कैमूर जिला के कुदरा में पीएचसी का लगे जीटी रोड क्रासिंग पर एगो ट्रक एगो बूढ़िया के कचारत भाग गइल. एह में एगो अउर आदमीओ घवाहिल भइल जवना के इलाज खातिर वाराणसी भेज दिहल गइल बा. दुनु जने लालापुर के बतावल जात बाड़ें.
एगो दोसरा दुर्घटना में कर्मनाशा बाजार का लगे एगो बोलेरो से कचरा के साठ साल के एगो बूढ़ के मौत हो गइल. छावों गाँव के शिवगोविंद राम अपना मेहरारू का संगे कर्मनाशा बाजार गइल रहलें आ ओहिजा से लवटत घरी ई दुर्घटना भइल. शिवगोंविद के मौत ठाँवे पर हो गइल.
0 Comments