गोंण्डा 16 दिसम्बर (वार्ता) कौडिया बाजार इलाका में बहराईच रोड पर मल्लापुर का नियरा घन कुहसा का चलते भइल सड़क हादसा में मरद मेहरारू आ एगो अउर आदमी के मौत हो गइल.
पुलिस से पता चलल कि बहराइच के रामानन्द अपना मेहरारू उमाकान्ती का साथे नगर के इन्दिरानगर कालोनी मे भइल एगो बिआह समारोह से लवटत रहले जब उनकर कलार एगो दोसरा वाहन से लड़ गइल. कार पलटला से ड्राइवर आरिफ आ दुनू मरद मेहरारू के मौत ठाँवे प हो गइल.
पुलिस ओह गाड़ी के तलाशत बिया जवना से ई टक्कर भइल रहे.
0 Comments