![सलामी मंच पर राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी, उप राष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, गणंतत्र दिवस के मुख्य अतिथि फ्रांस्वा औलांद, आ रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर](https://www.anjoria.com/wp-content/uploads/2016/01/67thRepublicDayParade.jpg)
सलामी मंच पर राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी, उप राष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, गणंतत्र दिवस के मुख्य अतिथि फ्रांस्वा औलांद, आ रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर
राजपथ पर भइल परेड में भारत के सांस्कृतिक विविधता का साथ ही अत्याधुनिक हथियारन, मिसाइलन, विमानन अउर भारतीय सैनिकन के ताकत के दर्शन करावल गइल. सुरक्षा कारण से अबकी के परेड महज 90 मिनट के रहुवे जबकि हर साल ई 115 मिनट के होखत रहुवे.
आतंकी हमला के अनेसा देखत राजधानी दिल्ली में जमीन से आसमान ले सुरक्षा के अभूतपूर्व व्यवस्था कइल गइल रहे. वीवीआईपी गलियारा के सुरक्षा कई घेरा का भीतर राखल रहे.
0 Comments