शिवराज के तिसरका पारी शुरू भइल

by | Dec 14, 2013 | 0 comments

ShivrajSinghChauhanभोपाल. 14 दिसंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश मे अपना लोकप्रियता के लहर प सवार मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान भाजपा के लगातार तिसरका बेर आ प्रचंड बहुमत से सत्ता मे ले आवे में सफल होखला का बाद आजु तिसरका बेर राज्य के मुख्यमंत्री पद के किरिया ले लिहले.

किरिया लेबे के इ समारोह जम्बूरी मैदान मे राज्य भर से आइल लाखो सर्मथकन आ खासमखास लोग का मौजूदगी में भइल. राज्यपाल रामनरेश यादव उनुका के एह शाही समारोह मे पद आ गोपनीयता के किरिया धरवले. मुख्यमंत्री आजु अकेलहीं किरिया लिहले. मंत्रियन के बाद में किरिया धरावल जाई.

अपना लोकप्रियता का बूते शिवराज नरेन्द्र मोदी का बाद राष्ट्रीय स्तर पर लोकप्रिय नेता बन के उभरल बाड़े, अब मानल जाए लागल बा कि राष्ट्रीय राजनीतोओ में शिवराज के बड़हन भूमिका रही.

नर्मदा किनारे सीहोर जिला के जैत गांव के किसान पिता प्रेमसिंह चौहान आ माता सुंदर बाई चौहान के घरे नौ मार्च 1959 के जनमल शिवराज सिंह चौहान शुरूए से मेधावी रहलन. भोपाल के बरकतुल्ला विश्वविद्यालय से दर्शनशास्त्र मे स्नातकोत्तर के परीक्षा मे उनका पहिला स्थान आ स्वर्ण पदक मिलल रहे.

किरिया लिहला के एह समारोह में रिलायंस ग्रुप के चेयरमैन अनिल अंबानी, वाइस चेयरमेन सतीश सेठ, फोर्स मोटर्स लिमिटेड के चेयरमैन डॉ. अभय फिरोदिया, भारत फोर्ज ग्रुप के एक्जीक्यूटिव डायरेक्टर अमित कल्याणी, ट्रायडेंट ग्रुप के चेयरमैन राजेन्द्र गुप्ता, एम.पी. बिरला ग्रुप के चेयरमैन हर्ष वी. लोधा, सांघी इण्डस्ट्रीज लिमिटेड के चेयरमैन रविशरण सांघी, एस.ई.एल. मेन्यूफ्रेक्चरिंग कम्पनी लिमिटेड के ज्वाईंट मैनेजिंग डायरेक्टर धीरज सलूजा आ अर्णव सलूजा, सिम्बायसिस पुणे के संचालिका स्वाति मजूमदार, वर्धमान ग्रुप के चेयरमैन एस.पी. ओसवाल, सूर्या रोशनी लिमिटेड के सीएमडी जयप्रकाश अग्रवाल, बॉम्बे हॉस्पिटल के चेयरमैन भरत कुमार कपाडिया, एस्सार ग्रुप के चेयरमैन शशि रूईया आ डायरेक्टर अंशुमान रूईया अउर वीडियोकॉन ग्रुप के डायरेक्टर अनिरूद्ध धूत समेत अनेके उद्योगपति शामिल भइले.

धार्मिक संतन में स्वामी सत्यमित्रानंद गिरि जी महाराज, साध्वी ऋतम्भरा, मुफती अब्दुल रज्जाक साहब, नायब काजी इन्दौर रेहान फारूकी, ददरूआ सरकार सुश्री प्रज्ञा भारती, भय्यू जी महाराज, महामंडलेश्वर उमेश मुनिजी महाराज सदगुरू, साहिब बंदगी जी महाराज, महामण्डलेश्वर राधे राधे महाराज, आर्कबिशप बनागल उपतिस्स नायक थैरोजी (श्रीलंका), ज्ञानी दलीप सिंह, बोहरा समाज के आमिल साहब, मुफती रहीम साहब, महंत सर्वश्री नरसिंहदास शंकरदास हनुमानदास रामगिरी जी, सुदर्शनाचार्य रघुनाथ जी महाराज, सुरेन्द्र गिरी, रामलखन दास, भगवान दास जी श्रृंगारी हेमंत ब्रह्मचारी आचार्य जगतदेव जी नैष्ठिक आ फादर सोलोमन वगैरह शामिल भइले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up