सासाराम 16 दिसम्बर (वार्ता) अगरेर इलाका के मोकर गांव का नियरा सोमार का सबेरे बारातियन से भरल एगो बस पलट गइल. एह हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ दस जने घवाहिल हो गइले.
सासाराम में बिआह का बाद बारात नोखा इलाका के धामा गांव लवटत रहल जब मोकर गांव का नियरा ओह लोग के बस पलट गइल. बतावल जात बा कि घन कुहासा का चलते ई हादसा भइल.
घवाहिलन के सासाराम सदर अस्पताल मे भरती करावल गइल बा जहाँ दू जने के हालत खराब बनल बा. हादसा का बाद ड्राइवर परा गइल.
0 Comments