वेस्टइंडीज के खिलाफ टीम मे जहीर.सहवाग नइखन

by | Nov 2, 2013 | 0 comments

नयी दिल्ली 31 अक्टूबर (वार्ता) ढेर दिन से टीम इंडिया मे वापसी ला तिकवत अनुभवी गेदबाज जहीर खान आ विस्फोटक बल्लेबाज वीरेद्र सहवाग के फेरू निराश होखे के पड़ल बा काहे कि उनका के वेस्टइंडीज के खिलाफ छह नवंबर से शुरू होखे जात सचिन तेदुलकर के करियर के आखिरी दू गो टेस्ट वाला सीरीज से बाहर राखल गइल बा. कंधा मे चोट का चलते आलराउंडर रवींद्र जडेजो नइखन टीम में.

अप्रैल मे आस्ट्रेलिया के खिलाफ आखिरी टेस्ट का बाद शिखर धवन के टीम मे वापसी भइल बा. उनका के सुरेश रैना का जगहा टीम मे शामिल कइल गइल बा. जडेजा का जगहा रोहित शर्मा के राखल गइल बा. एह टेस्ट टीम मे रविचंद्रन अश्विन समेत तीन गो स्पिनरो के शामिल कइल गइल बा. तेज गेदबाजन मे उमेश यादव, मोहम्मद शमी, भुवनेश्वर कुमार, आ इशांत शर्मा के मौका मिलल बा.

टीम एह तरह से बा .. महेद्र सिंह धोनी.कप्तान, शिखर धवन, मुरली विजय, चेतेश्वर पुजारा, सचिन तेदुलकर, विराट कोहली, आर अश्विन, भुवनेश्वर कुमार, प्रज्ञान ओझा, अमित मिश्रा. अजिंक्या रहाणे, उमेश यादव, मोहम्मद शमी, रोहित शर्मा, अउर इशांत शर्मा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up