कौमी एकता दल के नेता मुख्तार अंसारी अबकी वाराणसी सीट से चुनाव ना लड़ीहें जबकि पिछला चुनाव ऊ महज सतरह हजार वोट से हारल रहले. अबकी वाराणसी सीट से नरेन्द्र मोदी चुनाव लड़े वाला बाड़न आ उनका खिलाफ हिन्दुत्व विरोधी जमात के एक होके चुनाव लड़े के बात होखत बा.
आ आपा पार्टी के अरविंद केजरीवाल, सपा से कैलाश चौरसिया, कांग्रेस से अजय राय मैदान में बाड़ें. बतावल जात बा कि मुख्तार के एह फैसला से काग्रेस के फायदा होखी.
0 Comments