छपरा 10 जनवरी (वार्ता) खैरा थाना के गार्ड रूम मे आजु एगो आरक्षी रायफल साफ करत घरी चलल गोली से घवाहिल हो गइल.
पुलिस से पता चलल कि सिपाही देवनाथ साह गार्ड रूम मे आपन रायफल साफ करत रहलन तबहिए गलती से घोड़ा दबा गइल आ गोली चल गइल. एह गोली से एगो सिपाही चंद्रशेखर सिंह घवाहिल हो गइलन जिनका गोड़ मे गोली लागल.
घवाहिल सिपाही के इलाज छलरा सदर अस्पताल में होखत बा. पुलिस एह बीच रायफल जब्त क के कानूनी कार्रवाई करत बिया.
0 Comments