीआईडी जाली रेल टिकट संगे ध लिहलसि. बतावल जात बा कि एगो गिरोह लमहर दूरी जाए वाला लोगन के जाली टिकट बेचे में लागल बा. ओह गिरोह के जानकारी बिटोरल जात बा. धराइल लोग सिवान आ गोपालगंज के हवे.
  • सारण जिला के कोपा थाना के बंसडीला गांव का सोझा मेनरोट पर एगो मोटरसाइकिल से जात दू जने के पीछे से आवत पिकअप वैन वाला जान बूझ के धक्का मार दिहलसि जवना चलते एक जने के मौत हो गइल आ दोसरका सवार घवाहिल हो गइल. बतावल जात बा कि कुछ दिन पहिले अनवल गाँव आइल एगो बारात में झगड़ा का बाद पिकअप चलावे वाला के पिटाई करे में ई लोग शामिल रहुवे आ एहिसे ऊ एह लोग के जानबूझ के जान ले लेबे के कोशिश कइलस.
  • पिछला 25 मई का दिने छपरा के अमनौर ब्लाक के रसूलपुर से किडनैप भइल एगो बच्ची भेल्दी थाना के एगो मंदिर का लगे मिलल. पुलिस पूछताछ करत बिया.
  • सारण जिला के एकमा थाना के मदनपुरा दलित बस्ती में एगो नवहिन के ओकरा ससुराल वाले अतवार का दिने जरा के मार दिहलें आ लाश लेके चँवर में गाड़ दिहले. पुलिस के शिकायत मिलल त सोमार का दिने जमीन कोड़ के लाश निकालल गइल. ससुराल वाले फरार हो गइल बाड़े.
  • सोमार का सबेेरे पटना गाँधी सेतु पर एगो ट्रक वाला दू गो मोटरसाइकिलन के धक्का मारत भागे के कोशिश कइलसि आ एगो बालू लादल ट्रैक्टरो के धक्का मार दिहलसि. बाद में ट्रक आ ट्रैक्टर के ड्राइवर खलासी भाग गइलन स आ सेतु पर भयंकर जाम लाग गइल. तीन आदमी के लाश आ एगो मोटरसाइकिल ट्रक का चक्का में फँसल मिलल.
  • भोजपुर जिला के एगो मुरगा व्यवसायी के हत्या अतवार का रात बिहटा का लगे क दिहल गइल. मरेवाला के भाई दू जने का खिलाफ नामजद केस लिखववले बाड़न.
  • गोपालगंज से वापस लवटत में बस का छत पर बइठल राजापुर बाजार के एगो किराना दुकानदार ढेबवां गांव के गुलाब बरनवाल के मौत बस पर से गिरला का चलते हो गइल. जख्मी हाल में उनुका के गोरखपुर ले जाइल जात रहुवे जब राहे में उनकर मौत हो गइल.
  • गोपालगंज जिला के भोरे इलाका के बैकुंठपुर गाँव के एगो नवही के छूरा मार के जान ले लीहल गइल. एक आदमी के पुलिस पकड़ियो लिहले बिया. बतावल जात बा कि मोटरसाइकिल के साइड से निकाले के ले के एगो दोसरा मोटरसाइकिल वाला से झगड़ा भइल त ओहपर सवार बदमाश छूरा घोंपे लगले.
  • गोपालेगंज के कुचायकोट थाना के मनियार गाँव के एगो आदमी के हत्या करजा ना चुकवला का चलते करजा देबे वाला कर दिहलसि. गाँवे के दू जने का खिलाफ नामजद केस लिखववले बाड़ी मरे वाला के पत्नी.
  • पश्चिमी चंपारण के नरकटियागंज कचहरी में शादी के कागज बनवावे आइल एगो नाचवाली से आर्केस्ट्रा के मालिक मारपीट करे लागल त बाकी लोग ओकरा के पीटपाट के भगा दीहल. बतावल जात बा कि पश्चिम बंगाल से आइल ई नाचे वाली अपना एगो संघतिया नाचे वाला से बियाह रचा लिहलस त ओकरा मालिक के ई मंजूर ना भइल आ ऊ मारपीट करे लागल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up