जमशेदपुर 04 नवंबर (वार्ता) झारखंड मे भोजपुरी भाषा के अनदेखी से दुखी जमशेदपुर के भोजपुरी नवचेतना मंच दीवाली ना मनवलसि.
पिछला दिने राज्य के शिक्षा मंत्री के बयान आइल रहुवे कि शिक्षक पात्रता परीक्षा के विषय सूची से भोजपुरी के बाहर क दिआई.
नवचेतनामंच के महानगर इकाई के अध्यक्ष अंकित आनंद कहतारे कि भोजपुरी के लगातार अनदेखी होखत बा. एकरा के दुसरकी राजभाषा के दर्जा नइखे दीहल जात.
0 Comments