बस्ती 13 जनवरी (वार्ता) पुलिस आजु लूट आ चोरी के माल संगे तीन गो अपराधियन के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. इ चोर पिछला दिन अमहट घाट पुल का लगे एगो औरत बीना सिंह से उनुकर एटीएम कार्ड, नगदी, आ दू गो मोबाइल लूट लिहले रहुवन. एही मामिला में बदमाश रिंकू सिंह आ रविशंकर के ध लिहलसि. एहनी का लगे से एगो रिवाल्वर, दू गो कारतूस आ लूट के माल मिलल बा.
एकरा अलावे एगो मोबाइल दुकान से 20 गो मोबाइल चोरावे वाला मुकेश कुमार प्रजापति के 15 गो मोबाइल आ एगो चाकू संगे गिरफ्तार क लिहलसि.
0 Comments