लखनऊ 11 नवम्बर (वार्ता) हिन्दी फिलिम “रामलीला” प रोक लगावे के माग करत एगो जनहित याचिका उच्च न्यायालय के लखनऊ पीठ के सोझा दायर कइल गइल बा. एह पर बुध का दिने सुनवाई होखी.
याचिका दायर करे वाला आईपीएस अधिकारी अमिताभ ठाकुर आ नूतन ठाकुर याचिका में कहले बा लोग कि एह फिलिम से बहुसंख्यक वर्ग के भावना आहत होखी.
“रामलीला” के एही शुक 15 नवम्बर के रिलीज होखी.
0 Comments