लखनऊ हाई कोर्ट में आजु उत्तर प्रदेश खातिर नया राज्यपाल राम नाइक के नियुक्ति के चुनौती देबे वाली याचिका के खारिज क दिहल गइल. कोर्ट के कहना बा कि ई याचिका विचार जोग नइखे.
याची वकील अशोक पांडेय के कहना रहे कि राम नाइक के राज्यपाल नियुक्त करे से पहिले प्रदेश के मुख्यमंत्री से राय नइखे लीहल गइल. एकरा खिलाफ खड़ा वकील कहलन कि याची के चुनौती देबे के कवनो हके नइखे बनत काहे कि उनका पर कवनो तरह के असर नइखे पड़ेवाला.
0 Comments