तेज गेदबाज प्रवीन कुमार आ इरफान पठान के घाहिल होखला का चलते वेस्टइंडीज ए के खिलाफ भारत ए टीम से बाहर राखल गइल बा. एह बात के घोषणा करत बीसीसीआई कहले बा कि एह लोग का जगहा सिद्धार्थ कौल आ आर विनय कुमार के शामिल कइल गइल बा.
.
केरल के बल्लेबाज वी जगदीश के 17 आ 19 सितंबर वाला तिसरका आ चउथका मैच ला भारत ए टीम मे शामिल कइल गइल बा. आलराउंडर युवराज सिंह वेस्टइंडीज ए के खिलाफ 14 सदस्यीय टीम के कप्तानी करत बाड़ें.
(वार्ता)
0 Comments